खबर भोजपुरी में (सोमार, 3 नवंबर 2014)

by | Nov 4, 2014 | 0 comments

RailStateMinister-ManojKumar

  • जापान सरकार भारत के प्रधानमंत्री रहल मनमोहन सिंह के आपन माथ सम्मान से सम्मानित करी.
  • राष्ट्रीय एथलेटिक्स : कर्नाटक की धाविका एम. आर. पुवम्मा एथेलेटिक्स के 400 मीटर स्पर्धा में स्वर्ण पदक जीतली. 800 मीटर स्पर्धा में टिंटू लुका के स्वर्ण पदक मिलल. 100 मीटर स्पर्धा में रेलवे के पदक जीतले. एलआईसी के एथलीट अंकित शर्मा लमहर कूद स्वर्ण पदक जीतले. 400 मीटर स्पर्धा के पुरुष वर्ग के स्वर्ण पदक सर्विसेज के धावक कुन्हु मोहम्मद के मिलल.
  • राष्ट्रीय एथलेटिक्स के आयोजन के समय आ सुविधा के कमी पर नाराजगी जतवली पीटी उषा. कहली कि खिलाड़ियन के वाजिब सुविधा नइखे मिलत एह आयोजन में.
  • फुटबाल के सुपर लीग में पुणे एफसी सिटी टीम नार्थईस्ट युनाइटेड एफसी के 1 गोल से हरा दिहलसि. नार्थ इस्ट युनाईटेड कवनो गोल ना कर पावल.
  • भाजपा के पुरनिया नेता आ पितामह कहाए वाला कैलाशपति मिश्र के दुसरकी बरखी पर उनुका याद में पटना में ‘नमन’ नाम के कार्यक्रम के आयोजन भइल. एह मौका पर एगो डाक टिकटो जारी कइल गइल.
  • दिल्ली में कवनो पार्टी सरकार बनावे ला सामने ना आइल त उपराज्यपाल चुनाव करावे आ विधानसभा भंग करे के रिपोर्ट केन्द्र के भेज दिहले. अब दिल्ली के चुनाव के एलान जल्दिए क दिहल जाई.
  • सुरक्षा के खरच में कमी ले आवे का मकसद से उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव के मिलल एनएसजी सुरक्षा हटा लिहल गइल आ मुलायम सिंह यादवो के ‘जेड प्लस सुरक्षा’ में कमी क दिहला पर अखिलेश यादव कहलन कि ऊ बिना कवनो सुरक्षो के रह सकेलें. केन्द्र सरकार के चाहीं कि अखिलेश के इच्छा के आदर करत सगरी सुरक्षा हटा लेव.
  • मुलायम सिंह के एह बात के दुख बा कि घोटाला करे वाला लालू यादव आ जयललिता के सजा मिल जाता जबकि बड़का लोग बाँच जाता. उनुका राय से एह लोग के अइसन सजा दिहला के जरूरत ना रहुवे.
  • नेशनल हेराल्ड घोटाला का मामिला में दिल्ली उच्च न्यायालय कहलसि कि कांग्रेस अध्यक्ष सोनिया गांधी, उपाध्यक्ष राहुल गांधी समेत अउरिओ नेता लोग के निहोरा पर सुनवाई 2 दिसंबर के कइल जाई.
  • पाकिस्तान के वाघा बोर्डर का लगे भइल बम विस्फोट का बावजूद दिल्ली-लाहौर बस सेवा चलर रही. वाघा हमला में नाहियो त 60 लोग के जान चल गइल बा. आ 100 गो घवाहिलन के इलाज चलत बा.
  • कांग्रेस से अलगा होके ओकर तमिलनाडु के बरियार नेता जी के वासन नया पार्टी बनावे के एलान क दिहलन.
  • चार गो बागी जदयू विधायकन के विधायकी खतम करे के विधानसभा अध्यक्ष के आदेश का खिलाफ ऊ लोग उच्च न्यायालय में याचिका लगवले बा.
  • बालीवुड के मशहूर खलनायक सदाशिव अमरापुरकर के निधन से सभे मर्माहत बा.
  • शुरुआती ना नुकुर कइला का बाद समाजवादी पार्टी का ओर से राज्यसभा सांसदी ला आपन परचा दाखिल क दिहली. बाकिर आजम खाँ एह मौका पर मौजूद ना रहलन.
  • पूर्वी चंपारण जिला के चिरैया इलाका में सोमार का दिने पुलिस के एगो नाबालिग लड़की के आधा उघार लाश मिलल बा. पुलिस के अनेसा बा कि ओकर हत्या दुष्कर्म कइला का बाद क दिहल गइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up