टटका खबर, (अतवार, 15 मार्च 2015)

by | Mar 15, 2015 | 0 comments

(शनिचर, 14 मार्च के खबर)

  • श्रीलंका में आपसी लड़ाई से तबाह बरबाद जाफना में बेआसरा हो गइल परिवारन खातिर भारत के सहजोग से बनावल 27 हजार मकान के सँउपलन भारत के पीएम नरेन्द्र मोदी. कहलन कि ई काम दुखी परिवारन के दुख-दर्द में शरीक होखे के, ओह लोग के मदद करे के एगो आदरप्यार भरल कोशिश ह भारत का तरफ से.
  • श्रीलंका गइल पीएम मोदी अनुराधापुरा जाएवाला पहिलका भारतीय प्रधानमंत्री हो गइलन. एहिजा सम्राट अशोक का तरफ से भेजल बोधिवृक्ष के टहनी से बढ़ के बनल बोधिवृक्ष बा. एही के टहनी ले आ के बोधगया में मौजूदा बोधवृक्ष लगावल गइल रहे जब एहिजा वाला बोधिवृक्ष ठनका गिरला से खतम हो गइल रहे.
  • पहिले लगावल जात अंदाज से उलट सुरेश भईयाजी जोशी के फेरू तीन बरीस ला राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ के सरकार्यवाह चुन लिहल गइल. उनका के एह पद पर तिसरका बेर चुनल गइल बा. संघ में संघचालक का बाद सरकार्यवाह सबले बड़का पद होला. संघ के प्रतिनिधि सभा में मोदी सरकार के कामकाज पर संतोष जतावल गइल आ उमेद कइल गइल पहिला बेर भारतीयता के तरजीह बाली सरकार से देश भारतीयता का राह पर तेजी से आगे बढ़ी.
  • लंदन के पार्लियामेंट स्क्वायर में ब्रिटेन के प्रधानमंत्री डेविड कैमरन आ भारत के वित्‍त मंत्री अरूण जेटली मिल के महात्‍मा गांधी के कांस्‍य प्रतिमा के परदा हटवलें.
  • शनिचर का दिने ऑकलैण्‍ड में भइल विश्वकप मैच में भारत जिम्‍बाब्‍वे के छह विकेट से हरा के आपन विजय अभियान जारी रखलसि महज 92 रन पर चार विकेट गँववला का बाद कुछ देर ला लागल कि भारत मैच गँवा सकेला बाकिर बाद में सुरेश रैना के नाबाद 110 आ कप्तान महेंद्र सिंह धोनी के नाबाद 85 रन के पारी का मदद से जीत खातिर 288 रन के लक्ष्य 48 ओवर चार गेंद में पार कर लिहलसि भारत के टीम.
  • केन्द्र के नयका भूमि अधिग्रहण विधेयक का खिलाफ बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार एसी हाँल में चौबिस घंटा के अनशन पर बइठले. विधेयक में व्यवस्था बा कि अगर पाँच बरीस का भीतर परियोजना के शुरुआत ना भइल त लिहल जमीन किसान का लगे वापिस चल जाई. नीतीश कुमार के एहू पर विरोध बा.
  • रोहतास जिला के नौहट्टा इलाका के चुनहट्टा गांव से कट्टर नक्सली ललन सिंह के विस्फोटक सामान का साथे पुलिस गिरफ्तार कर लिहलसि.
  • छपरा-थावे रेलखंड पर पहली अप्रैल से रेलगाड़ियन के चलावल बंद क दिहल जाई. एह लाईन के बड़ी लाईन में बदले के काम शुरू होखे जात बा.
  • राहुल के घर पर रुटीन जाँच खातिर पुलिस के गइला पर कांग्रेसी भड़क गइल बाड़े. जान जाईं कि तीन हफ्ता से बेसी समय से राहुल के कवनो अता पता नइखे. केहू नइखे जानत भा बतावत कि राहुल कहाँ बाड़न आ कब ले लवटिहें. एही तरह पिछला दस दिन से रूस के राष्ट्रपति पुतिनो लापता बाड़न. रुस के सरकारो कुछ नइखे बतावत उनुका बारे में आ कांग्रेेसो नइखे बतावत राहुल का बारे में. एह चलते तरह तरह के अफवाह पसरे लागल बा.
  • अपना मुस्लिम प्रेमी होखे के इमेज सुधारे का कोशिश में यूपी के सपा सरकार अब कुछ पुरनियन के तीर्थयात्रा पर ले गइल बिया. एह मौका पर मुख्यमंत्री अखिलेश यादव दावा कइलन कि कवनो दोसरा सरकार का मुकाबले उनकर सरकार बेसी धार्मिक काम कइले बिया.
  • पश्चिम बंगाल के नदिया जिला के एगो कान्वेंट में डकैती डाले वाला डकैतन पर ओहिजा के एगो सत्तर बरीस के नन संगे सामूहिक बलात्कार करे के आरोपो लगावल गइल बा. ममता बनर्जी कहले बाड़ी कि एह निंदाजोग काम के पुलिस पूरा तहकीकात करी आ दोषियन का खिलाफ कार्रवाई होखी.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up