टटका खबर : अतवार, 2 अगस्त 2015 (सबेर)

by | Aug 2, 2015 | 0 comments

  • Feroze_Varun_Gandhiभाजपा सरकार में पद ना मिलला से कुछ लोग के पादे के आदत पड़ गइल बा आ गाहे बगाहे कुछ ना कुछ बोकरत रहेला लोग. आतंकी याकूब के खुलेआम पैरवी करे वाला बिहारी बाबू का बाद अब यूपी के वरुण बाबू सामने आइल बाड़न. वरुण के कहना बा कि अधिका फाँसी गरीबे आ मुसलमानन के दीहल जाला. जबकि सचाई इहे बा कि हिन्दुस्तान में होखेवाला फाँसी के सजा में मुसलमानन के गिनती बहुते कम बा. बमु्श्किल सौ में एकाध गो. बाकिर ओही एकाध गो मुसलमान अपराधियन के मिले वाला सजाय पर अतना बवाल काट देलें सेकूलर कीड़ा कि लागेला कि मुसलमानन का साथे अन्याय होखत बा.
  • मुस्लिम फिरकापरस्ती के राजनीति करे वाला असदुद्दीन ओवैसी सवाल कइले बाड़न कि पता ना कइसे सलमान खान के तुरते जमानत मिल जाले जबकि हजारो बेगुनाह जेल में सड़त बाड़े. ओवैसौ साध्वी प्रज्ञा ठाकुर जइसन लोग के बात ना करत रहलें जिनका पर अतना बरीस बितला का बादो कवनो चार्ज शीट जमा नइखे कर सकल पुलिस आ कैंसरो से पीड़ित बाड़ी बाकिर जमानत नइखे मिलत उनुका. प्रज्ञा ठाकुर के पिता का मौतो पर जमानत ना दीहल गइल एह न्याय व्यवस्था से. ओवैसी त मुसलमानन के बात करत रहलें. ओवैसी के दावा कि मुसलमान भाजपा के ना त कबो वोट दिहलसि ना कबो दीहि. कहलन कि हज के सब्सिडी बंद क के मुसलमान लड़िकियन के दीहल जाव. हज सबसिडी के फायदा त एयर इण्डिया उठावेले.
  • देश में सेकूलर कीड़ा के काटल लोग याकूब मेमन के फाँसी पड़ला से बहुते बेचैन हो गइल. एही वेदना में सुप्रीम कोर्ट के एगो डिप्टी रजिस्ट्रार याकूब के फाँसी के फैसला से नाराजगी जतावत इस्तीफा दे दिहले बाड़न. भगवान करसु कि आतंकियन से मोह राखे वाला लोग एह डिप्टी रजिस्ट्रार प्रो. अनूप सुरेनन्द्र नाथ के उदाहरण के अनुसरण करत न्यायपालिका से इस्तीफा दे देसु जेहसे न्याय प्रणाली में देशभक्त आ संविधान के अनुपालन करे वाला लोगे रहि जाव.
  • सारण जिला के तरैया इलाका के गंडार गाँव का नियरा एगो बस बालू आ लाद के आवत ट्रक का बीच शुक का दुपहरिया सीधा टक्कर हो गइल जवना चलते बस चालक आ एगो महिला सवारी के मौत हो गइल.
  • सारण जिला के दिघवारा के उनहचक के एगो लफंगा स्कूल से लवटत छह बरीस के एगो बच्ची संगे कुकर्म करे के कोशिश करत घरी बच्चिया के चिचियाइल सुन के दउड़ल लोग पकड़ लीहल आ जम के धुनाई क के पुलिस के दे दीहल.
  • मढ़ौरा ‎इलाका के जोघौली गाँव का सोझा स्टेट हाईवे पर शनिचर के रात एगो गाड़ी एगो आदमी के कचारत भाग गइल जवना से ओह आदमी के मौत ठाँवे पर हो गइल. ना त केहु धक्का मारत देखल ना केहु ओह आदमी के पहचानत बा. पुलिस लाश के पोस्टमार्टम खातिर भेज के केस दर्ज क लिहले बिया.
  • तीन गो वोट से मौजूदा अध्यक्ष आ उपाध्यक्ष के हरा के उर्मिला देवी परसा नगर पंचायत के अध्यक्ष आ सत्येन्द्र कुमार उपाध्यक्ष बन गइलन. सदर अनुमंडल अधिकारी का कार्यालय में शनिचर का दिने ई वोटिंग करावल गइल. जीतला का बाद जब एह लोग के समर्थक जुलूस निकालल त विरोधियन से भिड़न्त हो गइल आ कई जने घवाहिल हो गइलन.
  • छपरा के जयप्रकाश विश्वविद्यालय कमाल कइले बा. एकरा कइगो काॅलेजन में कई विषय के शिक्षके नइखन तबहियों ओहू काॅलेजन में ओह विषयन के पढावल जारी बा आ विद्यार्थी ‘पढ़’ के पासो होखत जात बाड़ें. अब अतना मेधावी विद्यार्थी जँहे जइहें जेपी विश्वविद्यालय के नाम चमकइबे नू करीहें!
  • सीआईएसएफ के बहाली खातिर होखत दौड़ में अपना जगहा दोसरा के दउड़ावे का आरोप में पुलिस मिर्जापुर के कलना दुबे गाँव से आकाश के गिरफ्तार कर लिहले बिया. आकाश अपना जगहा पइसा दे के अबरार अहमद के दउड़वले रहुवे. एह फर्जीवाड़ा में अबरारो धरा गइल आ बतवलसि कि ऊ एगो अउर लड़िका का नाम पर दउड़ चुकल बा. पुलिस अब इलाहाबाद के घूरपुर के राजेशो यादव के खोजत बिया गिरफ्तार करे ला.
  • बलिया शहर में नेशनल हाईवे के जमीन दखलिया के सड़क पातर कर देबे वालन पर काल्हु जेसीबी मशीन चलल आ चित्तू पांडे चौराहा से ले के कदम चौराहा ले उतरवारा तरफ के अवरोध साफ कइल गइल. एकाध जगहा गाछो उखाड़े के पड़ल. गाजीपुर से हाजीपुर ले जाए वाला एह हाईवे के चार लेन वाला बनावे के योजना बा बाकिर एह अतिक्रमण करे वालन का चलते रुकावट आवत बा.
  • बलिया के रामगढ़ में गायघाट पर गंगा नदी खतरा के निशान से 21 सेंटीमीटर उपर बहे लागल बाड़ी जवना चलते नदी किनार पर निचला इलाकन में बाढ़ के पानी घुसल शुरु क देले बा. गंगा का साथही घाघरो नदी खतरा के निशान छूए खातिर बेचैन हो गइल बा आ एकर पानी जयप्रकाश नगर के अठगांवा ढाला ले चहुँप गइल बा.
  • फर्जी पहचान बना के चालू सिम बेचे वाला एगो गिरोह के शनिचर का दिने मऊ जिला के चिरैयाकोट पुलिस रंगे हाथ गिरफ्तार कर लिहलसि. एकनी का लगे से 36 तरह के मुहर आ 122 गो फर्जी पहचान पत्र मिलल जवना का आधार पर बनावल 310 गो चालू सिमो बरामद भइल बा.
  • बलिया जिला अस्पताल के नयका बनल इमरजेन्सी भवन में शनिचर का दिन से कामकाज शुरु हो गइल. एह मौका पर यूपी के कैबिनेट मंत्री आ बलिया सदर विधायक नारद राय आपन ब्लड प्रेसर जचवाँ के एकर उद्घाटन कइलन. एह मौका पर सीएमओ डा. पी के सिंहो मौजूद रहलन.
  • वाराणसी के लोहता में एगो एगो हिस्ट्रीशीटर अपराधी रवि यादव गोलू के गोली मारल लाश शुक का रात में पुलिस बरामद कइलसि. एह हत्या खातिर रवि यादव के भाई कुछ दोसरा हिस्ट्रीशीटरन का खिलाफ नामजद एफआईआर लिखवले बाड़न. रवि यादव का खिलाफ डेढ़ दर्जन मुकदमा दर्ज बा थानन पर.
  • सेंसर बोर्ड गारियन के लिस्ट वापिस ले लिहलसि. कुछ लोग के एह पर विरोध रहुवे कि गारी गुप्ता ना रहला से सिनेमा के अभिव्यक्ति पर चोट चहुँपत बा. साथही इहो तय भइल कि बाकायदा शुल्क ले के फिलिमन के जल्दी से पास करे के सुविधो दीहल जाव.
  • सुप्रीम कोर्ट अपना एगो फैसला में कहलसि कि केहू के मर गइला का बाद ओकरा पर बकाया टैक्स के वसूली ना कइल जा सके काहे कि टैक्स जीयत आदमी पर लगावल जाला मुअल मनई पर ना. एह खातिर एक्साइज कानून में कवनो व्यवस्थो नइखे कइल गइल. आयकर कानून में एह तरह के व्यवस्था बा कि बकाया कर संपति के वारिसन से वसूलल जाई.
  • जरूरत से अधिका चीनी के भंडार बनला का चलते चीनी के दाम बहुते घट गइला से चीनी मिल आ गन्ना किसानन के होखे वाला नुकसान से बचावे खातिर प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी चीनी के निर्यात कइला के ज़रूरत बतवले बाड़न.
  • डेनमार्क का कोपनहेगन में विश्व तीरंदाज़ी चैम्पियनशिप में भारतीय खिलाड़ी पदक जीतल शुरु क दिहले बाड़न. रजत चौहान कम्पाउंड स्पर्धा में रजत पदक जीत लिहलन.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up