टटका खबर (अतवार, 16 अगस्त 2015, देश दुनिया)

by | Aug 16, 2015 | 0 comments

आबूधाबी के क्राउन प्रिंस आ भारत के प्रधानमंत्री

आबूधाबी के क्राउन प्रिंस आ भारत के प्रधानमंत्री

  • यूएई के दौरा पर चहुँपल प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अतवार का दिने अबू धाबी में बनल दुनिया के सबले बड़हन आ शानदार शेख जायद मस्जिद चहुँपले त ओहिजा हजारन हजार लोग के भीड़ उनका स्वागत में मौजूद रहुवे. पीएम मोदी पहिला बेर कवनो मस्जिद में चहुँपल रहले आजु. यूएई सरकारो उनका स्वागत में कवनो कोर कसर ना छोड़लसि. एह यात्रा से मोदी दाउद इब्राहिम के बिजनेस पर लगाम लगावे में सफल होखीहें एह बात के उमेद जतावल जात बा. आतंकी दाउद के धंधा पर अंकुश लाग जाव त ऊ कतहीं रहो छटपटा के मर जाई.
  • एने पाकिस्तान पिछला आठ दिन से जम्मू -कश्मीर में नियंत्रण रेखा आ सीमा ओह पार से भारी गोलाबारी जारी रखले बावे जवना चलते नाहियो त आधा दर्जन भारतीय नागरिकन के जान चल गइल बा. भारत सरकार आजु पाकिस्तानी उच्चायुक्त के बोला के आपन विरोध जतवलसि बाकिर उच्चायुक्तो महाबेयहा का तरह उल्टे भारते पर दोस लगावत बयान दिहलसि कि भारत एह बीच 73 बेर सीजफायर के लंघले बा.
  • पाकिस्तान के आपने पोसल आतंकी आजु अतवार का दिने पाकिस्तानी पंजाब के अटक जिला में गृहमंत्री शुजा खानजादा के पैतृक आवास पर फिदायिन हमला क के उनका साथही करीब एक दर्जन अउरीओ लोग के जान ले लिहलसि. अनेके लोग घवाहिलो भइल बा. बाकिर पाकिस्तान के आँख खुले वाला नइखे आ ऊ आतंकियन के पोसे पाले से बाज नइखे आवे वाला. एह से पाकिस्तान से सहानुभूति ना ओकरा लाचारी पर दया आवत बा.
  • पता ना ओह इलाका में का बात बा कि आए दिन कवनो ना कवनो हवाई जहाज लापता होखत रहत बा. अतवार का दिने इंडोनेशिया के एगो हवाई जहाज 54 गो यात्री आ चालक दल समेत लोग के लिहले पापुआ से लापता हो गइल बा. वइसे पापुआ में एह जहाज के मलवा मिले के बात कहल जात बा बाकिर अबहीं एकर पुष्टि नइखे भइल.
  • देश के मुस्लिम राजनीति के नयका दावेदार सेकूलर राजनीति करे वालन का छाती पर मूंग दलत नया नया जगहा आपना डेग बढ़वले जात बा. आजु एमआईएम अध्यक्ष असदुद्दीन ओवैसी बिहार में आपन पहिला रैली किशनगंज में कइलन आ हजारो लोग का भीड़ का सोझा अपना चुनावी भाषण में पीएम मोदी समेत मुस्लिम वोट के दावेदार बने वाला लालू प्रसाद आ नीतीशो कुमार पर निशाना सधलन.
  • सीरिया के लड़ाकू विमान अतवार का दिने राजधानी दमिश्क का लगे विद्रोहियन के कब्जा वाले एगो इलाका पर हवाई हमला कइले स जवना से नाहियो त 82 लोग के मरे आ 200 से अधिका लोग के घवाहिल होखे के खबर बा.
  • कांग्रेस आ ओकरा चाटुकार मीडिया के बेलगाम कोशिश का बादो व्यापम घोटाला के बात मध्यप्रदेश के जनता के भरमावे में फेल हो गइल आ ओहिजा के स्थानीय चुनाव में सगरी जगहा से भाजपा के शानदार जीत मिलल बा. पता ना एह जीत से दिग्विजय सिंह के कतना सदमा लागल, भा लागबो कइल कि ना.
  • जइसे को तइसा मिले मिले, सोम को सोम, दानी को दानी मिले … वाला कहाउत के साँच करत आजु सुप्रीम कोर्ट के जस्टिस रहल मार्कडेय काटजू केजरीवालो के स्टाइल में उनका के जनमदिन के बधाई दिहलन. काटजू कहलन कि, “मैं धूर्त, शातिर और धोखेबाज केजरीवाल को बर्थडे की बधाई देता हूं, जिन्होंने दिल्ली के लोगों को सपने बेचे हैं.” अतने पर ना रुकले काटजू आ केजरीवाल के चापलूसन से घेराइल तानाशाह कह दिहलन. आशुतोष के केजरीवाल के सबले बड़का चम्मच बतवले बाड़न काटजू.
  • राकांपा नेता तारिक अनवर के कहना बा कि लालू आ नीतीश के महागठबन्हन कवनो मुसलमान चेहरा नइखे देखल चाहत आ ई लोग हमेशा से मुसलमानन के दबावे के काम करत आइल बा. काहे कि एह लोग के लागेला कि मुसलमानन के जाए लायक कवनो दोसर गोल नइखे आ हारथाक के एही लोग लगे चहुँपिहें.
  • केन्द्र सरकार कानून बनावे जात बिया जवना का बाद लोग अपना घर में नौकर दाई राखे से पहिले नौ हजार बेर सोची. काहे कि पूरा समय काम करे वालन के अब कम से कम नौ हजार रुपिया महीना के तनखाह देबे का साथे साथ ओह लोग 15 दिन के तनखाह का साथे छुट्टी, मैटरनिटी लीव वगैरहो देबे के पड़ी आ श्रम कानून के पालन करे के पड़ी.
  • पीएम मोदी कहलन कि 1000 दिन में देश के 18000 गाँवन में बिजली चहुँपा दीहल जाई त बिहार के मुख्‍यमंत्री नीतीशो कुमार एलान कर दिहलन कि अगिला साल नवंबर से पहिले बिहार के सगरी गाँवन के बिजली चहुँपा दीहल जाई. नीतीश के बढ़िया से मालूम बा कि तबले उनका रहहीं के नइखे एह से कवनो एलान बहुते आसानी से कर सकेलें. बाद में जे सरकार बनाई से ओकरा के पूरा करत रहो.
  • बिहार के राज्यपाल का रूप में आजु रामनाथ कोविंद के किरिया धरा दिहलन हाई कोर्ट के कार्यकारी मुख्य न्यायाधीश एकबाल अहमद अंसारी. नौ महीना का बाद बिहार के पूरा समय वाला राज्यपाल मिलल बा. एह मौका पर मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आ उनकर मंत्रियन का अलावे. विधान परिषद सभापति अवधेश नारायण सिंह, विधान सभा अध्यक्ष उदय नारायण चौधरी, झारखंड विधानसभा अध्यक्ष दिनेश उरांव, पंजाब विधानसभा अध्यक्ष चरणजीत सिंह अटवाल, विधान परिषद में नेता प्रतिपक्ष सुशील कुमार मोदी आ विधानसभा में नेता प्रतिपक्ष नंदकिशोर यादव समेत अनेके खासमखास लोग मौजूद रहुवे.
  • सीट ले के एनडीए का भीतर ताकत आजमाइश के दौर चलत बा. राष्ट्रीय लोक समता पार्टी के अध्यक्ष आ केंद्र सरकार में मंत्री उपेंद्र कुशवाहा के कहना बा कि भाजपा 102 सीट से लड़े आ बाकी सीट सहयोगियन ला छोड़ देव. काहे कि पिछला चुनाव में ऊ अतने सीट से लड़ल रहुवे नीतीश से गठबन्हन बना के. कुशवाहा के अपना पार्टी ला 67 सीट चाहीं.
  • राष्ट्रीय जनता दल के वरिष्ठ नेता रघुवंश प्रसाद सिंह ने जदयू पर गठबंधन धर्म छोड़े के बात कहत आपन नाराजगी जतवलन आ कहलन कि आपसी मेलजोल के कमी का चलते एह महागठबन्हन के औकात नइखे कि एनडीए के चुनौती दे सको. कहलन कि सीट बँटवारा में कवनो मानक नइखे मानल गइल आ मनमानी से फैसला क लीहल बा.
  • सारण जिला के भरपुरा गांव में अतवार का भोरे डकैत एगो होटल मालिक का घर से पाँच लाख रुपिया के संपति लूट ले गइले.
  • अतवार का दिने साइना नेहवाल जकार्ता में होखत विश्व बैडमिंटन चैंपियनशिप के फाइनल में स्‍पेन के कैरोलिना मारिन से हार गइली. बाकिर तबहियो एह चैंपियनशिप में रजत पदक जीतेवाला पहिला भारतीय बैडमिंटन खिलाड़ी बन गइली साइना नेहवाल. विश्‍व चैंपियनशिप में खेले उनकर ई छटवां मौका रहुवे.
  • ओने पोलैंड में दीपिका कुमारी आ मंगल सिंह चंपिया के भारतीय मिक्‍स्‍ड डबल्‍स टीम तीरंदाजी विश्व कप के तीसरा दौर में रजत पदक जीतलस. फाइनल में भारतीय जोड़ी मैक्सिको के आइदा रोमन आ जुआन रेने सेरानो से हार गइल.
  • टेनिस में सानिया मिर्जा आ मार्टिना हिंगिस के जोड़ी कनाडा ओपन टेनिस टूर्नामेंट के सेमीफाइनल में हार गइल. एह माथ जोड़ी के फ्रांस के कैरोलिन गार्सिया आ कैटरिना श्रेबोतनिक के जोड़ी हरा दिहलसि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up