खबर भोजपुरी में (शनिचर, 13 दिसंबर 2014)

by | Dec 13, 2014 | 0 comments

(शुक, 12 दिसंबर के खबर)

12 दिसंबर का दिने राष्ट्रपति भवन में समारोह कक्ष के उद्घाटन का मौका पर राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी, उपराष्ट्रपति  मो॰ हामिद अंसारी आ प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी.

12 दिसंबर का दिने राष्ट्रपति भवन में समारोह कक्ष के उद्घाटन का मौका पर राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी, उपराष्ट्रपति मो॰ हामिद अंसारी आ प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी.

  • सारधा चिट फंड घोटाला में पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी के नजदीकि आ राज्य के परिवहन मंत्री मदन मित्रा के शुक का दिने सीबीआई गिरफ्तार क लिहलसि. गिरफ्तारी पर ममता बनर्जी झनझना गइल बाड़ी काहे कि सीबीआई के घेरा उनुको खिलाफ बढ़ल आवत बा. बाकिर ममता बनर्जी चुनौती देत बाड़ी कि केन्द्र सरकार में बेंवत होखे त उनुको के गिरफ्तार क देखावे. कहली कि अस्पताल में भरती मदन मित्रा से भेंट करे जइहें आ उनुका के मंत्रीमंडलो से ना हटइहें चाहे एकर परिणाम जवन होखो. भाजपा नेता सिद्धार्थ नाथ सिंह के कहना बा कि नैतिकता का आधार पर ममता के इस्‍तीफा दे देबे के चाहीं.
  • कोयला खंड आबंटन घोटाला मामला में झारखंड के मुख्‍यमंत्री रहल मधु कोडा, आ मुख्‍य सचिव रहल अशोक कुमार बसु अउर छह जने दोसरो लोग के सीबीआई आरोपी बनवले बिया. आरोप पत्र सीबीआई के विशेष अदालत में पेश क दिहले बिया सीबीआई. मामला के सुनवाई 22 दिसम्‍बर के होखी.
  • महाराष्‍ट्र के मुख्‍यमंत्री देवेन्‍द्र फडनवीस शुक का दिने भ्रष्‍टाचार निरोधी ब्‍यूरो के इजाजत दे दिहलन कि सिंचाई घोटाला मामला में राष्‍ट्रवादी कांग्रेस पार्टी के नेता अजित पवार, छगन भुजबल आ सुनील तटकरे के खिलाफ जांच शुरू कर सकेले. राज्य के गृह मंत्रालय पहिलहीं जाँच के इजाजत दे दिहले बावे.
  • लोकसभा में शुक का दिने कोयला खदान विशेष प्रावधान विधेयक-2014 ध्वनिमत से पारित क दिहल गइल. अब ओह 204 गो कोयला खंड के फेरू आवंटित करे के रास्ता साफ हो गइल बा जवनन के आवंटन सु्प्रीम कोर्ट रद्द क दिहले रहुवे.
  • तेजाब फेंकला से घवाहिल पीड़ितन के राहत देबे ला केन्द्र सरकार एगो मुआवजा कोष बनावे पर काम करत बिया. एह मामिला पर संसद में बहस के बाद सरकार एसिड नियंत्रण विधेयक-2014 वापस ले लिहलस.
  • स्विस बैंकों में जमा करिया धन का बारे में पहिलका बड़ खुलासा करत केन्द्र सरकार बतवलसि कि एच एस बी सी के सूची में शामिल भारतीयन का खाता में 4489 करोड़ रूपिया जमा बा. एह लोग में से 79 लोग का खिलाफ आयकर विभाग के कार्रवाई शुरु हो गइल बा.
  • औद्योगिक उत्पादन में पिछला अक्टूबर में 4.2 फीसदी के गिरावट आइल बा. पिछला दू बरीस में ई सबले खराब गिरावट भइल बा. विनिर्माण क्षेत्र के खराब प्रदर्शन आ पूंजीगत अउर उपभोक्ता सामान के उत्पादन में कमी का चलते अइसन भइल बा. बाकिर पिछला सरकार का समय बहाल रिजर्व बैंक के गवर्नर एह बाबत कुछ करे के तइयार नइखन लउकत. आम जनता के संतोष लायक बा कि खुदरा महँगाई कम होखल जात बा आ लगातार पाँचवा महीना में कमी दर्ज भइल बा. बाकिर सब कुछ का बावजूद निराशाजनक माहौल का चलते शुको का दिने शेयर बाजारन में गिरावत के दौर जारी रहल.
  • उत्‍तर प्रदेश में आगरा पुलिस जबरिया धर्म बदलवावे के आरोपी किशोरी लाल बाल्‍मि‍की के गिरफ्तारी पर पांच हजार रूपिया के ईनाम घोसित कइले बिया. किशोरी लाल फरार बतावल जात बाड़न.
  • शुक का दिने एडिलेड क्रिकेट टैस्‍ट मैच के चउथा दिन के खेल फूरा होखे का बेरा ले ऑस्‍ट्रेलिया आपन दुसरकी पारी में पांच विकेट का नुकसान पर 290 रन बना के भारत पर 363 रन के बढ़त ले लिहले बावे.
  • पटना नगर निगम के आयुक्त कुलदीप नारायण के निलंबन के विरोध करत भाजपा आ वामपंथी गोलन के कहना बा कि भूमाफियन के दबाव का चलते ई कइल गइल बा. एह निलंबन से आईएएस अफसरानो नाराज बाड़े.
  • बिहार राज्य मदरसा शिक्षा बोर्ड के अध्यक्ष मुमताज आलम के मनमानी तरीका से बिना कापी जँचले नंबर चढ़ावे का चलते पद से हटा दिहल गइल बा. सुबूत छुपावे खातिर मदरसा बोर्ड ओह कापियन के पहिलही रद्दी में बेच दिहले बिया.
  • बिहार होमगार्ड के जवान अब से साठ साल का उमिर पर रिटायर होखीहें आ ओह लोग के पहिले से दुगुना धन, तीन लाख रुपिया, रिटायर होखे बेरा दिहल जाई.
  • बाढ़ टीसन पर शुक का सबेर में आनंद विहार-गुवाहाटी नॉर्थ ईस्ट एक्सप्रेस आ किउल-पटना भोजपुर सवारी गाड़ी में टक्कर हो गइल. एह हादसा में केहू के घवाहिल भा मरे के कवनो खबर नइखे. सवारी गाड़ी के दू गो डिब्बा पटरी से उतर गइल.
  • सिवान जिला के दाहा नदी से तीन गो नवजात शिशुअन के लाश मिलला का बाद पुलिस मामला के तहकीकात करत बिया.
  • कानपुर में मेट्रो रेल सेवा शुरु करावे के जानकारी दिहलन यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव.
  • पश्चिमी उत्तर प्रदेष में इलाहाबाद हाई कोर्ट के पीठ बनावे का बारे में दू गो केन्द्रीय मंत्रियन के बयान का खिलाफ शुक से इलाहाबाद हाई कोर्ट के वकील लोग बेल शुरु क दिहले बा. दोसरा तरफ बाईस गो पश्चिमी जिलन के वकील पीठ बनवावे खातिर हड़ताल पर चल गइल बाड़े.
  • हर साल 21 जून को अन्तर्राष्ट्रीय योग दिवस के रूप में मनावल जाई. संयुक्त राष्ट्र महासभा एह बारे में भारत के प्रस्ताव मंजूर कर लिहले बिया. एह बारे में जानकारी राज्यसभा के सभापति मोहम्मद हामिद अंसारी दिहलन.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up