टटका खबर : अतवार, 26 जुलाई 2015 (अबेर)

by | Jul 26, 2015 | 0 comments

  • 257 लोग के जान लेबे वाला आतंकी याकूब मेनन के पैरवी कइला का बाद आलोचना के बाढ़ देख बालीवुड स्टार सलमान खान आपन ट्विट वापिस कर लिहलन आ लोग से माफी मँगलन कि अइसन ट्विट करे के गलती क दिहलन. बाकिर एह बीच 40 जने राष्ट्रपति का लगे गोहार लगवले बाड़न कि याकूब के फाँसी मत लगावल जाव. एह लोग खातिर ट्विटर पर याकूब के 40 सूअर वाला हैशटैग पापुलर हो गइल बा. भाजपा के कहना बा कि आतंकी हत्यारा याकूब मेनन के फाँसी रोके खातिर एकरा के फिरकावाराना रंग दीहल जा रहल बा. याकूब मेनन के फांसी देबे वाला मनीला रस्सी बिहार के बक्सर जेल में बुनाता.
  • राजनीतिक रसूख राखे वाला बदमाश के छेड़खानी से परेशान एगो सोलह बरीस के लड़िकी हमीरपुर आग लगा के जान दे दिहलसि बाकिर थाना में ओह गुन्डन का खिलाफ केस दर्ज करावे चहुँपल लोग पर पुलिस गोली चला दिहलसि जवना से दू आदमी के मौत हो गइल. एकरा बाद विदेश में छुट्टी मनावत मुख्यमंत्री ओहिजा के एसपी के निलंबित करे के आदेश दे दिहले आ मामिला के जाँच करावे के कहले बाड़न.
  • धरना के उस्ताद अन्ना हजारे मौका देख आजु सेना खातिर वन रैंक वन पेंशन के आन्दोलन में कूद पड़लन. कहल गइल बा कि नेता तीन तरह के होलें. पहिलका आगे चलेला त भीड़ ओकरा पाछे चल देला. दुसरका तरह के नेता भीड़ देखेला त ओकरा आगे आगे चले लागेला आ तिसरका के देख के पते ना लागे कि भीड़ ओकर पाछे चलत बिया कि ओकर पीछा करत बिया. अब रउरा खुदे तय कर लीं कि अन्ना के कवना तरह के नेता मानल जाव.
  • जाति के राजनीति करे के माहिर लालू प्रसाद जाति जनगणना के आंकड़ा जगजाहिर करावे के मांग करत अतवार का दिने पटना के गाँधी मैदान पर गाँधी जी के मूर्ति का नीचे दिन भर के उपास कइलन. लाजो ना लागल एह चारा घोटाला के सजायाफ्ता मुजरिम के गाँधी जी का पजरा बइठे में.
  • यूपी के जौनपुर में आजमगढ़ के एगो चालबाज नवही नकली दारोगा बन के गाड़ियन से वसूली करत धरा गइल. वसूली के शिकायत पर पुलिस ओकरा के गिरफ्तार कर लिहलसि.
  • बलिया जिला के सुखपुरा इलाका के हनुमानगंज बाजार से पुलिस एगो अंबेस्डर कार से दस पेटी अर्जीनिया बरामद कइलसि. पुलिस के देख के ओकर चालक आ ओह पर बइठल तस्कर भाग परइले सँ.
  • बलिया जिला के आंवला नाला से होखत घाघरा के पानी सैकड़ों एकड़ खेत में पसर गइल बा आ फसल के डूबा दिहले बावे.
  • बलिया जिला के तहसील परिसर में एगो वकील संगे मारपीट के आरोपी के एसडीएम के अदालत से जमानत मिल गइला का बाद वकील उनुका से नाराज हो गइल बाड़े आ एसडीएम समेत सगरी अदालतन के बहिष्कार करे के एलान कइले बाड़े.
  • मिर्जापुर जिला में अतवार का दिने वीर एकलव्य समिति का ओर से फूलन देवी का 14वाॅ बलिदान दिवस मनावल गइल.
  • लखनऊ का कैण्ट इलाका में सेना के गोदाम में लागल आग से ओहिजा राखल सब कुछ जर के राख हो गइल. सेना के कहना बा कि एह गोदाम में पुरान कबाड़ राखल जात रहुवे.
  • यूपी के चुनाव से पहिले बसपा के झटक के ओकरा सरकार में मंत्री रहल जयवीर सिंह भाजपा में शामिल हो गइल बाड़ें.
  • वाराणसी के सारनाथ इलाका में नक्खीघाट में एगो साड़ी व्यापारी के घर से 85 हजार नगदी समेत तीन लाख के गहना आ कीमती सामान चोरा ले गइलें स चोर. चोरौ का बारे में अतवार का भोर में पता लागल.
  • पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी अतवार के दिने अपना राज्य में निवेश जुटावे का नाम पर ब्रिटेन के पाँच दिन के यात्रा पर अतवार का दिने रवाना हो गइली.
  • हालही में रिलीज भइल सलमान खान के फिलिम ‘बजरंगी भाईजान’ 200 करोड़ रुपिया बिटोरे के आंकड़ा पार क लिहलसि.
  • बालीवुड अभिनेत्री कटरीना के कहना बा कि प्रशंसक लोग हबड़ाव मत आ कुछ दिन अउरी उनकर कुँआर रहल झेल लेव लोग. ऊ रणवीर कपूर से सगाई के खबर के महज अफवाह बतावत कहली कि अबहीं शादी करे के उनकर कवनो योजना नइखे.
  • नीदरलैंड के ईंधोवेन में होखत विश्व जूनियर स्क्वॉश चैम्पियनशिप के पहिला दिने सातों भारतीय खिलाड़ी अगिला दौर में चहुँप गइलें.
  • नाइजीरिया के दमतुरु शहर में अतवार का दिने भइल बम विस्फोट में नाहियो त एक दर्जन लोग के जान चल गइल बा.
  • पाकिस्तान-अफगानिस्तान के बार्डर पर अतवार का दिने अमेरिकी ड्रोन हमला में पाँच गो आतंकियन के मारल जाए के खबर बा.
  • साल 2010 में मिस जार्डन के खिताब जीते वाली लारा अब अपना करियर के छोड़ इस्लामी स्टेट के आतंकियन से मुकाबला करे खातिर आतंक विरोधी संगठन ‘घोस्ट सिक्योरिटी’ का साथे हो गइल बाड़ी.
  • कजाखस्तान के अस्‍ताना में पांचवाँ प्रेसीडेंट कप सीनियर अंतरराष्ट्रीय कुश्ती टूर्नामेंट में भारतीय महिला कुश्ती टीम रजत पदक जीत लिहलसि. विनेश 48 किलोग्राम, ललिता सहरावत 55 किलो आ अनिता 63 किलोग्राम भारवर्ग में आपन आपन मुकाबला जीत लिहली. एह टूर्नामेंट में भारत दुसरका जगहा पर रहल.
  • भारत के इकलौता फार्मूला 1 टीम फोर्स इण्डिया खातिर बहुते खराब रहल कि एफ-1 हंगरी ग्रांप्री. से ओकर दुनू कार अतवार का दिने बिना कवनो अंक बनवले वापिस हो गइली सँ.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up