टटका खबर : बियफे, 6 अगस्त 2015

by | Aug 7, 2015 | 0 comments

  • SushmaSwarajलोकसभा में सुषमा स्वराज ललित मोदी प्रकरण में आपन सफाई देत कहली कि लोग बतावे त सही कि ऊ अइसन का कइली जे लोग उनुका पीछे पड़ल बा आ उनकर जबाबो सुनल नइखे चाहत. कहली कि ऊ कबो ललित मोदी के यात्रा दस्तावे देबे के पैरवी नइखे कइली. ऊ त बस इंगलैंड सरकार के अतने बतवले रही कि अगर इंगलैंड अपना कानून का मुताबिक ललित मोदी के कवनो अनुमति देत बा त ओहसे भारत संगे ओकरा संबंध पर कवनो असर ना पड़ी .
  • मोदी सरकार के घमंडी बतावत सोनिया गाँधी कहली कि केन्द्र सरकार नागा समझौता का बारे में पूर्वोत्तर के मुख्यमंत्रियन से राय मशविरा ना कइलसि. जबकि सचाई इ बा कि जहिया एह लोग के बइठक होखे के रहुवे तहिया ई लोग इफ्तार खाए चल गइल रहे. बाद में ई लोग समझौता सराहत ट्विटो कइल जवना के बाद में आलाकमान का दबाव पर हटा लीहल लोग बाकिर तबले कुछ लोग ओकर स्क्रीन शाॅट ले चुकल रहुवे आ सोनिया के झूठ के पर्दाफाश हो गउवे.
  • पश्चिम बंगाल के सारधा शारदा चिटफंड घोटाला में गिरफ्तार मदन मित्रा के जमानत याचिका बियफे का दिने कलकत्ता उच्च न्यायालय खारिज क दिहलसि.
  • बाकी धर्माचार्यम के विरोध का चलते निरंजनी अखाड़ा बिल्डर सचिन दत्ता से संन्यासी बनल सच्चिदानंद गिरि के महामंडलेश्वर पद से बर्खास्त क दिहलसि. एही गुरु पूर्णिमा का दिने 31 जुलाई के उनुका के इलाहाबाद में एक भव्य समारोह क के महामंडलेश्वर बनावल गइल रहे.
  • राज्यसभा में लगातार बवाल करत कांग्रेसी सांसदन का खिलाफ कार्रवाई करे के मांग करत तीस गो राज्यसभा सांसद राज्यसभा के अध्यक्ष एम.हामिद अंसारी के चिट्टी लिखले बाड़े. देखल जाव हामिद अंसारी कवन फैसला लेत बाड़न.
  • जम्‍मू कश्‍मीर के पुलवामा जिला में बियफे का दुपहरिया आतंकवादियन आ सुरक्षाबल के बीच भइल मुठभेड़ में लश्‍कर-ए-तैयबा गुट के एगो आतंकवादी मरा गइल आ एगो भा दू गो आतंकी बगल का घर में घुस गइल जवना के पकड़े के कोशिश होखत बा.
  • पटना के सलीमपुर अहरा इलाका के दलदली रोड में बियफे का भोरे अपना घर का नियरा टहले निकलल एगो भाजपा नेता के तीन गो बदमाश चहेट के गोली मार दिहले. एह वारदात के पूरा सीन बगल के एगो सीसीटीवी कैमरा कैद कर लिहलसि बाकिर पुलिस ओह हत्यारन के अबले पकड़ले नइखे.
  • यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव बियफे का दिने माध्यमिक शिक्षा विभाग के समीक्षा करत कहलन कि राज्य सरकार अपना मॉडल स्कूलन के नवोदय विद्यालय का तरह चलाई आ ओकरा के सीबीएसई बोर्डो से जोड़ सकेला.
  • यूपी के आजमगढ़ में बियफे भोरे एगो कार सड़क किनार खड़ा ट्रक से टकरा गइल जवना चलते ओहपर सवार तीन जने के ठाँवे पर मौत हो गइल आ एक जने घवाहिल हो गइलन.
  • यूपी के निलंबित आईपीएस अफसर अमिताभ ठाकुर यादव सिंह के बचावे खातिर सुप्रीम कोर्ट में दायर यूपी सरकार के स्पेशल लीव पीटिशन के खुला विरोध कइले बाड़न
  • अमिताभ ठाकुर के पत्नी आ सामाजिक कार्यकर्ता डॉ. नूतन ठाकुर बियफे का दिने राज्यपाल राम नाईक के चिट्ठी भेज के मांग कइली कि लोकायुक्त एन.के. मेहरोत्रा खनन मंत्री गायत्री प्रसाद प्रजापति के बचावे के काम करत बाड़न आ एकर जांच होखे के चाहीं. ओने नया लोकायुक्त बनावे खातिर यूपी सरकार के भेजल फाइल राज्यपाल वापिस भेज दिहले बाड़न.
  • पाकिस्तान सरकार नइखे मानत कि उधमपुर में धराइल आतंकी नवेद उर्फ उस्मान ओकर नागरिक ह बाकिर नवेद के बाप के कहना बा कि लश्कर-ए-तैयबा ना चाहत रहुवे कि नवेद धराव आ अब पाकिस्तान में ओकर पूरा परिवार के मारल जा सकेला एह सच के झुठलावे खातिर. एने नवेद से भारत में पूछताछ जारी बा आ पता लगावे के कोशिश हो रहल बा कि पाकिस्तान के साजिश का रहुवे.
  • भारत अक्टूबर में होखे जात तिसरका भारत-अफ्रीका मंच शिखर सम्मेलन खातिर मिस्र के राष्ट्रपति अब्देल फत्तह अल-सिसी के नेवता भेजले बा.
  • भूकंप का बाद तीन महीना से बंद चीन-नेपाल राजमार्ग बियफे का दिने फेरू चालू क दीहल गइल बा.
  • सऊदी अरब में बियफे का दिने एगो फिदायिन हमलावर मस्जिद के निशाना बनवलसि जवना चलते दस गो सिपाही आ मस्जिद के तीन गो कर्मचारियन के मौत हो गइल.
  • अफगानिस्तान के जाबुल प्रांत में बियफे का दिने ओहिजा के सेना के एगो हेलीकाप्टर दुर्घटना के शिकार हो गइल आ 17 जने के मौत हो गइल.
  • अफगानिस्तान के लोगार प्रांत में बियफे का दिने एगो खुदकुशी करेवाला विस्फटक से लदाईल अपना वाहन के उड़ा के छह जने के जान ले लिहलसि.
  • खबरदार अगर कुछ ले दे के आपन काम बनावल चाहत बानी सरकारी कार्यालयन में त सचेत हो जाईं. अब सरकार घूस देबहु वाला के गिरफ्तार क के जेल भेज दिहल जाई.
  • भारती एयरटेल बियफे का दिने दावा कइलसि कि ऊ आपन 4जी सेवा देश के 296 शहरन में शुरू क दिहले बिया आ अब एहिजा के गाहक 3जी सेवा के दाम दे के 4जी सेवा के आनन्द ले पइहें. बस औह लोग के आपन सिम बदलवा के 4जी वाला सिम लेबे के पड़ी.
  • बियफे का दिेन शेयर बाजार में तेजी रहल. बंद होखत बेरा सेंसेक्स बुध का मुकाबले 75अंक आ निफ्टी 20 अंक चढ़ के बंद भइल.
  • लोकसभा बियफे का दिने निगोशियबल इन्‍स्‍ट्रूमेंट्स संशोधन विधेयक-2015 पारित क दिहलसि. एह संशोधन का बाद बैंक के काम इलेक्‍ट्रोनिक प्रणाली से चलावे में सहूलियत हो जाई.
    दुनिया का बाजार में सोना के दाम में गिरावट जारी बा आ बियफे का दिने एकर दाम पिछला चार बरीस मे सबले कम बोलल गइल. दिल्ली में एकर दाम 24 हजार 980 रूपिया हो गइल बा. बाकिर चांदी के दाम बढ़ जाए के खबर बा.
  • भाजपा के बकबकवा बाबू बियफे का दिने केजरीवाल से भेंट कइलन. एह बइठक में उप-मुख्यमंत्री मनीश सिसोदिया और आम आदमी पार्टी के नेता आशुतोषो रहलन.
  • ट्रेंट ब्रिज टेस्ट में ब्रॉड के गेंदबाजी अउर रूट के बल्लेबाजी का सहारे आस्ट्रेलिया के पहिला पारी 60 रन पर समेटत इंगलैंड चार विकेट पर 274 रन बना लिहले बावे.
  • इंडोनेशिया के मेडान में होखत एशिया अंडर-16 चैम्पियनशिप लेवल-1 में भारत के बास्केटबॉल टीम लगातार पांचवां मैच हारत लीगे का दौर में बिना कवनो जीत हासिल कइले बाहर हो गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up