खबर भोजपुरी में (शनिचर, 20 दिसंबर 2014)

by | Dec 20, 2014 | 0 comments

(शुक, 19 दिसंबर के खबर)

प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी 19 दिसम्‍बर का दिने नई दिल्‍ली में बंगलादेश के राष्‍ट्रपति अब्‍दुल हामिद संगे.

प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी 19 दिसम्‍बर का दिने नई दिल्‍ली में बंगलादेश के राष्‍ट्रपति अब्‍दुल हामिद संगे.

  • शुक का दिेने वित्‍त मंत्री अरूण जेटली वस्‍तु आ सेवा कर विधेयक (जीएसटी) के संसद में पेश क दिहले. पेश करत घरी कहलन कि टैक्स पर राज्‍य सरकारन के अधिकार बनवले राखे के पूरा इन्तजाम कइल गइल बा विधेयक में. केन्‍द्रीय बिक्री कर पर होखे वाला नुकसान के भरपाई कइल जाई आ पहिला किस्त 31 मार्च से पहिले जारी क दिहल जाई. बतवलन कि शराब छोड़ सगरी सामान आ सेवा जीएसटी विधेयक के तहत आई.
  • लोकसभा में शुक का दिने मुंबई हमला के आतंकी जकीउर रहमान लखवी के पाकिस्तान में जमानत मिलला पर निन्‍दा प्रस्‍ताव पास कइल गइल. बाद में सुने में आइल कि पाकिस्तान सरकार जकी-उर-रहमान लखवी के फेरू तीन महीना खातिर हिरासत में ले लिहले बिया.
  • शुको का दिने राज्‍यसभा में विपक्ष कवनो काम काज ना होखे दिहलसि. ओकर बस एके जिद्द बा कि पीएम धर्मान्तरण के मुद्दा पर जबाब देस बाकिर विपक्ष सरकार का तरफ से चरचा करावे के बात माने के तइयार नइखे. विपक्ष के अड़ियल रुख का बाद राज्यसभा के सभापति मोहम्‍मद हामिद अंसारी कहलन कि अइसन कवनो नियम नइखे जवना में कहल गइल होखे कि चरचा का दौरान प्रधानमंत्री के मौजूदगी जरूरी होखी.
  • शनिचर 20 दिसंबर के झारखण्‍ड आ जम्मू-कश्मीर विधानसभा चुनाव के आखिरी दौर के मतदान करावल जाए ला सगरी तइयारी पूरा हो गइल बा. जम्मू -कश्मीर के 20 सीट आ झारखण्ड के 16 सीट पर चुनाव का साथही मतदान के काम पूरा हो जाई. मतगणना 23 दिसंबर के करावल जाई.
  • सीबीआई शुक का दिने ओडिशा के उप पुलिस अधीक्षक प्रमोद पांडा के गिरफ्तार क लिहलस. पांडा पर षड़यंत्र रचे आ नाजायज वित्तीय लाभ उठावे के आरोप लागल बा. ओने पश्चिम बंगाल में अलीपुर अदालत ने सारधा चिटफंड घोटाला में गिरफ्तार पश्चिम बंगाल के परिवहन आ खेल मंत्री मदन मित्रा के न्‍यायिक हिरासत 2 जनवरी ले बढ़ा दिहलस.
  • बम्‍बई शेयर बाजार के सेंसेक्‍स शुक का दिने 245 अंक बढ़ के आ निफ्टी 66 अंक बढ़ के बंद भइल. डॉलर के मुकाबले रुपिया 19 पइसा कमजोर भइल, सोना आ चांदी में मामूली गिरावट भइल.
  • साइना नेहवाल दुबई में चलत वर्ल्ड सुपर सीरीज बैडमिंटन टूर्नामेंट फाइनल्स के सेमीफाइनल में आ गइल बाड़ी. खेल से जुड़ल दोसर खबर में ब्रिसबेन में ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ अपना दुसरका पारी में खेल खतम होखे बेरा भारत एक विकेट का नुकसान पर 71 रन बनवले रहुवे. भारत अबहियों आस्ट्रेलिया के पहिला पारी में बनल रन से 26 रन पीछे बा. पहिला पारी में ऑस्ट्रेलिया 505 रन बनवलसि. भारत के पहिला पारी में 408 रन बनल रहुवे.
  • काकोरी काण्ड के अमर शहीद पंडित राम प्रसाद बिस्मिल, ठाकुर रौशन सिंह आ अशफाकुल्ला खाँ के शहादत दिवस पर आज श्रद्धा से नमन कइल गइल. एह तीनो जने के साल 1927 में एही तारीख, 19 दिसंबर, के फाँसी दिहल गइल रहे. पंडित राम प्रसाद बिस्मिल के गोरखपुर जेल में, ठाकुर रौशन सिंह के इलाहाबाद के केन्द्रीय कारागार नैनी में आ अशफाकुल्ला खाँ के फैजाबाद जेल में फांसी चढ़ावल गइल रहुवे. काकोरी काण्ड के एगो अउर महानायक राजेन्द्र नाथ लाहिड़ी के एह लोग से दू दिन पहिलहीं 17 दिसम्बर क गोण्डा जेल में फांसी दे दिहल गइल रहे.
  • वाराणसी के सम्पूर्णानन्द संस्कृत विश्वविद्यालय के दीक्षांत समारोह के सम्बोधित करत राज्यपाल राम नाईक विद्यार्थियन से अपना भीतर नैतिकता के विकास करे के सलाह दिहलन. कहलन कि हमेशा समाज के बढ़न्ती का बारे में सोचे के चाहीं.
  • बिहार विधानसभा के सचिव शुक का दिने विधानसभा के जानकारी दिहलन कि जनता दल यूनाईटेड के चार गो विधायकन, ज्ञानेंद्र सिंह ज्ञानू, राहुल शर्मा, रवींद्र राय आ नीरज कुमार बबलू, के सदस्यता खतम क दिहल गइल बा. विपक्ष एहपर शेम-शेम के नारा लगवलस.
  • पश्चिम चंपारण के लौरिया रामनगर रोढ पर एगो ट्रैक्टर से कचरा के एगो औरत के मौत हो गइल.
  • रोहतास जिला के नगर थाना के मुरली मांइस का लगे एगो तालाब से शुक का दिने तीन दिन से गायब एगो नवही के लाश बरामद भइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up