जीरो लॉस थ्योरी के जनक टोटल लॉस का आमने सामने

by | Jun 1, 2016 | 0 comments

राज्यसभा चुनाव विधायकन का भरोसे होला आ एह चलते पहिलहीं से मालूम रहेला कि कवन भईंस कतना पानी में बिया. बिहार से त ओतने लोग परचा भरले बा जतना सीट बा आ एह चलते सभे जना निर्विरोध चुना जइहें.

बिहार से राज्यसभा के पांच गो सीट के चुनाव होखे वाला बा आ एहिजा से पांचे आदमी परचा भरला बा. राजद से लालू प्रसाद के बेटी मीसा भारती आ वकील राम जेठमलानी, जदयू से ओकर पूर्व राष्ट्रीय अध्यक्ष शरद यादव आ पार्टी के महासचिव आर.सी.पी. सिंह, अउर भाजपा से ओकर पूर्व प्रदेश अध्यक्ष गोपाल नारायण सिंह के चुनाइल अब तय हो गइल बा.

बाकिर यूपी में पेंच फँस गइल बा. एहिजा के 11 सीट के चुनाव होखे वाला बा आ 12 जने का परचा दाखिल भइल बा. पहिले एगारहे आदमी के चरचा रहुवा बाकिर गुजरात के एगो बिजनेस मैन के मेहरारू प्रीति मेहरोत्रा के परचा भर दीहला से सगरी हिसाब गड़बड़ा गइल बा आ घोटाला पर जीरो लॉस के थ्योरी के जनक कपिल सिब्बल के टोटल लॉस भेंटाए के अनेसा बन गइल बा. कांग्रेस के उमेद रहुवे कि एने ओने से मांग चुंग के कम पड़त पाँच गो वोट के जुगाड़ हो जाई बाकिर अब मामिला अझूरा गइल बा. सपा का लगे 229 गो विधायक बाड़ें जबकि ओकर जरुरत 238 वोट के बा सात लोग के जितावे खातिर. बसपा में भितरघात ना होखे त ऊ आपन दुनू उमीदवार जितवा ली. भाजपा का लगे 41 गो वोट बा आ ओकर बाँचल वोट अब प्रीति के मिल जाई.

अब कपिल केने से जुगाड़ करीहें से देखे जोग रही.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up