टटका खबर : बियफे, 23 जुलाई 2015 (अबेर)

by | Jul 24, 2015 | 0 comments

  • विपक्ष के जिद्द आ सरकार के अपना रुख पर बनल रहला का चलते संसद में बियफहुं का दिने कवनो काम काज ना हो सकल. उनकर ई जिद्द बा कि सुषमा के इस्तीफा बिना संसद ना चले देब आ सरकार के कहना बा कि चाहे कुछ हो जाव सुषमा इस्तीफा ना दीहें. आखिर केहु के जिद्द का चलते कवनो निर्दोष के बलि काहे लीहल जाव.
  • भाजपा के सांसद आ मुख्य सचेतक बियफे का दिने सोनिया के दामाद राबर्ट वाड्रा का खिलाफ विशेषाधिकार हनन प्रस्ताव ले आवे के नोटिस दिहलन त कांग्रेसी सांसद अउरी भड़क गइलन. एह लोग के कवनो चरचा मंजूर नइखे संसद में. बस उहे होखे जवन ई लोग कहे भलहीं जनता एह लोग के बियाबान में भेजे के फैसला दिहलसि पिछला चुनाव में. 44 पर आ गिरल कांग्रेस अगर अबहियों ना चेतल त एकरा चारो गो लोग खोजल मु्श्किल हो जाई कान्ह लगावे खातिर.
  • सबसे मजा के बात ई बा कि ई लोग बहाना खोज खोज के भाजपा के मंत्रियन आ मुख्यमंत्रियन के इस्तीफा चाहत बा बाकिर अपना गोल के मुख्यमंत्रियन के भठियरपन साफे उजागर होखला का बादो कहत बा कि भाजपा पलटवार करत बिया. पता ना ई लोग कइसे सोच लिहल कि भाजपा चुपचाप एह लोग के वार झेलत रही आ दामाद जी के मामिला सामने ना ले आई. ऊ त तबले गनीमत बा जबले भाजपा सीधे सोनिया पर वार करे से हिचकिचात बिया आ नेशनल हेराल्ड वाला धोखाधड़ी के मामिला सामने नइखे ले आवत बहस करावे खातिर. हालांकि आजु इशारे इशारा में सोनिया पर वार कइए दिहलसि.
  • हिमाचल प्रदेश में बियफे दुपहरिया में एगो बस सरसरी का लगे कुल्‍लू-मनिकरण राजमार्ग पर पार्वती नदी में गिर गइल जवना से ओह पर सवार कम से कम नौ गो पर्यटकन के जान चल गइल आ 21 जने घवाहिल हो गइलें. ई लोग पंजाब के रहुवे आ मणिकरण जात रहुवे.
  • यौन उत्पीड़न के आरोप झेलत डॉक्‍टर आर के पचौरी के बियफे का दिने टेरी के महानिदेशक पद से हटा दीहल गइल आ उनुका जगहा डॉक्‍टर अजय माथुर के बहाली के फैसला ले लिहलसि संगठन के संचालन परिषद. अजय माथुर अबहीं ब्‍यूरो ऑफ एनर्जी एफिशिएंसी के महानिदेशक बाड़न.
  • मुंबई बम धमाकन के दोषी आ दाऊद इब्राहिम के सिपहसालार याकूब मेमन के फांसी पर लटकावे के फैसला का खिलाफ खुलेआम मुस्लिम राजनीति करे वाला एमआईएम के अध्‍यक्ष असदउद्दीन ओवैसी आरोप लगवले बाड़न कि मेमन के फाँसी ओकरा मुसलमान होखे का चलते दीहल जा रहल बा. ओवैसी के कहना बा कि अगर फाँसी पर चढ़ावे के बा त राजीव गाँधी के हत्यारन के फाँसी पर काहे नइखे चढ़ावल जात. वइसे एह हत्यारा मेमन का पक्ष में कवनो कोरकसर नइखे छोड़ल जात कवनो तरह से फाँसी के टरकावे ला.
  • सोनिया गांधी से झाड़ सुनला का अगिलके दिने कांग्रेसी नेता शशि थरूर के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी का तरफ से जोरदार शाबासी मिलल बा. पीएम मोदी कहले बाड़न कि थरूर अइसन आदमी हउवें जे सही समय सही जगहा पर सही बात कहेलें. शशि थरुर पिछला दिने इंगलैंड के ऑक्सफोर्ड विश्वविद्यालय में ब्रिटिश सरकार से भारत के हरजाना देबे के माँग कइले रहन काहे कि भारत पर शासन का दौरान ब्रिटिश सरकार भारत के लूट के आपन खजाना भरत रहुवे.
  • बदजुबानी आ बदतमीजी के सरदार केजरीवाल के कहना बा कि दिल्ली के उपराज्यपाल नजीब जंग प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के इशारा पर काम करत बाड़न. केजरीवाल के नाराजगी एह बात पर बा कि संविदान का दायरा में काम करे वाला जंग केजरीवाल के अराजक फैसलन में साथ नइखन देत.
  • नाइजीरिया के गोम्बे में दू गो बस स्टैंडन पर बम फोड़ के 29 लोग के जान ले लिहले बाड़न सँ बोको हराम के इस्लामी आतंकी.
  • प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के पटना यात्रा का दिनहीं ऑल इंडिया प्री-मेडिकल टेस्टो के तारीख बा एहसे सगरी मजिस्ट्रेटन के कहल गइल बा कि परीक्षार्थियन के कवनो दिक्कत ना होखे के चाहीं केन्द्र पर चहुँपे में. विद्यार्थीओ लोग से कहल गइल बा कि दिक्कत होखला पर मजिस्ट्रेट के एह बात के जानकारी देस.
  • जदयू के पुरान नेता आ राज्यसभा सांसद रहल साबिर अली फेरू भाजपा में शामिल हो गइल बाड़न. पिछला बेर जब भाजपा में आइल रहलन त मुख्तार अब्बास नकवी का विरोध का बाद फेरू हटा दिहल गइल रहलन. साबिर अली भाजपा में शामिल होखे का बाद कहलन कि भाजपा के बरियार बनावे खातिर हर संभव काम करीहें.
  • बिहार विधानसभा चुनाव में बँवारा गोलन के गठबन्हन का तरफ से सगरी 247 सीट पर चुनाव लड़े के फैसला भइल बा. इहो कहल गइल बा कि बँवारा गठबन्हन साधु यादव के गोल से कवनो रिश्ता ना राखी.
  • आरा सिविल कोर्ट बम विस्फोट मामिला में गिरफ्तार जदयू विधायक सुनील पांडेय के जमानत अर्जी बियफे का दिेन आरा के मुख्य न्यायिक दंडाधिकारी खारिज कर दिहलन.
  • सिवान जीरादेई रेल खंड पर चकरा अखिनिया गांव का नियरा एगो बेफाटक क्रासिंग पर हटिया से गोरखपुर जात मौर्य एक्सप्रेस से एगो वाहन के धक्का लाग गइल जवना से ओह पर सवार एगो मेहरारू आ ड्राइवर के मौत ठाँवे पर हो गइल.
  • बक्सर जिला के नयका भोजपुर गांव में बियफे का दिने गैंगवार में एगो अपराधी के गोली मारके मुआ दीहल गइल.
  • दिवाली का समय से लखनऊ आ दिल्ली के बीच शताब्दी एक्सप्रेस रेलगाड़ी चलावल जाए के जानकारी रेलवे बोर्ड के चीफ ऑपरेटिंग मैनेजर संजीव गर्ग दिहले बाड़न. ई रेलगाड़ी सबेर लखनऊ से रवाना होखी आ शाहजहांपुर, बरेली, रामपुर आ मुरादाबाद होखत दिल्ली जाई.
  • करोड़ो लोग के भाषा भोजपुरी में खबर देबे वाला एह अकेला वेबसाइट के देखे वाला लोग से निहोरा बा कि अधिका से अधिका लोग के एह टटका खबर का बारे में जानकारी देके भोजपुरी के आगा बढ़ावे में आपन सहयोग देसु.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up