टटका खबर (बियफे, 24 सितंबर 2015)

by | Sep 24, 2015 | 0 comments

आयरलैंड यात्रा पर डबलिन चहुँपल पीएम मोदी के भारतीय समुदाय के लोग शानदार स्वागत कइल.

आयरलैंड यात्रा पर डबलिन चहुँपल पीएम मोदी के भारतीय समुदाय के लोग शानदार स्वागत कइल.

  • बिहार विधानसभा चुनाव खातिर महागठबन्हन के पूरा सूची बुध का दिने जारी क दीहल गइल आ एकरा संगही जदयू आ राजद में बगावत के सुर तेज हो गइल. लालू अपना दुनू बेटन के टिकट दिहले बाड़न आ राजद पर अपना परिवार के कब्जा बनवले राखे के जिद हमेशा बतावत रहेलें.
  • पहिला चरण के चुनाव खातिर आखिरी दिने 381 लोग आपन परचा दाखिल कइल. अब कुल 629 लोग परचा दाखिल करा चुकल बा. 49 गो सीट पर होखे वाला एह दौर के चुनाव के वोट 12 अक्टूबर के डालल जाई.
  • भाजपा के कहना बा कि बिहार चुनाव से फरका राखे खातिर महागठबन्हन के राजद आ जदयू के दबाव पर राहुल गाँधी के जबरिया विदेश भेजल गइल बा काहें कि उनुका रैली से महागठबन्हन के आपन नुकसान लउकत बा. कांग्रेस एह बारे में तरह तरह के बयान देके बात के अउरी अझूरा दिहले बिया. बतावल जात बा कि कांग्रेस में अबहिएं से ओह आदमी के खोज होखे लागल बा जे बिहार चुनाव में कांग्रेस के होखे वाला दुर्दशा के जिम्मेदारी सकारो.
  • बिहार चुनाव खातिर बीजेपी के नारा रहे वाला बा – बदलीं सरकार, बदलीं बिहार. देखल जाव कि बिहार के मतदाता एह नारा पर कतना भरोसा करत बाड़े. बिहार के चुनाव अब चौकोनिया हो चुकल बा. बँवारा गोलन के गठबन्हन, सपा के अगुआई वाला गठबन्हन, राजद जदयू आ कांग्रेस के गठबन्हन आ भाजपा के अगुआई वाला गठबन्हन अपना अपना ला मतदाता के रिझावे लागल बाड़े आ एकर फायदा भाजपा वाला राजग के मिले के उमेद जतावल जात बा काहें कि बाकी तीनो गठबन्हन भाजपा विरोधी मत के बाँट बखरा कर लीहें. ओह पर औवेसी के गोल अलगे नुकसान चहुँपावे पर लागल बा तीन गोल वाल ‘महागठबन्हन’ के.
  • बिहार भाजपा के भीष्म पितामह कहाए वाला स्व. कैलाशपति मिश्रा के पतोहू के टिकट ना मिलल त उनकर समर्थक काल्हु बुध का दिने भाजपा कार्यालय में बवाल मचा दिहलें. उनुका वाला सीट पर डा. सीपी ठाकुर के बेटा विवेक ठाकुर के टिकट दीहले बिया भाजपा. दुनू जने भूमिहारे हउवें. ओने जदयू अपना मौजूदा सरकार में स्वास्थ्य मंत्री रामधनी सिंह के टिकट काट दिहलसि त ऊ मंत्री पद आ जदयू से इस्तीफा दे के सपा में चल गइल बाड़न. रुन्नी सैदपुर से जदयू के विधायक गुड्डी देवी के टिकटो काट दीहल गइल त उहो सपा में शामिल हो गइल बाड़ी. मोतिहारी के जदयू नेता अवनीश कुमारो साइकिल पर चढ़ गइल बाड़न. जदयू के भगवान सिंह कुशवाहा राजग में शामिल उपेन्द्र कुशवाहा के गोल में शामिल हो गइल बाड़े.
  • महागठबन्हन के लिस्ट में 62 गो यादव उम्मीदवार उतारल गइल बाड़ें. 84 फीसदी उम्मीदवार अल्पसंख्यक, पिछड़ा भा अनुसूचित जाति जनजातियन से बाड़ें. महज सोलह फीसदी उम्मीदवार सामान्य कोटा वाला बाड़ें. महागठबन्हन के पूरा जोर जाति वादी माहौल बना के फायदा उठावे के बावे.
  • अगस्त 2013 में भइल मुजफ्फरनगर दंगा के जांच खातिर बनावल न्यायमूर्ति विष्णु सहाय आयोग बुध का दिने आपन 775 पन्ना के जांच रिपोर्ट राज्यपाल राम नाईक के सँउप दिहलन. राज्यपाल कहलन कि रिपोर्ट पढ़ला का बादे कुछ कह सकीहें आ आजु बियफे का दिने एह रिपोर्ट के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव के भेज दीहें. जस्टिस सहाय के कहना रहल कि रिपोर्ट दे दिहले बाड़न आ उनुकर कुछ कहल जायज ना कहाई.
  • उत्तर प्रदेश से सुपारी लेके मुंबई में गैंगस्टर जफर खान के मारे आइल चार गो शूटरन के मुंबई पुलिस कुर्ला से गिरफ्तार कर लिहलसि. जफर खान उत्तर प्रदेश में आंबेडकर नगर के मुबारक खान डॉन के भाई हवे. मुबारको जेल में बंद बावे.
  • यूपी में सिगरेट आ तंबाकू पर वैट बढ़ा के चालीस फीसदी क दीहल गइल बा. एहसे एकर शौकीनन के अब अधिका दाम चुकावे के पड़ी.
  • बतावल जात बा कि बँवारा राजनीति के किला बन चुकल जेएनयू के अगिला वाइस चांसलर बनावे खातिर सुब्रह्मण्यम स्वामी के नाम पर विचार होखत बा. आ अतना सुनते बँवारा गोल हरकत में आ गइल बा. पूणे फिल्म इंस्टीच्यूट का तर्ज पर एहिजो बवाल करे के तइयारी शुरु हो गइल बा. ओने स्वामी के कहना बा कि अबहीं अइसन कवनो चरचा नइखे आ जबले सरकार उनकर शर्त मान ना ली तबले ऊ एह पद के सकरबो ना करीहें. उनका शर्त का बारे में कुछ पता नइखे चलत.
  • आयरलैंड के यात्रा पर गइल पीएम मोदी सुरक्षा परिषद में भारत के स्थायी सदस्यता खातिर आयरलैंड से समर्थन मंगले. भारत आ आयरलैंड अब दुनू देश का बीच सीधा विमान सेवा शुरु करे पर सहमत हो गइल बाड़ें. एकरा अलावे आपसी व्‍यापारिक संबंध आ पर्यटन बढ़ावहु के फैसला भइल बा.
  • पीएम मोदी के आध्यात्मिक गुरु स्वामी दयानंद सरस्वती के लमहर बीमारी का बाद काल्हु बुध के देर रात महाप्रयाण हो गइल. हालही में पीएम अपना गुरू से मिले गइल रहुवन.
  • केन्द्र सरकार के 48 लाख कर्मचारियन आ 55 लाख पेंशन भोगियन खातिर सौगात ले के सातवां वेतन आयोग आपन सिफारिश तइयार कर लिहले बा आ जल्दिए एकरा के वित्त मंत्रालय के सँउप दी.
  • आयरलैंड के यात्रा पूरा क के प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी अमेरिका चहुँप गइल बाड़ें जहाँ शुक का दिने ऊ संयुक्‍त राष्‍ट्र महासभा के 70वां अधिवेशन के संबोधित करीहें आ अमेरिकी राष्‍ट्रपति बराक ओबामा आ दुनिया के कुछ अउरी नेता लोग से बातचीत करीहें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up