टटका खबर (बुध, 16 सितंबर 2015)

by | Sep 17, 2015 | 0 comments

  • केन्‍द्र सरकार का तरफ से आजु कैबिनेट फैसला कइलसि कि गँवई इलाकन के बदलाव ले आ के ओहिजा के आर्थिक-सामाजिक रूप से विकसित कइल जाव. एह काम ला बनावल श्‍यामा प्रसाद मुखर्जी ग्रामीण शहरी मिशन नाम के योजना ला पांच हजार करोड़ रुपिया से अधिका के मंजूरी दीहल गइल बा. एह बात के जानकारी संचार आ सूचना प्रौद्योगिकी मंत्री रवि शंकर प्रसाद दिहलन. स्मार्ट शहरने का तरह ई स्मार्ट गाँव बनावे के योजना हवे.
  • उत्‍तर प्रदेश में लखनऊ के एगो अदालत बुध का दिने आदेश दिहलसि कि महानिरीक्षक रैंक के निलंबित अधिकारी अमिताभ ठाकुर के फोन पर धमकावे के आरोप में समाजवादी प्रमुख मुलायम सिंह यादव पर केस दर्ज कइल जाव आ पुलिस मामिला दर्ज क के एकर जाँच करे. जान जाईं जे निलबित अधिकारी अमिताभ ठाकुर के जब पुलिस से राहत ना मिलल तब ऊ अदालत के दरवाजा खटखटइलें.
  • कांग्रेस अध्‍यक्षा सोनिया गांधी के दामाद रॉबर्ट वाड्रा के अब देश के बाकी नागरिकने का तरह हवाई अड्डा पर तलाशी लीहल जाई आ उनकर नाम एह तरह के सूची से हटा दीहल गइल बा. फैसला नागर विमानन मंत्रालय के हवे. एने कई महीना से राबर्ट वाड्रा एही खातिर निहोरा करत रहलन कि उनकरो तलाशी कवनो आमे आदमी का तरह लीहल जाव.
  • बिहार विधानसभा चुनाव खातिर बनल जदयू राजद आ काग्रेस के महागठबन्हन बुध का दिने चुनाव आयोग का सोझा गोहार लगवले रहले कि पीएम मोदी के मन की बात कार्यक्रम पर रोक लगा दीहल जाव. बाकिर चुनाव आयोग एह तरह के कवनो आदेश देबे से इन्कार क दिहलसि.
  • बिहार में बँवारा गठबन्हन का तरफ से 81 गो उम्‍मीदवारन के नाम के एलान बुध का दिने क दीहल गइल. बँवारा गोल सगरी सीट से चुनाव लड़े के एलान कइले बाड़े.
  • दुनिया के बाजारन में आइल तेजी देखत भारतो के शेयर बाजार में बुध का दिने तेजी दर्ज भइल. सेंसेक्स में 258 अंक के आ निफ्टी में 70 अंक के बढ़ोतरी भइल. हालांकि रुपिया डालर का मुकाबले दस पइस कम हो गइल.
  • देश के नदियन के जोड़े के काम में आंध्र प्रदेश के मुख्‍यमंत्री एन. चन्‍द्रबाबू नायडू बुध का दिने नदी जोड़ परियोजना के तहत गोदावरी आ कृष्‍णा नदियन के आपस में जोड़े के औपचारिक शुरूआत करा दिहलें.
  • दिल्‍ली के स्‍वास्‍थ्‍य मंत्री सत्‍येन्‍द्र जैन कहले बाड़न कि कवनो निजी अस्पताल डेंगू के जाँच खातिर 600 रुपिया से अधिका ना ले पइहें. कहलन कि कवनो अस्पताल डेंगू मरीज के भरती करे से मना ना कर सकीहें.
  • आगरा के ताजमहल में शूटिंग करावे खातिर अब पहिले से बीस गुना फीस देबे के पड़ी. एक दिन के शूटिंग खातिर अब एक लाख रुपिया बतौर फीस देबे के पड़ी. बढ़ल फीस पहली नवम्बर से लीहल जाई.
  • बिहार विधानसभा चुनाव में कांग्रेस के कोटा वाली सीट पर नाम के एलान राहुल गाँधी के चुनाव अभियान शुरु भइला का बाद करे के फैसला कइले बिया कांग्रेस.
  • बिहार विधानसभा चुनाव के पहिला चरण के 49 सीट पर चुनाव करावे के अधिसूचना आजु जारी हो गइल. एहिजा 12 अक्टूबर का दिने चुनाव करावल जाई.
  • लोजपा के सांसद रामा किशोर सिंह उर्फ रामा सिंह बुध का दिने लोजपा के तमाम पद से इस्तीफा दे दिहलन. भाजपा के कुछ विघायकन के टिकट काट दीहल गइल बा त ऊ लोग बुध का दिने नीतीश कुमार का दरबार में माथा टेके चहुँप गइल लोग.
  • बकरीद पच्चीस सितम्बर के मनावल जाए के एलान बकरीद के चांद देख के पटना फुलवारी शरीफ के इमारत-ए-शरिया का तरफ से कर दीहल गइल बा.
  • गाजीपुर जिला के सैदपुर इलाका में दारूनपुर का नियरा एगो बस पलट गइल आ तीन जने के मौत ठाँवे पर हो गइल.
  • बुध का दिने बिआहल मेहरारू लोग तीज व्रत कइल. एह दिने लोग भगवान शिव के आराधना करेला आ उनकर पूजा अर्जना करेला. दिन भर उपासे रहेला लोग आ अगिला दिने आपन ब्रत तुड़ेला लोग.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up