टटका खबर (अतवार, 4 अक्टूबर 2015)

by | Oct 4, 2015 | 0 comments

  • दिल्ली से सटले दादरी इलाका के बिसाडा गांव में मराइल मुसलमान आदमी के परिवार के अब यूपी सरकार बीस लाख रुपिया के आर्थिक सहायता देबे के एलान कइले बिया. सरकार के मरजी जेकरा के जतना चाहे ओतना सहायता दे देव बाकिर एकर कवनो एगो नियम आ तरीका होखे के चाहीं आ हर समुदाय के आदमी ला एके बराबर सहायता मिले के चाहीं. बाकिर एह देश में सभका खातिर एक नियम एक पैमाना शायद संभव नइखे. अगर कवनो हिन्दू के मार दीहल जाव त ना त मीडिया बवाल करे ले ना प्रशासने ओकरा के तवज्जो देला. आर्थिक सहायता त दूर के बात बा.
  • बिसाडा गाँव के लोग एह मामिला के एतना तवज्जो दिहला से नाराज होके नेतवन आ मीडिया के घुसे के विरोध करे लागल बाड़ें. लोग के कहना बा कि जानबूझ के एह बारे में गलत बयानबाजी कइल जात बा नेता लोग आपन राजनीतिक रोटी सेट करे में लागल बा.
  • पूर्वोत्तर रेलवे के फर्रूखाबाद टीसन का पार्सल घर का नियरा मिलल टाइम बम के बम निरोधक दस्ता बेकाम कर दिहलसि. शुक का सबेरे एह बम का बारे में रेल पुलिस के जानकारी मिलल रहुवे. पुलिस के कहना बा कि दू गो बम एके साथ बान्हल रहुवे आ संजोगे कहीं कि टाइमर तकनीक के खराबी का चलते धमाका ना भइल.
  • शनिचर देर रात चंदौली जिला के असवरिया गांव का सोझा एगो टीवी पत्रकार हेमंत सिंह यादव के गोली मार के हत्या कर दीहल गइल. हत्या के कारण अबहीं पता नइखे चलल.
  • दादरी कांड में आपन राजनीतिक रोटी सेंके चहुंपल अरविन्द केजरीवाल के गांव में ना घुसे दीहल लोग.
  • राजद अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव के बेटा तेजस्वी यादव मैट्रिको पास ना कर सकलें बाकिर उनुका लगे करोड़ो के संपति बा आ पिछला साल उनुकर आमदनी पाँच लाख से अधिका के रहुवे. तेजस्वी राघोपुर सीट से परचा दाखिल करत ई जानकारी दिहले बाड़न.
  • राजद नेता लालू कहलन कि हिन्दुओ लोग गाय के मांस खाला त भाजपा नेता गिरिराज सिंह बात वापस लेबे के कहलन ना त उनका घर का सोझा आन्दोलन करे के धमकी दिहलन.
  • भागलपुर में चुनाव प्रचार करे चहुंपल सोनिया गांधी बड़हन बात बतवली. कहली कि बिहार के चुनाव देश के राजनीतिक दिशा दशा तय करी.
  • बीबीसी के वेबसाइट पर छपल एगो खबर में बतावल गइल बा कि मौजूदा विधानसभा चुनाव में अब एनडीए के पलड़ा भारी लागत बा काहें कि कवनो मुद्दा ओकरा खिलाफ जाए वाला नइखे जबकि महागठबन्हन के खिलाफ अनेके मुद्दा सामने आ गइल बा. लालू प्रसाद यादव समुदाय पर अतना जोर लगा दिहले बाड़न कि दोसर जातिवालन के अबहिएं से अनेसा होखे लागल बा कि पिछला लालू राज के हालात लवटे वाला बावे.
  • बिहार के समस्तीपुर अस्पताल के प्रसव कक्ष में घुस के एगो आवारा कुत्ता एगो नवजात बच्चा के ले के भाग गइल आ बाद में ओह बच्चा के नोचल खसोटल लाश अस्पताल के एगो गाड़ी का नीचे से मिलल.
  • पटना पुलिस के फोन क के जंक्शन आ सार्वजनिक जगहन पर बम धमाका करे के धमकी देबे वाला तीन गो मोबाईल नंबर वालन के तलाश में पुलिस लागल बिया. एगो नंबर के पता लाग गइल बा बाकिर बाकी दू गो के थाह नइखे लागत.
  • मल्लाह नेता मुकेश सहनी लालू-नीतीश पर अतिपिछड़ा समाज के अनदेखी के आरोप लगावत भाजपा में शामिल हो गइल बाड़न आ निषाद आ मल्लाह समुदाय के अनुसूचित जाति के दर्जा देबे खातिर आन्दोलन करत बाड़न.
  • 9 तारीख के पीएम मोदी मखदुमपुर विधानसभा क्षेत्र में जनसभा क के मुख्यमंत्री रहल हिअमो प्रमुख जीतन राम मांझी खातिर प्रचार करीहें.
  • बिहार विधानसभा चुनाव में हर उम्मीदवार के चाहे ऊ कवनो गोल से होखे भा बिना गोल वाला रोज के खरचा के हिसाब आयोग के देत रहे के पड़ी. जे लोग रोज रोज के खरचा के हिसाब ना दी ओह लोग का खिलाफ कार्रवाई कइल जाई.
  • सारण जिला के जनता बाजार ‎ इलाका के पंडितपुर गांव अपना ममहर आइल सिवान जिला के भगवानपुर इलाका के ठीकहा गाँव के एगो छह बरीस के लड़िका के मौत शुक का रात साँप के कटला से हो गइल.
  • सारण जिला के मढ़ौरा नगर पंचायत के मुख्य पार्षद सुनीता देवी के खिलाफ अविश्वास प्रस्ताव शनिचर का दिने विशेष बइठक में पारित हो गइल आ उनुका से पट छीना गइल.
  • सारण जिला के एकमा पुलिस मदनपुरा गांव से बरीसन से फरार वारंंटी टुनटुन राम के गिरफ्तार क लिहले बिया.
  • गोपालगंज जिला में महावीरी अखाड़ा, दुर्गापूजा आ मोहर्रम लेके परशुराम बाजार पर शांति समिति के बइठक क के एह मौकन पर शांति बनवले राखे पर विचार कइल गइल. तय भइल कि महावीरी अखाड़ा में डीजे आ आर्केस्ट्रा पर पूरा पाबंदी राखल जाई.
  • गोपालगंज जिला के बरौली इलाका के देवीगंज गाँव के एगो औरत के जहर खिया के मुआ देबे के आरोप ओकर नइहर वाला ससुराल वालन पर लगवले बाड़े. शिकायत मिलला का बाद पुलिस लाश के कब्जा में ले लिहलसि बाकिर ससुराल वाले फरार हो गइलें.
  • बेतिया टीसन से पुलिस एगो गुप्त सूचना का आधार पर गुटखा के एगो बड़हन खेप पकड़ लिहलसि. गुटखा टीसन के एगो कमरा में लुका के राखल रहुवे आ एह बोरन में करीब सवा लाख गुटखा के सैचेट रहुवे. खेप गोरखपुर से आइल रहुवे.
  • बेतिया के बलथर थाना से सटले बलथर चौक सूचना केंद्र से शुक के रात में शटर के ताला काट के चोर आठ गो लैपटाप आ दू गो डेस्कटाप समेत बहुते सामान चोरा ले गइलें. शनिचर का दिने जानकारी भइला पर थाना में केस लिखवावल गइल.
  • बिहार विधानसभा चुनाव में धन के गलत इस्तेमाल रोके खातिर होखत छापामारी आ तलाशी में अबहीं ले करीब चौदह करोड़ के नकदी जब्त कइल गइल बा जवना पिछला लोकसभा का दौरान जब्त कइल धन के दुगुना बा. एकरा अलावे विदेशी करेंसी आ जाली नोटो खूबे बरामद भइल बा.
  • देश भर में टोल हटावे खातिर चलत ट्रक हड़ताल आजु चउथो दिने जारी बा.
  • जर्मनी की चांसलर एंगेला मर्केल आज रात नई दिल्ली चहुँपे वाला बाड़ी. उनका साथे कई एक मंत्री आ बिजनेस प्रतिनिधिओ आवे वाला बाड़े. एहिजा ऊ पीएम मोदी संगे शिखर बइठक करीहें आ दुनू देश का बीच अनेके समझौता पर दस्तखत होखे वाला बा.
  • काल्हु शनिचर के रात केन्द्रीय वित्त मंत्री अरूण जेटली दस दिन के अमरीका यात्रा खातिर रवाना हो गइलें. एह यात्रा में ऊ विश्वबैंक आ अंतर्राष्ट्रीय मुद्रा कोष के सालाना बइठकन के संबोधित करीहें. बाद में ऊ पेरू जइहें. कोलंबिया विश्वविद्यालय में व्याख्यानो देबे के कार्यक्रम तय बा जेटली के.
  • इंडियन फुटबॉल सुपरलीग प्रतियोगिता के शुरुआती मैच में काल्हु मौजूदा चैंपियन एटलेटिको डि-कोलकाता 3 बनाम 2 गोल से चेन्नईयन फुटबॉल क्लब के हरा दिहलसि.
  • फ्रांस से 36 गो राफेल लड़ाकू विमान खरीदे के सौदा एही साल हो जाए के उमेद जतवलन वायुसेना चीफ मार्शल अरुप राहा.
  • शशांक मनोहर के बीसीसीआई अध्यक्ष बनल तय मान लीं. काल्हु मुंबई में होखे जात बा विशेष बइठक. दोसर केहू उमेदवारे नइखे.
  • एह खबरन का अलावे आजु के टटका टटका खबर देखल मत भुलाएब.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up