टटका खबर (देश दुनिया से), २६ फरवरी २०१४

by | Feb 26, 2014 | 0 comments

  • बुध का सबेरे नौसेना के पनडुब्बी आईएनएस सिंधुरत्न में हादसा भइला से सात गो नौसेनिक घवाहिल हो गइले आ दू गो के पता नइखे चलत कि कहाँ गइलें. हादसा का बेरा पनडुब्बी पानी का भीतर रहुवे. एने नौसेना में लगातार होखत हादसा पर रक्षा मंत्री के नाराजगी जतवला का बाद नौसेना प्रमुख एडमिरल डी. के. जोशी बुध का दिने नैतिक जिम्मेदारी लेत आपन इस्तीफा दे दिहलन.
  • अपना महतारी के बीमारी का नाम पर सुप्रीम कोर्ट में हाजिर ना होखे वाला सहारा प्रमुख सुब्रत राय का खिलाफ सुप्रीम कोर्ट गैर जमानती वारंट जारी क दिहलसि आ चार मार्च के उनुका के अदालत में हाजिर होखे के फरमान सुना दिहलसि.
  • नरेन्द्र मोदी के नपुंसक कहे वाला विदेश मंत्री सलमान खुर्शीद से माफी मांगे के कहलसि. हालांकि अपना बदजुबानी का बादो सलमान खुर्शीद अड़ल बाड़े कि उ सही बात कहले.
  • दूध वाला उजर क्रांति आ फसल वाला हरियर क्रांति का बाद अब देश में उर्जा वाला केसरिया क्रांति के जरूरत बतवले नरेन्द्र मोदी. कहले कि उर्जा में खुदराज होखला का बादे देश के बढ़न्ती होखी.
  • केजरीवाल बुध का दिने एक बेर फेरू कहलन कि आआपा अपना कवनो विधायक के लोकसभा चुनाव के टिकट ना दी. बाकिर खुद केजरीवाल लोकसभा के चुनाव लड़ीहें कि ना आ लड़ीहें त कइसे लड़ीहें से ना बतवलन जबकि उहो विधायक हउवन.
  • 64वां राष्ट्रीय बास्केटबॉल चैम्पियनशिप में बुध का दिने पुरुष वर्ग में पंजाब, उत्तर प्रदेश, हरियाणा, झारखंड, सर्विसेज, मध्य प्रदेश अउर उत्तराखंड आ महिला वर्ग में रेलवे, आंध्र प्रदेश, पंजाब, राजस्थान, तमिलनाडु, बिहार अउर उत्तर प्रदेश अपना जीत से शुरूआत कइले.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up