टटका खबर (बियफे, 16 अप्रैल 2015)

by | Apr 16, 2015 | 0 comments

दू महीना के छुट्टी मना के बबुआजी लवट आइल बाड़न आ उनुका डेरा पर स्वागत करे ला माई बहिन आ जीजा मौजूद रहुवन. बाकिर बबुआ का हासिल क के लवटल बाड़न से अबहीं ले पता नइखे चलल. आ उनका के समाज का सोझा कब ले आवल जाई एकरो बारे में कवनो जानकारी नइखे. हो सकेला पहिले परिवार में तय हो जाव कि का करे क बा, का कहे क बा, तब ओकरा बाद बाकी लोग से भेंटघाट कइल जाव.

(बुध, 15 अप्रैल के खबर)

  • दिल्लीए में एगो दोसर तमाशा काल्हु साँझ के देखे के मिलल जब जनता परिवार के फरका फरका हो गइल छह गो जरोह फेरू एके परिवार बन जाए के फैसला कइलन. परिवार के कर्ता का रूप में मुलायम सिंह के चुनल बतावल जात बा. बाकिर अबहीं ले ई तय नइखे हो सकल कि एह नयका परिवार के नाम कवन दिहल जाव, चुनाव चिह्न का बनावल जाव, झंडा कइसन होखो वगैरह वगैरह. ना ही इहे तय भइल लउकल कि नीतीश, लालू, शरद, देवगोडा, वगैरह के हैसियत एह परिवार में का रही. जब कुछ तए नइखे भइल तब कवन हड़बड़ी रहुवे मुलायम सिंह के एलान के? पक्का बा कि कवनो पंडित के निकालल मुहुर्त के बात ना रहे काहें कि ई सगरी लोग हिन्दुत्व के विरोधी ह आ वोट बैँक के सेवा में लागल लोग.
  • बुध का दिने बिहार विधानसभा के दुनू सदन के बइठक गोरिया कोठी से भाजपा विधायक भूमेन्द्र नारायण सिंह उर्फ चुन्नू बाबू के गंगालाभ का चलते रोक दिहल गइल. हार्ट का बीमारी से पीड़ित चुन्नू बाबू के पिछला दिने बाईपास सर्जरी करावल गइल रहुवे बाकिर मंगल का दिने आइल हार्ट अटैक से उनुका के बचावल ना जा सकल आ उनकर निधन हो गइल.
  • कनाडा दौरा पर गइल प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कनाडा संगे एगो अहम करार करावे में कामयाबी हासिल कइलन आ पाँच बरीस ले कनाडा भारत के परमाणु कार्यक्रम खातिर यूरनेनियम के सप्लाई करे ला मान गइल.
  • जम्मू कश्मीर के नमकहराम अलगाववादियन के नेता मसरत आलम बुध का दिने कहलस कि कश्मीर के पाकिस्तान बना दी. ओकरा एह बयान का बाद ओकरा खिलाफ देश विरोधी काम करे के मुकदमा दर्ज हो गइल बा बाकिर पाकिस्तान परस्ती का मजबूरी में ओहिजा के मुख्यमंत्री मुफ्ती के बेंवत नइखे कि मसरत का खिलाफ भा एह नमकहराम आतंकी समर्थकन का खिलाफ कुछ कर सकसु. पता ना भाजपा कवना मजबुरी में अइसन गोल का साथे सरकार बनवले बिया कश्मीर में.
  • नेताजी सुभाषचंद्र बोस से जुड़ल गोपनीय फाइलन के उजागर करावे से पहिले एह बात पर विचारे खातिर एगो अंतरमंत्रालीय समिति बनावल गइल बा. हालही में नेताजी का परिवार के जासूसी करावे वाला जवाहर लाल नेहरू के राज खुलला का बाद से सरकार पर दबाव बढ़ गइल बा कि ऊ एह मामिला के सगरी सचाई सामने आवे देव आ एह बात के खुलासा से अगर कवनो देश का साथे भारत के रिश्ता खराब होखत होखे त होखे देव.
  • हवा गरम बा कि केजरीवाल आ मायावती के गोल के गठजोड़ होखे वाला बा. पिछला दिने अंबेदकर जयन्ती पर दिल्ली के मुख्यमंत्री मायावती के बाबूजी के गोड़ छू के आशीर्वाद लिहलन आ बसमा प्रमुख मायावती के तारीफ में बहुते कुछ कहलन. मायावतीओ चहीहें कि यूपी में केहू मिल जाव उनकर नाव पार करावे वाला ना त अगिला चुनाव में हरली त फेर केहू नाँवो लेबे वाला ना रहि जाई.
  • हरिद्वार संसदीय क्षेत्र के भगवानपुर विधानसभा उपचुनाव में जीत के उत्तराखंड के कांग्रेस सरकार आपन पूर्ण बहुमत बनावे में सफल हो गइल बिया. एह जीत से कांग्रेस के 36 गो विधायक हो गइले जवन बहुमत खातिर जरूरी रहुवे.
  • बुध बियफे का अधरतिया से पेट्रोल आ डीजल के दाम एक बेर फेरू कम कर दिहल गइल बा. डीजल के दाम में हर लीटर पर 1 रुपिया 30 पइसा आ पेट्रोल का दाम में 80 पइसा के कटौती कइले बाड़ी स तेल कंपनी.
  • बुध का दिने देश के शेयर बाजारन में तेज गिरावट दर्ज भइल. सेंसेक्स में 244.75 अंक आ निफ्टी में 84 अंक के गिरावट दर्ज भइल.
  • बिहार यूपी का बीच 12 गो रूट पर यूपी के रोडवेज सेवा जल्दिए शुरू होखे वाला बा. एह रूट में वाराणसी-पटना, सारनाथ-गया, वाराणसी-भभुआ, वाराणसी-सासाराम वगैरह शामिल बाड़ी सँ. दुनू राज्य का बीच समझौता का बाद बिहार से यूपी खातिर 25 गो रूट पर आ यूपी से बिहार खातिर 20 गो रूट पर बस चलावल जाई.
  • बिहार के सारण जिला के डोरीगंज इलाका के सिंगहीं चौक पर बुध का दुपहरिया में एगो ट्रक से कचरा के एगो साइकिल वाला के मौत हो गइल. लोग चहेट के ट्रक ड्राइवर के पकड़ लिहल आ पुलिस के दे दिहल. पुलिस ट्रक जब्त कर लिहले बिया.
  • सिवान जिला के मुहम्मदपुर गाँव से सोमार का साँझ से गायब लड़िका के लाश दाहा नदी से मिलल बा. ओकर नंग धडंग लाश के गरदन काट के अलग कर दिहल बा आ ओकर लिंगो काट लिहल गइल बा. बाद में पुलिस बुध के साँझ आंदर बाजार से एगो आर्केस्ट्रा मालिक आ ओकरा नाचेवाली के गिरफ्तार कर लिहलसि. दुनू एह हत्या के दोस सकार लिहले बाड़न स. सोमार का रात ओही नाचे वाली के नेवता पर मीट खाए चहुँपल प्रेमी के झगड़ा आर्केस्ट्रा मालिक से हो गइल आ ओकर हत्या क दिहल गइल.
  • आरा के उदवंतनगर इलाका में सलथर-मलथर गांव का नियरा बुध का रात में एगो ट्रैक्टर आ मोटरसाइकिल के टक्कर से एक आदमी के मौत हो गइल आ एक आदमी बहुते घवाहिल हो गइल.
  • भोजपुर का कोईलवर में सूफी संत हजरत शाह शकूरूल्लाह पीर रहमतुल्लाह अलैह का मजार पर सालाना उर्स बुध का दिने शुरु हो गइल आ बियफे का दिन ले चली.
  • बक्सर के डुमराव में शीला सिनेमा का लगे मंगल के देर रात बरातियन से भरल एगो स्कार्पियों खंभा से टकरा गइल आ खंभा पर से ट्रांसफार्मर गिर के जीप के कचार दिहलसि. एह हादसा में ड्राइवर के मौत ठाँवे पर हो गइल आ चार जने सवारी घवाहिल हो गइले.
  • वाराणसी के रामनगर सामनेघाट पीपा पुल बुध का दिने आन्ही से फेरू टूट गइल. अब एकरा मरम्मत में बहुरे समय लागे के अनेसा हो गइल बा. मंगल का रात आइल आन्ही से गाजीपुर के रंगमहल घाट के पीपा पुलो के टूटे के खबर बा.
  • चंदौलौ के सिवइयां गाँव के निवासी आ केन्द्रीय गृह मंत्री राजनाथ सिंह के बहनोई शीतला प्रसाद सिंह के निधन बुध का दिने 80 बरीस का उमिर में बीएचयू अस्पताल में हो गइल. उनकर अंतिम संस्कार मणिकर्णिका घाट पर साँझ के करावल गइल.
  • गाजीपुर के एगो शराब फर्म के मैनेजर से 28 लाख रुपिया के लूट आ हत्या का खिलाफ बुध का दिने गाजीपुर बाजार बंद रहल.
  • अपना चचेरा भाई के मुंडन में शामिल होखे आइल एगो लड़िका के मौत बलिया के शिवपुर कपूर दियर घाट पर नहात घरी डूबला से हो गइल. लाश खोजे खातिर गोताखोरन के लगावल गइल बाकिर देर रात ले लाश ना मिलल रहुवे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up