खबर भोजपुरी में (मंगल, 9 जून 2015)

by | Jun 9, 2015 | 0 comments

  • सत्ता में आवे खातिर लालू यादव जहरो पी लीहें. काल्हु सोमार का दिने दिल्ली में उनुका मौजूदगी में मुलायम सिंह यादव नीतीश कुमार के बिहार विधानसभा चुनाव में मुख्यमंत्री पद के उम्मीदवार बनावे के एलान क दिहलें. एह पर लालू के कहना रहुवे कि बिहार में भाजपा के रोके आ जनता परिवार के सरकार बनावे ला ऊ जहरो पी सकेलें. इशारा एही पर रहुवे कि नीतीश के मुख्यमंत्री पद के उम्मीदवार माने के मजबूरी. असल में चारा घोटाला के सजा भुगतत बाकिर जमानत पर छुट्टा घूमत लालू प्रसाद जानत बाड़न कि ऊ खुद मुख्यमंत्री बनिए ना सकस आ उनुका परिवार के दोसर कवनो बेकत से अधिका मान्य होखीहें नीतीश कुमार. जीतन राम माँझी वाला अनुभव का बाद अब कवनो पारिवारिक गोल केहु दोसरा के मुख्यमंत्री बनावे के जोखिम ना ले सके.
  • यूपी सरकार के 17 लाख कर्मचारियन ला बढ़ल दर से महँगाई भत्ता देबे के एलान क दिहले बिया अखिलेश सरकार. एह बेर छह फीसदी के बढ़ोतरी कइल गइल बा डीए में. हालांकि जनवरी से मई तकले के डीए कर्मचारियन के हाथे ना आई आ ओह लोग के भविष्य निधि खाता में जमा करा दीहल जाई. जून के डीए नकद देबे के बात कहल जात बा.
  • केन्द्रीय प्रत्यक्ष कर बोर्ड के प्रमुख रहल केवी चौधरी के नयका सतर्कता आयक्त बनावल गइल बा. पहिले पर्यावरण सचिव रहल विजय शर्मा के मुख्य सतर्कता आयुक्त बनावल गइल बा. पहिला बेर कवनो नन आईएएस के सतर्कता आयुक्त बना के एगो परंपरा तूड़ल गइल बा. एह पद पर इंडियन बैंक के चेयरमैन रहल टीएम भसीन के बहाली कइल गइल बा.
  • मंत्री रहल अवधपाल सिंह सोमार का दिने अपना बेटा रणजीत सिह आ तीन गो अउरी लोगन का साथ एटा जिला अदालत में सरेण्डर कर दिहलें जहाँ से एह लोग के जेल भेज दीहल गइल.
  • एह भयंकर गरमी में बिजली खातिर बाप बाप करत बलिया के लोग सोमार का दिने प्रदर्शन कइल आ बिजली विभाग के एक्सईएन के पुतला जरावल. बलिया में बिजली आए जाए के कवनो समय भा रोस्टर नइखे रहि गइल.
  • चंदौली क पिपरखड़िया गाँव में अतवार रात घर का बहरी सूतल एगो आदमी पर तेंदुआ हमला क दिहलसि. उनकर चिल्लाइल सुन के लोग धावल बाकिर तबले तेंदुआ भाग गइल रहुवे. घवाहिल आदमी के अस्पताल में भरती करावल गइल बा. लोग वन विभाग से गोहार लगवले बा कि एह तेंदुआ के पकड़ल जाव.
  • आजमगढ़ के जीयनपुर इलाका का चकलालचंद बाड़ी के पुरा में अतवार का रात अपना खेत में सूतल एगो नवही के गोली मार के मुआ दीहल गइल. बतावल जात बा कि प्रधानी का चुनाव का विवाद में ई हत्या भइल बा.
  • चंदौली जिला के सरेेसर गाँव का लगे धानापुर रजवाहा के बंधा टूटला का चलते खेत त खेत घरो में रजवाहा के पानी घुस गइल बा. सिंचाई विभाग एह रजवाहा में पानी के सप्लाई रोक दिहले बा. . बतावल जात बा कि ई बंधा हर साल टूटत रहेला बाकिर ढंग से मरम्मत ना करावल जाला.
  • वाराणसी के डीरेका में बहुते आधुनिक डीजल रेल इंजन के लोकार्पण करत रेल मंत्री सुरेश प्रभु कहलन कि कैंट आ मँडुआडीह टीसन के देश के सबले बढ़िया टीसन बनावल जाई. सोमार का दिने मंडुआडीह टीसन के दोसरका प्रवेश द्वार के शिलान्यासो कइलन रेल मंत्री. डीएलडब्लू के कर्मचारियन के बढ़िया काम खातिर पाँच लाख रुपिया के नकद पुरस्कार कर्मचारियन में बाँटे खातिर देबे के एलानो कइलन सुरेश प्रभु.
  • बिहार में भयंकर गरमी आ लू का चलते सगरी स्कूलन के 14 जून ले बंद राखे के एलान भइल बा.
  • सारण जिला के मशरख के लखनपुर हाता में गोपालगंज जिला के मडँवा गाँव से आइल बारात के कुछ मनबढ़ कट्टा का बल पर लूट लिहलें. शुरूआत भइल दुआरी लगवला से पहिले दू हजार रुपिया के रंगदारी मंगल से जवना ला दुल्हा के बाप तइयार ना भइले. एकरा बाद दुल्हा के गाड़ी में राखल पेटी से लाखो रुपुा के गहना कपड़ा आ नकदी लूट ले गइलें स मनबढ़. एह बारे में गांवे के पाँच लोग के खिलाफ थाना में केस लिखवाल गइल बा.
  • बिहार के सारण जिला में पड़ेवाला सिताब दियारा पंचायत आ यूपी के बलिया जिला में पड़ेवाला इब्राहिमाबाद नौबरार पंचायत एक दोसरा से सटल बाड़े बाकिर दू गो अलग अलग राज्य के काम के तरीका देख यूपी में पड़ेवाला लोग अपना किस्मत के दोस देता कि काश उहो लोग बिहार में पडल रहीत. सिताबदियारा पंचायत के कटान से बचावे खातिर बिहार सरकार पचास करोड़ रुपिया खरच कर के गाँव के पूरा सुरक्षित बना दिहले बिया जबकि यूपी सरकार का तरफ से इब्राहिमाबाद नौबरार पंचायत के करम भरोसे छोड़ दीहल गइल बा. पर साल एह पंंचायत में तीन सौ से बेसी परिवारन के आसरा कटान में खतम हो गइल. एहू साल उहे होखे वाला बा काहे कि यूपी सरकार का तरफ से कवनो काम नइखे शुरु भइल अबहीं ले.
  • पिछला 5 जून के आरा के मोबाइल व्यापारी विक्की के गोली मार के हत्या क दीहल गइल बाकिरा आजु ले हत्यारा पकड़ में नइखन आइल सँ. एही चलते काल्हु सोमारो का दिने आरा में सड़क जाम, बाजार बंदी आ प्रदर्शन कइल लोग. नवादा चौक पर पुलिस के लाठीओ भाँजे के पड़ल भीड़ भगावे खातिर.
  • सारण जिला के सोनपुर इलाका के सहारीचक गाछी गाँव में अतवार देर रात एगो नया कनिया साड़ी से फाँसी लगा के जान दे दिहलसि. मरेवाली के बाप थाना में दहेज हत्या के केस दर्ज करवले बाड़न. अबहीं कवनो आरोपी के गिरफ्तारी नइखे भइल.
  • सारण जिला के सम्होता पंचायत के उपसरपंच मनबोध चौधरी का खिलाफ सोमार का दिने अविश्वास प्रस्ताव पारित हो गइल. उनुका पर गलत सलत काम करे के आरोप लगावल गइल बा.
  • झारखंड के पलामू में आज मंगल का सबेरे सतबरवाँ थाना के बखोरिया गाँव में चलावल अभियान में पुलिस 12 गो नक्सलियन के मार गिरावे के दावा कइले बिया. सोमार रात एह अभियान के चलावल गइल. मराइल माओवादियन का लगे से असलहा आ कारतूसो मिलल बा.
  • कोस्टगार्ड के एगो डोर्नियर एयरक्राफ्ट सोमार का रात दस बजे से लापता बा. समुन्दर का उपर सर्विलांस उड़ान पर निकलल एह विमान के खोजे के काम जारी बा. लागत बा कि विमान संगे कवनो हादसा हो गइल बा. एह पर तीन लोग सवार बा.
  • केंद्र सरकार के गृह मंत्रालय का ‘ब्लैक लिस्ट’ शामिल होखला का चलते ग्रीनपीस इंटरनेशनल के एगो कार्यकर्ता एरॉन ग्रे ब्लॉक के पिछला 6 जून के बंगलुरू हवाई अड्डा पर उतरे ना दीहल गइल आ वापस कर दीहल गइल.
  • देश के शेयर बाजार में चलत गिरावट के दौर सोमारो का दिने जारी रहल आ सेंसेक्स 26523 पर आ निफ्टी 8044 पर बंद भइल. रुपियो में तेज गिरावट देखे के मिलल आ डालर के मुकाबले रुपिया चौंसठो रुपिया के पार बंद भइल. सोना चांदी के दाम में बढ़ोतरी दर्ज भइल.
  • सऊदी अरब के कहना बा कि अगर इराक के परमाणु बम से रोके के काम में तनिको ढिलाई होखी त सऊदी अरबो आपन परमाणु बम बनावे में लाग जाई.
  • तुर्की में भइल नयका संसदीय चुनाव में कुर्द समुदाय के नेता बहुते मजबूत बन के उभरल बाड़न. हालांकि केहु के साफ बहुमत ना मिलला का चलते या त गठबन्हन के सरकार बनी ना त दुबारा चुनाव करावल मजबूरी हो जाई.
  • अंतर्राष्ट्रीय फुटबाल महासंघ (फीफा) के ऑडिट आ कम्पलायंस समिति के अध्यक्ष डोमिनिको स्केला के कहना बा कि विश्वकप के मेजबान तय करे का प्रक्रिया में भ्रष्टाचार के दोषी मिलला पर रूस आ कतर मेजबानी छीनल जा सकेला, रुस के 2018 के आ कतर के 2022 के फीफा विश्वकप के मेजबानी दीहल गइल बा.
  • राजद से निकाल बाहर कइल गइल सांसद पप्पू यादव आजु अपना नया पार्टी के एलान करे वाला बाड़न. पप्पू यादव के कहना बा कि ऊ अपना जनक्रांति अधिकार मोर्चा के राजनीतिक गोल बना दीहें आ हो सकेला कि एकर नया नाम दे दीहल जाव.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up