टटका खबर (अतवार, 23 अगस्त 2015)

by | Aug 23, 2015 | 0 comments

  • सुरक्षा सलाहकारन का बीच के बातचीत पाकिस्तान का तरफ से रद्द भइला पर निराशा जतावत गृहमंत्री राजनाथ सिंह कहलन कि अगर पाकिस्तान के काश्मीर मुद्दा उठावे के शौक रहुवे त ऊफा में काहे ना उठवलसि. राजनाथ सिंह इहो कहलन कि आगे के बातचीत अब पाकिस्तान का उपर बा कि ऊ बतियावल चाहत बा कि ना. भारत ओकरा से काश्मीर मुद्दा पर तबले बात ना करी जबले आतंक के मसला हल नइखे हो जात.
  • ओने पाकिस्तान में डोभाल के दहशत अइसन बा कि आजु पाकिस्तानी सेना कुख्यात आतंकी दाउद के अपना सुरक्षित ठिकाना पर चहुँपा दिहलसि काहे कि दाउद के पुरनका ठिकाना सब भारत के जानकारी में आ गइल बा.
  • जम्‍मू-कश्‍मीर के श्रीनगर के हैदरपोरा में अलगाववादी सैयद अली गिलानी के समर्थकन के पुलिस साथे जम के झड़प हो गइल. ई लोग गिलानी के पार्टी तहरीक-ए-हुर्रियत के स्‍थापना दिवस मनावे का नाम पर गिलानी का घरे बिटोराए चाहत रहुवे. ओने कुपवाड़ा जिला के हंदवाड़ा इलाका में सुरक्षाबल एगो मुठभेड़ में तीन गो आतंकवादियन के मार गिरवले.
  • पटेल के कहना बा कि पटेल के आरक्षण दीहल गइल त पटेल के बेइज्जति हो जाई. गुजरात के पटेल जाति के कुछ लोग आरक्षण के माँग करत आन्दोलन करत बा त मुख्यमंत्री आनन्दीबेन पटेल साफ कह दिहले बाड़ी कि पटेल समुदाय के आरक्षण ना दीहल जाई काहे कि ई सरदार वल्लभ भाई पटेल के बेइज्जति जइसन होखी.
  • असम में मंत्री रहल कांग्रेसी नेता हिमन्‍त बिस्‍वा सरमा आजु दिल्ली में अमित शाह से भेट कइलन आ कहलन कि ऊ चाहत बाड़न कि कवनो मजबूत नेता का साथे काम करसु आ अन्दाजा लगावल जात बा कि ऊ जल्दिए भाजपा में शामिल हो जइहें. सोमार का दिने ऊ कांग्रेस से इस्तीफा देबे वाला बाड़न.
  • वित्‍तमंत्री अरुण जेटली अतवार का दिने कोलकाता में बंधन बैंक के उद्घाटन कइलन. नयका बैंकन में ई पहिला बैंक हवे जवन आपना काम शुरू क दिहलसि. बंधन पहिले माइक्रो फाइनेशसिग के काम करत रहुवे आ अब आपन 501 गो शाखा खोले के एलान कइले बिया.
  • केंद्रीय मानव संसाधन विकास मंत्री स्‍मृति इरानी आज राहुल गाँधी के संसदीय इलाका अमेठी में राहुल पर किसानन के जमीन हथियावे के आरोप खुलेआम लगावत कहली कि राहुल झूठ बोलेलें. अगर साँच बोलत होखस त बतावसु कि किसानन के 65 एकड़ जमीन राजीव गाँधी फाउन्डेशन बहुते कम दाम पर साइकिल कंपनी के आंवटित जमीन अपना नामे करवले बिया कि ना.
  • यूपी के उन्‍नाव जिला में जहरीला शराब पीयला का चलते पाँच जने के मौत हो गइल बा आ एक दर्जन लोग के अस्पताल में भरती करावल गइल बा. काल्हु करीब 20 जने एह जहरीला शराब के सेवन कइले रहलें. एगो के काल्हु मौत हो गइल रहुवे आ चार जने आजु अतवार का दिने कानपुर जिला अस्पताल में मर गइले. उन्नाव के एसपी के हटा दीहल गइल बा आ जिला आबकारी अधिकारी आ कोतवाल समेत नौ जने के ससपेंड कर दीहल गइल बा.
  • कोलम्‍बो में दूसरा क्रिकेट टैस्‍ट में भारत श्रीलंका के जीते ला 413 रन के निशाना दिहले बावे जवना खातिर खेलत श्रीलंका टीम दू विकेट गँवा के 72 रन बना पवले बा. जीते ला ओकरा अबहियों 341 रन बनावे के बा. एकरा पहिले आजु भारत आपन पारी के रन बना के खतम घोषित कर दिहलसि.
  • जमैका में विश्‍व एथलेटिक्‍स चैंपियनशिप में उसेन बोल्‍ट फेरू आपन जलवा कायम राखे में सफल रहलन आ 100 मीटर के फर्राटा दौड़ 9.79 सेकेण्ड में दउड़ के जीत लिहलन. दुसरका जगहा आवे वाला अमरीका के जस्टिन गैटलिन 9.8 सेकेण्ड लिहलन एकरा खातिर.
  • पुरान वकील रामजेठमलानी अलगाववादियन के पाकिस्तान के स्वागत समारोह में रोकला पर आपन नाराजगी जतवलन. कहलन कि ई सरकार आ ओकरा गोल के लोग के नासमझी का चलते भइल.
  • सोनिया गाँधी के दामाद के हवाई अड्डा पर जामा तलाशी देबे से मिलल छूट हटावे के फैसला कइले बिया केन्द्र सरकार. राबर्ट वाड्रा एह फैसला के स्वागत कइले बाड़न.
  • भाजपा के मोदी से सीधा मुकाबला करे का फेर में नीतीश के विकास के मुद्दा हवा हवाई हो गइल बा आ अब उनकर महागठबन्हन जातिगत जोड़तोड़ आ बिहारी अस्मिता के सहारे चुनाव के वैतरणी पार कइल चाहत बावे. अतवार का दिने पटना में एगो कार्यक्रम में नीतीश अपना के ठेठ बिहारी बतावत बिहार खातिर लड़त रहे के एलान कइलन. उमीद कइल जाव कि बिहार के जनता उनुका के भरपूर मौका आ समय दी बिहार खातिर लड़ाई करे ला.
  • बिहार के दियारा में बिजली चहुँपावे के पायलट प्रोजेक्ट केन्द्र सरकार शुरु कर दिहले बिया. एह प्रोजेक्ट से छपरा आ पटना के दियारा इलाका के 36 गो गाँवन में बिजली चहुँपाे के काम कइल जात बा.
  • पटना में महात्मा गांधी सेतु के बगल में बने वाला दुसरका गंगा पुल के शिलान्यास आजु अतवार का दिने मुख्यमंत्री नीतीश कुमार का हाथे करावल गइल. एह पुल के लंबाई करीब पौने दस किलोमीटर के होखी.
  • हम पार्टी के संस्थापक आ मुख्यमंत्री रहल जीतन राम मांझी के कहना बा कि नीतीश कुमार आपन चेहरा चमकावे खातिर एह तरह के शिलान्यास करत बाड़े बाकिर बिहार के लोग अब उनुका झाँसा में नइखे आवे वाला.
  • पश्चिम चंपारण जिला के रामनगर इलाका के महुई गांव से पुलिस एगो जालसाज के गिरफ्तार कइले बिया जे दोसरा के एटीएम से बेरानबे लाख रूपिया निकाल लिहले बावे.
  • शनिचर का दिने सारण जिला के अमनौर इलाका के पकड़ी गांव में एगो औरत के फाँसी लगा के ओकरा ससुराल के लोग मुआ दिहले बा एह तरह के मुकदमा ओकरा नइहर के लोग लिखवले बावे. ससुराल के सगरी सँवांग फरार बतावल जात बाड़े.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up