टटका खबर, बियफे, 28 दिसम्बर 2017

by | Dec 29, 2017 | 0 comments

मुस्लिम समाज के एगो कुप्रथा तलाक-ए-बिद्दत के गैर कानूनी बनावे वाला बिल आजु लोकसभा पारित क दिहलसि. एह कानून में व्यवस्था रही कि तीन तलाक देबे वाला मनई के तीन बरीस के जेल दीहल जा सकी. एह बाल पर विपक्षियन के सगरी आपत्ति खारिज क दीहल गइल. कांग्रेस ऊपरे-ऊपर त अपना के एह बिल के समर्थन में देखवलसि बाकिर भितरे-भीतर एकरा के लटकावहूं के भरपूर कोशिश कइलसि.
जान जाईं कि दुनिया के अनेके देशन में एह तलाक-ए-बिद्दत पर रोक लगा के राखल गइल बा बाकिर हिन्दुस्तान में मुस्लिम वोट बैंक का चलते एकरा खिलाफ कवनो काम करे के हिम्मत ना देखवलसि कवनो सरकार. एह जमात के मनबढ़ सुप्रीम कोर्ट का आदेश का बादो तीन तलाक दीहल जारी रखले रहुवन काहे कि एकरा के गलत त बतावल गइल बाकिर गैरकानूनी ना बनावल रहुवे. अब हर गैरकानूनी काम का तरह एकरो के अपराध बना दीहल गइल बा आ अपराधी के सजा देबे के प्रावधानो बना दीहल गइल बा.
लोकसभा में एह विधेयक के रविशंकर प्रसाद पेश कइलन. आ कहलन कि सगरी गोल के सांसद एह विधेयक के समर्थन करसु काहे कि एहसे मुस्लिम औरतन के जिनिगी चैन से जीए लायक हो जाई. विदेश राज्‍य मंत्री एम जे अकबर कहलन कि ऑल इंडिया मुस्लिम पसर्नल बोर्ड के कवनो हक नइखे कि ऊ सगरी मुसलमानन के तरफ से बोल सको. अब एह विधेयक के राजायसभा में भेजल जाई आ सरकार के उमेद बा कि ओहिजो एकरा के पारित करावल जा सकी.

भारत आजु अपने देश में बनावल सुपरसोनिक इंटरसेप्टर मिसाइल के सफल परीक्षण कइलसि. एह मिसाइल से दुश्मन के भेजल मिसाइलन के गिरे से पहिलही आसमाने में मार गिरावल जाई. भारत अब दुनिया के चउथका देश बन गइल जवना का लगे एह तरह के मिसाइल बावे. अमेरिका, रुस आ इजरायल का लगे पहिलहीं से अइसन इन्तजाम मौजूद बावे.

Music podcasts – Audio Hosting –

निर्वाचन आयोग देश के तीन गो खाली पड़ल लोकसभा सीटन प चुनाव करावे के एलान क दिहलसि. अधिसूचना 3 जनवरी के जारी होखी आ 10 जनवरी ले परचा दाखिल कइल जा सकी. भोटगिनाई 1 फरवरी के होखी. राजस्‍थान में अलवर अउर अजमेर आ पश्चिम बंगाल के उलुबेरिया में ई चुनाव करावल जाई. एकरा साथ ही राजस्‍थान के मंडलगढ आ पश्चिम बंगाल के नौपारा विधानसभा सीटो प चुनाव करावल जाई.

अफगानिस्तान के राजधानी काबुल में एगो शिया सांस्कृतिक केंद्र प फिदायिन हमला से 17 गो मीडियाकर्मियन समेत 41 लोग मरा गइल आ पचासन लोग घवाहिल हो गइल बा. एह हमला के जिम्मेदारी सुन्नी आतंकी संगठन इस्लामिक स्टेट सकार लिहले बावे.

उतार-चढ़ाव के दौर चलावत देश के शेयर बाजार आजु बियफे का दिने गिरावट का साथ बन्द भइलें.

रेल राज्य मंत्री मनोज सिन्हा आजु गाजीपुर सिटी रेलवे स्टेशन प लाइफ लाइन एक्सप्रेस के स्वास्थ्य सुविधा के उद्घाटन कइलन. लाइफ लाइन एक्सप्रेस देश भर में घुम-घुम के आम जनता के स्वास्थ्य सुविधा देत रहेले. अब ले नाहियो त देश भर में दस लाख लोग से अधिका लोग एकर फायदा उठा चुकल बा. गाजीपुर में ई ट्रेन दुसरका बेर आइल बिया.

नोएडा में वायु सेना के जमीन कब्जा क के बनावल 41 गा फार्म हाउसन के बियफे का दिने तूड़ गिरावल गइल. ई फार्म हाउस अपना के बेंवतगर मानेवाला मनबढ़ अधिकारी, वकील, नेता आ उद्योगपतियन के रहुवे.

यूपी बिहार का साथही देश के उत्तरी इलाका आजुकाल्ह गलन वाला जाड़ा का चपेटा में आ गइल बा. दिन दिन भर घाम नइखे निकलत आ जनजीवन अस्तव्यस्त हो के रहि गइल बा.

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आजु अपना समीक्षा विकास यात्रा के दूसरका दौरा में एलान कइलन कि अगिला एक बरीस का भितरे बिहार के हर घर के बिजली कनेक्शन दे दीहल जाई.

भागलपुर टीसन प बियफे का दिने सियालदह-बनारस एक्सप्रेस के एगो बोगी का पैखानाघर में लुका के राखल बोरिया से 64गो अधबन पिस्तौल बरामद कइलसि बाकिर कवनो अपराधी पकड़ में ना आ सकल.

सारण जिला के छपरा इलाका में एगो ट्रक से ले जाइल जात करीब पाँच सौ कार्टन विदेशी शराब जब्त करत पुलिस ड्राइवर आ खलासी के गिरफ्तार क लिहलसि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up