टटका खबर (अतवार, 27 सितंबर 2015)

by | Sep 27, 2015 | 0 comments

सिलिकन वैली यात्रा में टेस्ला मोटर्स के दौरा करत पीएम मोदी.

सिलिकन वैली यात्रा में टेस्ला मोटर्स के दौरा करत पीएम मोदी.

  • प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी संयुक्त राष्ट्र में सुधार के जोरदार गोहार लगावत जी-4 शिखर सम्मेलन के संबोधित करत कहलन कि सुरक्षा परिषद के विस्तार तय समय सीमा में करा लीहल जावल जी-4 समुह में भारत, जर्मनी, ब्राजील आ जापान शामिल बाड़े आ ई चारो देश सुरक्षा परिषद के स्थायी सदस्यता खातिर कोशिश करे में लागल बाड़ें.
  • न्यूयॉर्क में सयुंक्त राष्ट्र महासभा आ जी-4 शिखर सम्मेलन में शामिल भइला का बाद प्रधानमंत्री अब अमरीका के सैन होसे आ गइल बाड़न सिलिकॉन वैली के नाम से मशहूर सैन होसे में प्रधानमंत्री डिजिटल इंडिया आंदोलन के बढ़ावा देबे खातिर आईटी के दिग्गज कंपनियन से चरचा करीहें. एहिजा प्रधानमंत्री के मुलाकात माइक्रोसाफ्ट के सीईओ सत्‍या नडेला, गुगल के सुंदर पिचाई, सिसको के शांतुनु नारायण आ ऐपल कम्‍पनी के सीईओ टीम्‍कोक से होखे वाला बा. सिलिकन वैली के यात्रा का दौरान पीएम मोदी ओहिजा के भारतीय समुदाय के लोगो से मुलाकात करीहें आ आखिरी दिने एसएपी सेंटर में भारतीय समुदाय के लोग के संबोधित करीहें.
  • नेताजी सुभाषचंद्र बोस के बाद अब प्रधानमंत्री रहल लालबहादुर शास्त्री के ताशकंद में भइल मौत से जुड़ल फाइलन के उजागर करे के माँग होखे लागल बा. नेताजी सुभाषचन्द्र से जुड़ल कुछ फाइल हालही में पश्चिम बंगाल सरकार उजागर कर दिहलसि जवना का बाद केन्द्र पर दबाव अउर बड़ गइल बा. अब लाल बहादुर शास्त्री के बेटा अनिल शास्त्री पीएम मोदी से अपील कइले बाड़न कि शास्त्री जी के मौत से जुड़ल फाइलन के उजागर कर दीहल जाव. शास्त्री जी के मौत संदेह उपजावे वाला हालात में भइल रहुवे. आ सबले खास बात बा कि नेताजी आ शास्त्री जी दुनू आदमी के मामिला रुस से जुड़़ल बा आ ओकरे चलते भारत सरकार आनाकानी करेले एह फाइलन के उजागर करे से.
  • राष्ट्रपति रहल एपीजे अब्दुल कलाम के लिखल एगो किताब के मलयालम संस्करण के त्रिशूर में होखे वाला लोकर्पण शनिचर का दिने टार देबे के पड़ल काहे कि ओकरा खिलाफ विरोध प्रदर्शन होखत रहुवे. विरोध के कारण रहुवे कि किताब के अनुवाद करे वाली लेखिका श्रीदेवी एस कार्था बतवली कि उनुका के समारोह से अलगे रहे के कहल गइल बा काहे कि स्वामी जी अपना साथे मंच पर कवनो मेहरारू के मौजूदगी पसंद ना करस.
  • संयुक्त राष्ट्र सुरक्षा परिषद में सुधार से जुड़ल दस्तावेज पर बातचीत शुरू करे के मंंजूरी मिलला का बाद पीएम मोदी अपना अमेरिका यात्रा का दौरान जॉर्डन, श्रीलंका, साइप्रस, स्विडन, भूटान, सेंट लुसिया वगैरह कई देशन के शासनाध्यक्षन से मुलाकात कइलन आ एकरा साथही आतंकवाद, आईएसआईएस, सतत विकास लक्ष्य, जलवायु परिवर्तन वगैरह मसला पर चरचा कइलन.
  • सऊदी अरब के मक्का में भगदड़ में घवाहिल भइल लोग में से कुछ लोग के मरला का चलते गिनिती बढ़के 769 हो गइल बा.
  • शनिचर का दिने भाजपा सांसद आर के सिंह के बयान के गलत बतावत केंद्रीय गृह मंत्री राजनाथ सिंह कहलन कि भाजपा में टिकट बाँटे के काम पूरा निष्पक्षता से होखेला आ एह तरह के बयान के कवनो आधार नइखे. बाकिर भाजपा के सांसद शत्रु आर के सिंह के बयान के पक्ष लेत कहले बाड़न कि एह बात के कवनो आधार होखी आर के सिंह का लगे तबे कहले होखीहन. असल में बिना वैचारिक लगाव के कुछ लोग के भाजपा में शामिल कइला का चलते एह तरह के विवाद होखत रहेला.
  • गुजरात में पटेल आरक्षण खातिर आन्दोलन चलावे वाला हार्दिक पटेल शनिचर का दिने जमशेदपुर में कहलन कि चुँकि जदयू नेता उनुका समुदाय से जुड़ल हउवन एहसे बिहार चुनाव में ऊ नीतीश कुमार के समर्थन करीहें.
  • केन्द्रीय परिवहन मंत्री नितिन गडकरी के कहना बा कि एक्सप्रेस-वे से टोल टैक्स खतम ना कइल जा सके काहें कि एह राजमार्गन के बनावे खातिर बहुते धन के जरूरत होला. कहलन कि टोल टैक्स प्लाजा के ई टोल में बदले के काम जरूर कइल जात बा जेहसे लोग के टोल टैक्स देबे में परेशानी मत होखे आ समय बरबाद मत होखे.
  • मुंबई बम धमाका से जुड़ल एगो मामला के दोषी आ बॉलीवुड स्टार संजय दत्त जेल में कम आ जेल का बाहर बेसी रहेलें. एने फेरू तीस दिन के ‘छुट्टी’ बिता के शनिचर का दिने फेरू जेल लवट अइलन अगिला छुट्टी तक ले. पता ना कइसे बड़का अपराधियन के एह तरह के छूट आसानी से मिल जाला जबकि आम आदमी बहुते जरुरी मौको खातिर पेरोल ना पा सके.
  • शनिचर का दिने हिमाचल प्रदेश के मुख्‍यमंत्री वीरभद्र सिंह के आवास पर छापा मार के सीबीआई दस्तावेज खंगरलसि आ उनुका खिलाफ भ्रष्‍टाचार के मामला दर्ज कइलसि. यूपीए सरकार के दौरान केन्‍द्रीय इस्‍पात मंत्री रहल वीरभद्र सिंह पर भ्रष्‍टाचार के आरोप के जाँच पिछले सरकार का दौरान शुरु हो गइल रहुवे बाकिर तबहियों कांग्रेसी नेता एह छापा के राजनीतिक बदला लेबे खातिर कइल बतावत बाड़ें. देश में पहिला बेर कवनो मौजूदा मुख्यमंत्री का आवास पर एह तरह के छापा डालल गइल बा.
  • असम में धुबरी जिला के अगोमानी इलाका में तनाव का बाद बेमियादी कर्फ्यू लगा दीहल गइल बा. ओहिजा के एगो मजहबी जगह से आपत्तिजनक सामान मिलला का बाद तनाव पसर गइल आ पुलिस 17 जने के हिरासत में ले लिहलसि.
  • भारत के सीमा से लागल नेपालगंज जिला में नयका नेपाली संविधान के विरोध करत लोग पर सुरक्षा बल के कार्रवाई से नौ लोग घवाहिल हो गइल बा. ई लोग भारत से आवत सामान के नेपाल में घुसे नइखे देत.
  • भारत के सानिया मिर्जा आ स्विटजरलैंड के मार्टिना हिंगिस के जोड़ी काल्हु ग्वांगझू ओपन टेनिस टूर्नामेंट में महिला डबल्‍स के खिताब जीत लिहलसि. फाइनल में ई लोग चीन के शिलिन शू अउर शियोदी यू के जोड़ी के हरा दिहलसि. ओने ताइवान में यूकी भाम्‍बरी एटीपी चैलेंजर टेनिस टूर्नामेंट के फाइनल में पहुंच गइल बाड़न.
  • बिहार विधान सभा चुनाव के पहिला दौर के चुनाव खातिर परचा वापिस लेबे के आखिरी दिने उनइस जने परचा वापिस ले लिहलें. अब 596 उमीदवार मैदान में रह गइल बाड़ें. दुसरका चरण के मतदान खातिर बत्तीस विधान सभा क्षेत्र ला परचा दाखिल करे के काम चलत बा. शनिचर का दिने एक सौ उमीदवार आपन परचा दाखिल कइलें. अबले 210 उमीदवार परचा दाखिल कर चुकल बाड़ें. मुख्यमंत्री रहल आ हिअमो सेकुलर के अध्यक्ष जीतन राम मांझी शनिचर का दिने इमामगंज से परचा दाखिल कइलन. 29 सितंबर का दिने एह दौर के परचा के जाँच होखी.
  • आयकर विभाग का तरफ से मुख्यमंत्री रहल जीतन राम मांझी आ भाजपा के चार गो सांसदन समेत सोलह गो जनप्रतिनिधियन के नोटिस जारी क के पूछल गइल बा कि एह लोग के संपति में पाँचगुना इजाफा कइसे हो गइल बा. आयकर विभाग एह लोग के दाखिल कइल 2010 के विधानसभा चुना‌व आ 2014 के लोकसभा चुनाव ला परचा के आधार बनवले बा.
  • गया के मशहूर पितरपख मेला आजु से शुरु हो गइल बा आ सतरह दिन ले चली.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up