टटका खबर : अतवार, 2 अगस्त 2015 (अबेर)

by | Aug 3, 2015 | 0 comments

    1 अगस्त का दिने वाराणसी के मानमहल मंदिर में टूरिज्म प्रदर्शनी के उद्घाटन करत केन्द्र में संस्कृति राज्यमंत्री डा. महेश शर्मा

    1 अगस्त का दिने वाराणसी के मानमहल मंदिर में टूरिज्म प्रदर्शनी के उद्घाटन करत केन्द्र में संस्कृति राज्यमंत्री डा. महेश शर्मा

  • अझुराइल संसद के सरिहावे के कोशिश में पलीता लगावे का कोशिश में कांग्रेस अतवारे से लाग गइल. काल्हु सोमार का दिने पहिले सोनिया अपना गोल के बइठक क के आपन राय बतइहें जवना का बाद कांग्रेस तय करी कि सगरी गोल के बइठक में शामिल होखे कि ना. कांग्रेस अबहियों जिदियाइल बिया कि बिना इस्तीफा दिअवले सरकार से कवनो चरचा ना होखी जबकि भाजपा के कहना बा विपक्ष बिघिन डाले वाला रवैया अपना लिहले बावे जवन देश खातिर नुकसानदेह साबित होखत बा.
  • यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव चाहत बाड़न कि भारतीय लघु उद्योग विकास बैंक (सिडबी) के मुख्यालय लखनउए में बना दीहल जाव जेहसे यूपी आ अगल बगल के राज्यन में लघु उद्योग लगावे में सहुलियत होखो. एह बाबत ऊ एगो चिट्ठी लिखले बाड़न पीएम मोदी का लगे. लिखले बाड़न कि सिडबी के जवन विभाग मुंबई चल गइल बा तवनियो के लखनऊ वापिस ले आवल जाव आ एकरा प्रबन्ध निर्देशको के कार्यालय एहिजे राखल जाव.
  • बिहार विधानसभा चुनाव के तइयारी में लागल चुनाव आयोग के दौरा 7 आ 8 अगस्त के होखे जा रहल बा. मुख्य चुनाव आयुक्त के दल बिहार दौरा पर आवे वाला बा आ पटना का साथही मुजफ्फरपुर आ भागलोपुर के दौरा कर सकेला आ राजनीतिक गोलन से बतिया के चुनाव के रुपरेखा बनावे के काम करी. कहल जात बा कि तारीख के एलान अगस्ते महीना में कइल जा सकेला. दिवाली आ छठ पर्व देखत चुनाव ओकरा पहिलहीं खतम कर लेबे के प्लान बा चुनाव आयोग के.
  • बिहारी बाबू के बकर बकर के कारण खोजे में लागल लोग के कहना बा कि ऊ चाहत बाड़न कि उनुका मेहरारू पूनम सिन्हा के विधानसभा चुनाव के टिकट दीहल जाव. बिहारी बाबू के लालसा देखत जदयू उनुका सोझा दाना फेंके में लागल बा काहे कि भाजपा में उनुकर साध पूरा होखे के कवनो उमेद नइखे.
  • मानसून का चलते देश का बाकी हिस्सा में भलही बाढ़ का चलते जनजीवन परेशान बा बाकिर उत्तर प्रदेश में काम लायक बरखा ना होखला का चलते कुछ इलाकन में सूखा त कुछ इलाकन में बाढ़ के बिपदा आवे के अनेसा बन गइल बा. गुजरात में बरखा का चलते पचास से अधिका लोग मरल बा आ ओकरा सबले बेसी नुकसान भइल बा. पश्चिम बंगाल में 48 लोग के मरे के खबर बा. हिमाचल प्रदेश आ उत्‍तराखंड में जमीन धँसला आ पहाड़ खसकला का चलते कई जगह रास्ता बन्द हो गइल बा. राजस्थानो में बहुते नुकसान भइल बा आ यूपी आ बिहारो में अनेके नदियन में पानी उफान मारत बा आ कई जगहा खतरा का निशान से उपर बहत बाड़ी सँ नदी. मणिपुर के पाँच गो जिला में बहुते तबाही होखे के खबर बा.
  • पटना-मुम्बई सुविधा एक्सप्रेस अब हप्ता में दू दिन चलावल जाई. एह ट्रेन के पटना से अतवार आ बुध का दिने आ मुंबई से मंगल आ शुक का दिने चलावल जाई. अब एकरा में स्लीपरो कोच लगावल जाई.
  • सासाराम जिले के शिक्षा विभाग के जिला कार्यक्रम पदाधिकारी, स्थापना कार्यालय में अतवार का सबेरे आग लाग गइल जवना से बहुते कागजात जर के राख हो गइल बा. पुलिस के कहना बा कि अबले पता नइखे चलल कि आग लागल कइसे.
  • पटना के शास्त्री नगर थाना क्षेत्र के हनुमान मंदिर का लगे से पुलिस गोरखपुर निवासी एगो अपराधी के असलहा का साथे गिरफ्तार कर लिहले बियाा.
  • मुंबई क्रिकेट एसोसिएशन अभिनेता शाहरुख खान पर वानखेड़े स्टेडियम में घुसे पर लगावल रोक हटा लिहलसि. उनुका पर पाँच बरीस खातिर रोक लगावल गइल रहुवे काहे कि आपन हनक बनावे खातिर साल 2012 में ऊ ओहिजा के कर्मचारियन आ सुरक्षा में लागल लोग से अझुरा गइल रहलन. बाकिर बाद में शाहरुख के नीमन बेवहार से खुश हो के एसोसिएशन उनुका पर लगावल रोक समय से कई बरीस पहिलहीं हटा लिहले बावे.
  • भारत के जोशना चिनप्‍पा विक्‍टोरिया ओपन स्‍क्‍वाश टूर्नामेंट मेलबर्न में खेलल फाइनल में डेनमार्क के लाइन हैनसेन के हराके खिताब हासिल क लिहली. ओने भारतीय महिला टीम डेनमार्क के कोपनहेगन में होखत विश्‍व तीरंदाजी चैंपियनशिप में रजत पदक हासिल कइलसि जब ओकरा के फाइनल मुकाबला में रुस के टीम हरा दिहलसि.
  • भूमि अधिग्रहण विधेयक पर विचार करत संसद के तीस सदस्‍यन वाली संयुक्‍त समिति फेरू आपन रिपोर्ट समय पर ना दे पाई आ एह चलते लोकसभा में फेरू निहोरा करी कि ओकरा के सात अगस्त तक के समय दीहल जाव.
  • दुनिया के बाजार मे कच्चा तेल के गिरत दाम के फायदा देश के लोग के नइखे मिल पावत काहे कि एहिजा ओकरा पर बहुते टैक्स लाद दीहल गइल बा. एगो हिसाब लगा के बतावल गइल बा कि इंडियन आयल कंपनी रिफाइनरी से 29.41 रुपिया हर लीटर के दाम देके खरीदेले आ अपना डीलरन के 31.82 रुपिया का हिसाब से दे देले. बाकिर ओहिजा इहे तेल लगातार गिरावट का बादो 66.47 रुपिया से अधिका पड़त. राज्यो सरकार ना चाहऽ सँ कि एह दुधारु गाय के बिसुके दीहल जाव.
  • पाकिस्तान के प्रधानमंत्री नवाज शरीफ के परिवार समेत मारे के योजना अतवार का दिने सफल ना हो सकल. उनुका काफिला में अचके में एगो कार घुस आइल आ शरीफ वाली कार के टक्कर मारे के कोशिश कइलसि बाकिर सुरक्षा वाले एकरा के विफल करा दिहलें आ ड्राइवर के गिरफ्तार क के ओकरा से पूछताछ होखत बा. ओह गाड़ी के नंबर प्लेट फर्जी मिलल बा.
  • आजादी का समय हिन्दुस्तान छोड़ के अपना मजहबी मुल्क पाकिस्तान जाए वाला लोग के आजु ले पाकिस्तान में इज्जत ना मिलल आ ओह लोग के रोजे कवनो ना कवनो मुसीबत झेले के पड़ेला. बाकिर एकरो दोष ई मुहाजिर हिन्दुस्ताने पर लगावत बाड़े कि हिन्दुस्तान ओह लोग के बचावे नइखे आवत. अरे, जब हिन्दुस्तान छोड़ के पाकिस्तान जात रहलऽ तहिया ना सोचलऽ कि हिन्दुस्तान तोहर देश ह त अब हिन्दुस्तान के का पड़ल बा कि तोहरा लोग के फटला में आपन गोड़ फँसावे! जस करनी तस भोगहु तापा, नरक जात नर क्यों पछताता!
  • अतवार का दिने पाकिस्तान अपना जेल में बंद तीन गो नाबालिग समेत 163 गो मछुआरन के रिहा क दिहलसि. एह लोग के सोमार का दिने बाघा सीमा पर हिन्दुस्तान के सँउप दीहल जाई. एकरा के पिछला दिने रुस का उफा में भइल बातचीत का चलते भइल बतावल जात बा.
  • बरखा आ बाढ़ का चलते पाकिस्तानो से तबाही के खबर बा आ ओहिजा 109 लोग के जान जाए के खबर बा. एने म्यांमार के चार इलाका में बाढ़ का चलते आपात स्थिति के एलान हो गइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up