टटका खबर, (बुध, 18 मार्च 2015)

by | Mar 18, 2015 | 0 comments

(मंगल, 17 मार्च के खबर)

  • लोकसभा चुनाव में आपन जमीन गँवा चुकल कांग्रेस जमीन के राजनीति क के आपन गँवावल जमीन पावे का आशा में आ बाकी विपक्ष ओकर पोंछ ध के वैतरणी पार करे का उमेद में आजु संसद भवन से पैदल राष्ट्रपति भवन तक मार्च कइल लोग. सोनिया गाँधी दावा कइली कि एह विधेयक के कवनो हाल में पास ना होखे दिहल जाई. आल इंडिया अन्‍ना डीएमके, बीजू जनता दल आ बहुजन समाज पार्टी एह जुलूस में शामिल ना रहलें.
  • करिया कमाई से आ कमाई के करिया बनावत बिटोरल धन पर अंकुसा लगावे खातिर बने वाला कानून के आजु केन्द्रीय मंत्रीमण्डल मंजूरी दे दिहलसि. एह विधेयक के संसद के मौजूदे सत्र में पेश कइल जाई. एह कानून के सबले खास बात ई बा कि पहिला बेर करिया धन राखे वाला के जेल के सजा दिहल जा सकी. अब ले लोग थोड़ बहुत जुर्माना दे के बाँच जात रहुवे.
  • देश-विदेश में अपना सवाद खातिर मशहूर बिहार के लीची से अब वाइन बनावल जाई. अबहीं अकेले चीन अइसन वाइन बनावेेला. लीची से बने वाला वाइन बहुते उम्दा किस्म के होखेला आ वाइन में अल्कोहल के मात्रा ह्विस्की भा रम का मुकाबले बहुते कम होला.
  • एगो अमेरिकी अधिकारी के दावा बा कि अमेरिका का तरफ से मुंबई हमला के योजना बनावे वाला लखवी का खिलाफ पुख्ता सुबूत पाकिस्तान के दिहल जा चुकल बा.
  • सुप्रीम कोर्ट सरकारी नौकरियन में जाट समुदाय के दिहल जाए वाला आरक्षण के रद्द क दिहलसि आ कहलसि कि सामाजिक पिछड़ा होखला का बावजूद जाट लोग शैक्षिक आ आर्थिक रुप से पिछड़ा नइखे आ एह लोग के आरक्षण मिलला से असली पिछड़ा समुदाय के नुकसान होखी. जबकि जाट समुदाय के कहना बा कि जब यादव आ गुर्जर समुदाय के आरक्षण दिहल जा सकेला आ जाटो समुदाय के पूरा हक बा आरक्षण लेबे के.
  • बंबई शेयर बाजार में दू दिन बाद आज लिवाली देखल गइल आ सेंसेक्स 299 अंक बढ़ के अउर निफ्टी 90 अंक बढ़ के बंद भइल. खास क के फार्मा, पूंजीगत सामान, एफएमसीजी, टिकाऊ उपभोक्ता सामान, रिफाइनरी, धातु आ बैंकिंग शेयर में लिवाली देखल गइल.
  • बिहार विधानसभा में केंद्रीय मंत्री स्मृति जुबिन ईरानी का बारे में एगो राजद विधायक के बेहूदा टिप्पणी का बाद बवाल हो गइल आ कुरसी फेंका फेंकी के नौबत आ गइल. बाद में राजद विधायक दल के नेता अब्दुल बारी सिद्दिकी अपना गोल के एह विधायक के बोल के निंदा कइलन. विधायक के कहल बात कार्यवाही से निकाले के आदेश दिहलन विधानसभा अध्यक्ष उदय नारायण चौधरी.
  • पश्चिम बंगाल के नदिया में एगो कान्वेंट के नन का साथे सामूहिक दुष्कर्म का मामिला में चर्च के सबले बड़का संस्था वेटिकन का तरफ से भारत के राजनीति में गलत तरीका से दखल देबे के कोशिश करे आ देश के सांप्रदायिक माहौल खराब करे के कोशिश होखत बा. कई साल के यूपीए राज में ईसाई समुदाय के बढ़ल राजनीतिक रसूख में कमी आवत देख वेटिकन परेशान हो गइल बा आ कवनो तरह से दुनिया में देश के माहौल खराब बतावे देखावे में लागल बा. दोष बंगाल के सरकार पर लगवते त दोसर बात रहीत बाकिर दोष केन्द्र सरकार पर लगावल जात बा.
  • संसद के दुनू सदन से रेल बजट 2015-16 के पारित क दिहल गइल. लोकसभा पहिलही पास क देले रहुवे, राज्यसभा से मंगल का दिने मंजूर हो गइल रेल बजट.
  • कर्नाटक में एगो ईमानदार आईएएस अधिकारी डी के रवि के संदेह वाला मौत का मामिला में भाजपा विधायक विधानसभा में सगरी रात धरना दिहें. कर्नाटक सरकार एह मामिला के सीबीआई के नइखे दिहल चाहत.
  • विश्‍वकप क्रिकेट टूर्नामेंट में बुध का दिने पहिलका क्‍वार्टर-फाइनल मुकाबला सिडनी में दक्खिन अफ्रीका आ श्रीलंका के बीच होखे वाला बा.
  • यूपी के प्राथमिक विद्यालयन के सत्र अबसे जुलाई का बजाय अप्रैल महीना से शुरु होखल करी. एह बात के एलान बेसिक शिक्षा मंत्री राम गोविन्द चौधरी विधानसभा में कइलन. कहलन कि निजी विद्यालयन के फीस पर सरकार के कवनो नियन्त्रण के इंतजाम नइखे.
  • यूपी के राज्यपाल राम नाईक आज गोरखपुर के हनुमान प्रसाद पोद्दार कैंसर इन्टीच्यूट एण्ड रिसर्च सेंटर के डाइग्नोस्टिक ब्लॉक के उद्घाटन कइलन. ऊ आज गोरखपुर के मदन मोहन मालवीय तकनीकी विष्वविद्यालय में आयोजित एगो समारोहो में शामिल भइलन.
  • बिहार में मैट्रिक के परीक्षा मंगल का दिन से बिना कवनो अमंगल शुरु हो गइल. राज्य भर में 1217 केन्द्र पर ई ईम्तिहान लिहल जात बा. कई जगहा नकल करत परीक्षार्थियन के पकड़इला के खबर बा.
  • कैमूर जिले के मोहनिया थाना के जीटी रोड पर एगो निजी स्कूल के निदेशक के गोली मार के मुआ दिहल गइल. अपना बेटा के मैट्रिक इम्तिहान दिवा के ऊ लवटत रहलें तबहियें मोटरसाइकिल से आइल हत्यार ऊनुका के गोली मार दिहले. बाद में लोग जम के बवाल काटल आ चार गो पुलिस गाड़ियन के आग लगा दिहल.
  • कैमूर आ बक्सर जिला मंगल का दिने आपन स्थापना दिवस मनवले. एही दिने साल 1991 में रोहतास से अलग क के कैमूर बनावल गइल रहे. आ पचीस साल पहिले बक्सर के जिला बनावल गइल रहुवे.
  • रोहतास जिला के अगरेर इलाका के मोकर गांव का लगे सासाराम-पटना रोड पर सबेरे एगो बस से कचरा के दू गो औरतन के मौत हो गइल आ दू जनी घवाहिल हो गइली. बाद में लोग दू घंटा ले सड़क जाम क दिहल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up