खबर भोजपुरी में (सोमार, 29 दिसंबर 2014)

by | Dec 29, 2014 | 0 comments

(अतवार, 28 दिसंबर के खबर)
AirAsia-plane

  • इंडोनेशिया से सिंगापुर जाए का बीच राहे से गायब हो गइल एयर एशिया के विमान ए-320-200 के खोजे के काम खराब मौसम का चलते रोक देबे के पड़ल बा. एह विमान पर क्रू समेत 162 लोग सवार बा आ अनेसा जतावल जात बा कि खराब मौसम का चलते विमान कवनो हादसा के शिकार हो गइल बा. पूर्वी जावा के सुरबाया के जुआन्‍दा अंतरराष्‍ट्रीय हवाई अडडा से उड़ान भरला का एक घंटा बाद एकर संपर्क एयर ट्रैफिक कंट्रोल से टूट गइल. एह विमान में अधिका लोग इंडोनेशिया के बावे.
  • जम्‍मू कश्‍मीर में सरकार बनावे के राह अबहियों नइखे लउकत. कहे के त कहल जात बा कि पीडीपी गठबन्हन के सगरी विकल्प खुला रखले बिया बाकिर पेंच फँसत बा मुख्यमंत्री के धर्म, धारा 370 आ सेना हटावे ले के. इहो कहल जात बा कि पीडीपी के अधिका विधायक नइखन चाहत कि भाजपा संगे कवनो नाता जोड़ल जाव.
  • झारखण्‍ड के मुख्‍यमंत्री रघुवर दास के आजु अतवार का दिने मुख्यमंत्री पद के किरया धरा दिहल गइल. उनुका साथही चार गो मंत्रियो लोग मंत्री पद के किरिया लिहल. खराब मौसम का चलते पीएम मोदी आ भाजपा अध्यक्ष अमित शाह ना आ पवलन किरिया-धराई में. बाद में मंत्रिमंडल के पहिलका बइठक में राज्‍य सरकार के सगरी खाली पड़ल पद भरे के फैसला लिहल गइल. आ तय भइल कि स्‍टीफन मरांडी के विधानसभा के अस्‍थायी अध्‍यक्ष बना के झारखण्‍ड के चउथी विधानसभा के पहिला सत्र छह से नौ जनवरी ले बोलावल जाय.
  • दिल्‍ली विधानसभा चुनावो के माहौल कड़ाका शीतलहरी का बावजूद गरमाए लागल बा. आम आदमी पार्टी के संयोजक अरविन्‍द केजरीवाल जगहे जगह सभा करत बाड़न. आ आम आदमी पार्टी अपना 59 गो उम्‍मीदवारन के सूचीओ जारी क दिहले बिया. पिछला विधानसभा चुनाव में मिलल बड़हन हार का बाद कांग्रेसो उबरे के कोशिश में लागल बिया.
  • तेरह साल से चलल आवत अफगानिस्‍तान युद्ध के आज अतवार का दिने नेटो सेना औपचारिक रूप से खतम होखे के एलान कदिहलस. एह मौका पर तालिबानी हमला के खतरा देखत काबुल में एगो गोपनीय समारोह कइल गइल.
  • समूचा उत्‍तर भारत घन कुहा आ पाला का चपेट में बा. दिल्ली में अतवार का दिने एह मौसम के सबले ठंडा दिन रहल. एक हफ्ता ले मौसम अइसने रहे के अनेसा जतावल जात बा. उत्‍तर प्रदेश के पूर्वांचलो में कड़ाका के ठंड पड़त बा. बलिया में आजु भर दिन बिजलीओ ना रहल. राज्‍य में अबले नाहियो त 110 लोग मर चुकल बा ठंडा का चलते. कड़ाका के पाला का बीच बर्फीला हवा बहला से यूपी में कई जगहा हालात अउर बिगड़ गइल बा आ नाहियो त इकईस लोग के मरे के खबर बा. बिहारो मे शीतलहर के प्रकोप जारी बा आ मौसम विभाग के कहना बा कि ई सोमार ले चलत रही. दस बरीस में पहिला बेर पटना के तापमान 6॰ से नीचे गिरल बा. आपदा प्रबंधन विभाग सगरो अलाव जरावे ला 28 लाख रुपिया जारी कइले बा बाकिर कतहीं अलाव के व्यवस्था नइखे लउकत. बिहार में पाला से कम से कम सात लोग के मरे के खबर बा.
  • मेलबर्न में ऑस्‍ट्रेलिया के साथ तिसरका क्रिकेट टैस्‍ट मैच के तिसरका दिन के खेल खतम होखे का बेरा भारत आठ विकेट पर 462 रन बना के खेलत रहुवे.
  • जम्‍मू-कश्‍मीर में नया सरकार बनावे के समय-सीमा रोज घटल जात बा बाकिर तस्वीर साफ नइखे होखत. कांग्रेस आ नेशनल कॉन्‍फ्रेंस से मिलल बिना शर्त समर्थन पर पीपुल्‍स डेमोक्रेटिक पार्टी अबले कवनो संकेत नइखे दिहले. पीडीपी के बातचीत भाजपा से चलत बा. अतवार का दिने पीडीपी आ भाजपा के बोलवले बाड़न राज्‍यपाल एन.एन. वोरा जेहसे कि उनुका मालूम हो सके कि सरकार बनावे के कवन राह निकालल जात बा.
  • कॉग्रेस पार्टी अतवार का दिेने आपन 130वाँ स्थापना दिवस मनवलसि. मुख्यालय में अध्यक्षा सोनिया गाँधी गोल के झंडा फहरवली आ गोल के अनेके बड़का नेता मौजूद रहले. बाकिर गोल के उपाध्यक्ष राहुल गाँधी ना लउकलन.
  • सिख धर्म के दसवाँ गुरू श्री गुरू गोविन्द सिंह जी के 348 वाँ प्रकाशोत्सव आज देश भर में श्रद्धा भक्ति आ हँसी खुशी का साथ मनावल गइल. श्री गुरू गोविन्द सिंह जी के जनम
    साल 1666 में पटना में भइल रहे. प्रकाशोत्सव के मुख्य समारोह पटना के तख्तश्री हरिमंदिर साहिब में मनत बा. एगो योद्धा होखला का साथही गुरू गोवन्द सिंह जी कवि आ दार्शनिको रहनी आ खालसा पंथ के संरचना का साथे सिक्ख धर्म ला खास योगदान दिहले रहीं.
  • भाजपा नेता सुशील कुमार मोदी बिहार में लगातार खराब होखल जात कानून व्यवस्था पर चिंता जतावत कहले कि कानून का राज स्थापित करे के दावा करे वाली जदयू सरकार के नाकामी का चलते बिहार में जंगल राज तेजी से बढ़ल जात बा. दू दिन का भितरे राज्य में तीन गो रेलगाड़ियन में भइल डकैती एकर सुबूत बा.
  • राजगीर के किला मैदान में अतवार का दिने 15 दिन ले चले वाला राजगीर महोत्सव के शुरूआत हो गइल. पहिले ई मेला 3 दिन के होखत रहुवे बाकिर अबकी 15 दिन ले रही. मेला में तरह तरह के सांस्कृतिक कार्यक्रमन का साथही अबकी फैशन शो के आयोजनो होखे जात बा.
  • कैमूर जिला के दुर्गावती में पुलिस एगो वाहन चोर गिरोह के चार गो अपराधियन के एगो चोरावल जीप आ दू गो चोरावल मोटरसाइकिल समेत गिरफ्तार कर लिहलस.
  • पूर्वी चंपारण जिला के घोड़ााहन इलाका में दू सौ मोबाइल फोन आ 24 गो चांदी के पुरान सिक्का समेत छह गो अपराधियन के पुलिस गिरफ्तार क लिहलस.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे -
भा
सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up