खबर भोजपुरी में (शनिचर, 7 फरवरी 2015)

by | Feb 7, 2015 | 0 comments

(शुक, 6 फरवरी के खबर)

  • JeetanManjhiबिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी देर रात अपना दू गो मंत्रियन – पीके शाही आ लल्लन सिंह -के बरखास्त करे के सिफारिश राज्यपाल का लगे भेज दिहले बाड़न. बाकिर एकरा से पहिलही आपन चाल चलत जदयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष शरद यादव राज्यपाल के लिख भेजले बाड़न कि जीतन का लगे बहुमत नइखे रहि गइल आ उनकर कवनो सलाह मत मानब. देखल जाव कि राज्यपाल का करत बाड़न. अब अतना त साफ हो गइल बा कि एह मुद्दा पर जदयू के टूटल पक्का हो गइल बा. जीतन राममाँझी के समर्थन में दलित सड़क पर उतरे लागल बाड़े. नीतीश के सत्ता लोलुपता का चलते बिहार के सामाजिको ताना बाना टूट का कगार पर आ गइल बा.
  • माथ अमेरिकी थिंक टैंक ‘काउंसिल ऑन फॉरेन रिलेशंस’ के एगो कार्यक्रम में भारत में अमेरिका के राजदूत रहल रॉबर्ट ब्लैकविल पाकिस्तान के चेतवले केि अब अगर भारत पर कवनो आतंकी हमला भइल त मोदी सरकार पाकिस्तान के सैन्य जवाब देबे से ना हिचकिचाई आ पाकिस्तान के ई बात बढ़िया से समुझ लेबे के चाहीं कि ओकर पिछलका तरह के हरकत अब बर्दाश्त ना होखी भाारत के.
  • दिल्ली विधानसभा चुनाव के सगरी तइयारी हो चुकल बा आ शनिचर का भोर से ओहिजा के वोटर आपन सरकार चुने ला वोट करीहें. अबकी के चुनाव पर देशे ना दुनिया भर के नजर लागल बा काहें कि एह चुनाव से भारत के राजनीति के दशा दिशा तय हो जाई. भाजपा अगर हार गइल त देश भर के छुटपुटिया नेतवन के नया जिनिगी मिल जाई बाकिर जीत गइल त फेरू भाजपा के अश्वमेध घोड़ा रोके के ताकत ना रह जाई कवनो दोसरा गोल में. एहि चलते उहो नेता जवना के कवमो बकात नइखे दिल्ली में उहो केजरीवाल के समर्थन में खड़ा लउके का फेर में लागल बाड़े. साँझ बेरा जामा मस्जिद के शाही इमाम बुखारी आआपा खातिर आपन समर्थन जतवले त ध्रुवीकरण होखे के अनेसा देखत आआपा तुरते एह समर्थन के नकार दिहलसि.
  • लोकसभा चुनाव जीतला का बाद पहिला बेर अपना संसदीय क्षेत्र में आइल सपा सांसद आ मुखिया मुलायम सिंह यादव आजमगढ़ के ढेरहन सौगात बँटलन. नाहियो त करीब दू सौ परियोजना के एलान कर गइलन. लखनऊ से बरास्ता आजमगढ़ बलिया खातिर एगो छहलेना एक्सप्रेस बनावे के योजनो पर विचार चलत बा जवन कि देश के सबले बड़हन एक्सप्रेस होखी.
  • बियफे का दिने दिहल अमरीकी राष्ट्रपति बराक ओबामा के बयान पर केन्द्र के दू गो बड़का मंत्री – अरुण जेटली आ राजनाथ सिंह – कहलन कि ‘पथ से भटकाव’ कबो भारत के आपन सहिष्णुता के इतिहास के नुकसान ना चहुँपा सके आ धार्मिक सहिष्णुता के दुनिया भर में शानदार नमूना हवे भारत.
  • यूपी में गोकशी, यौन शोषण आ बाल श्रम के दोषियन पर गुण्डा एक्ट लगावे के प्रावधान वाला उत्तर प्रदेश गुंडा नियंत्रण अध्यादेश 2015 के संशोधन के शुक का दिने राज्यपाल के सहमति मिल गइल. अब गाय के गैरकानूनी तरीका से ढोवे भा तस्करी करे वालन पर गुण्डा एक्ट का तहत कार्रवाई होखी.
  • नीतीश कटारा हत्याकाण्ड के फैसला में शुक का दिने दिल्ली उच्च न्यायालय विकास यादव आ ओकरा चचेरा भाई विशाल यादव के तीस तीस साल जेल के सजा सुना दिहलसि. नीतीश कटारा विकास के बहिन के दोस्त रहुवे आ ओकर दोस्ती एहनी के बरदाश्त ना रहुवे.
  • सप्ताह के कारोबार का आखिरिओ दिने शुक के मुंबई शेयर बाजार में गिरावट के रुख बरकार रहल. सेंसेक्स 133 अंक आ निफ्टी 50 अंक गिर के बंद भइल.
  • आईसीसी विश्व कप टूर्नामेंट के उद्घाटन समारोह 12 फरवरी के न्यूजीलैंड के शहर क्राइस्टचर्च आ आस्ट्रेलिया के मेलबर्न में आयोजित कइल जाई.
  • कैमूर के मशहूर आ पुरान मंदिर से माता मुंडेश्वरी के गहना बियफे का रात में चोरा लिहल गइल बा. मामिला के जाँच करे खातिर पुलिस के डाॅग स्क्वाड बोलावल गइल बा आ मंदिर के बंद राख के श्रद्धालुअन से बाहरे से दर्शन पूजन करावे के निर्देश दिहले बिया पुलिस.
  • सारधा घोटाला के आँच अब अफसरानो के झँउसावल शुरु कर दिहले बावे. पहिला निशाना बनलन केन्द्री गृह सचिव अनिल गोस्वामी आ अब एगो बड़का आईपीएस अफसर समेत अनेके लोग निसान पर आ गइल बा.
  • बियफे रात बलिया पुलिस चित्तू पाण्डेय चौराहा पर एगो बाइक से जात दू गो बदमाशन के रोकलसि त पता चलल कि बाइक चोरी के ह. ओकनी का लगे से एगो तमंचो मिलल. दुनू बिहार के दरभंगा जिला के रहे वाला हउवें सँ. बाइक हल्दी इलाका से चोारावल रहुवे.
  • बहिन के आशिक के फँसावे का फेर में सारण जिला के इसुआपुर के एगो नवही मो़ सलीम इसुआपुर दरोगा के फोन क दिहलसि कि जल्दी से ट्रांसफर करा के चल जा ना त तोहरो हत्या हो जाई जइसन पिछला दरोगा संजय तिवारी के भइल रहुवे. अब पुलिस सही बात के पता लगावे में लागल बिया.
  • सारण जिला के दाउदपुर आ एकमा टीसन का बीच हेकाम गाँव का लगे चौदह बरीस के एगो लईका ट्रेन से कटा के मर गइल. लागत बा कि कुहा का चलते ओकरा लउकल ना आ तले ट्रेन आ गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up