टटका खबर (बुध, 23 सितंबर 2015)

by | Sep 23, 2015 | 0 comments

  • NasimZaidiमुख्‍य निर्वाचन आयुक्‍त नसीम जैदी के नेतृत्‍व में आयोग के एगो टीम बिहार विधानसभा चुनाव के पहिला, दुसरा आ तिसरका दौर के तइयारी देखे समुझे खातिर 27 सितंबर के बिहार दौरा करे वाला बा. एहिजा अबले पहिला दौर खातिर 248 उम्मीदवार आपन परचा दाखिल कइले बाड़े. परचा दाखिल करे के आखिरी दिन बुध 23 सितंबर बावे. एह दौर के वोट 12 अक्टूबर के पड़े वाला बा.
  • पश्चिमी चंपारण जिला के चनपटिया सीट से विधायक रहल चंद्र मोहन राय भाजपा छोड़ दिहले बाड़न काहें कि उनुका बेटा के भाजपा टिकट ना दिहलसि. ओने राजद विधायक भाई दिनेश नया गोल बना के शाहाबाद इलाका के चार गो जिला से आपन उमेदवारन के लड़ावे के एलान कइले बाड़न. मंत्री रह चुकल जदयू के पुरान नेता रामप्रकाश महतो जदयू से आ राजद नेता भगवान सिंह कुशवाहा आ राघवेन्द्र प्रताप सिंह अपना गोल से इस्तीफा दे दिहले. 32 गो पूर्व विधायक सपा में शामिल हो गइल बाड़ें.
  • सपा प्रमुख मुलायम सिंह यादव बिहार विधानसभा चुनाव के कमान पार्टी के यूथ ब्रिगेड के दे दिहले बाड़न. मंगल का दिने पटना के एसके मेमोरियल हॉल में बोलावल सपा के कार्यकर्ता मिलन समारोह में उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री अखिलेश सिंह यादव के हुंकार भरला का बाद महागठबंधन आ राजग के सोझ लड़ाई के तिकोनिाबन जाए के उमेद हो गइल बा.
  • सारण जिला के दिघवारा इलाका के आमी चैनपट्टी गांव में मंगल का दिने गैस सिलिण्डर फटला का चलते एके परिवार के तीन गो औरतन के मौत हो गइल आ चार जने घवाहिल हो गइल बाड़ें.
  • गोपालंगज मंडल जेल के एगो कैदी इलाज खातिर सदर अस्पताल ले आइल गइल रहुवे आ ओहिजा से फरार हो गइल बा. पुलिस अब ओकरा के पकड़े खातिर छापामारी करत बिया.
  • कांग्रेस उपाध्यक्ष राहुल गांधी फेरु विदेश यात्रा पर चल गइल बाड़न बाकिर कांग्रेस बतावल नइखे चाहत कि ऊ कहाँ आ काहे गइल बाड़न आ कतना दिन ले विदेशे रहीहें. सोशल मीडिया पर मजाक कइल जात बा कि महागठबन्हन के निहोरा प राहुल के देश के बाहर भेज दीहल गइल बा. सोशल मीडिया का मुताबिक राहुल भाजपा के सटर प्रचारक जइसन काम कर देलें.
  • इलाहाबाद उच्‍च न्‍यायालय यूपी सरकार के एगो अउर झटका देत उत्‍तर प्रदेश उच्‍च शिक्षा सेवा आयोग के अध्‍यक्ष लालबिहारी पांडे के बहाली रद्द कर दिहले बिया. मुख्‍य न्‍यायाधीश डी वाई चन्‍द्रचूड़ आ न्‍यायमूर्ति यशवंत वर्मा के पीठ ई फैसला दिहले बिया.
  • उत्तर प्रदेश में पंचायत चुनाव के अधिसूचना सोमार का दिने जारी हो गइल. यूपी में चार चरण में 9 अक्टूबर से 29 अक्टूबर का बीच चुनाव करावल जाई आ 1 नवंबर के गिल जाई. एह चुनाव खातिर केन्द्र सरकार से केन्द्रीय सुरक्षा बल मागल गइल रहे जवना से केन्द्र मना कर दिहले बा. केन्द्र के कहना बा कि स्थानीय चुनावन ला केन्द्रीय सुरक्षा बल ना दीहल जा सके.
  • यूपी में नया लोकायुक्त चुने ला मुख्यमंत्री के अध्यक्षता में तीन सदस्य वाला चयन समिति के अगिला बइठक 27 सितंबर के होखे वाला बा. एह बात के जानकारी समिति के सदस्य आ विधानसभा में विपक्ष के नेता स्वामी प्रसाद मौर्य मंगल का दिने पत्रकारन के दिहलन. कहलन कि एह ला 2011 का बाद रिटायर भइल हाई कोर्ट जज लोग के नाम पर विचार होखी.
  • बसपा सुप्रीमो मायावती के कहना बा कि एन.आर.एच.एम. घोटाला से उनकर कवनो नाता नइखे. बाकिर सीबीआई के तरफ से उनुका से पूछताछ करे के बात राजनीतिक बदला खातिर होखत बा.
  • भदोही के निजामपुर में एगो कालीन बुने वाला कारखाना से बिहार के अररिया जिला के बीस गो बच्चा मजदूरन के आजाद करावल गइल. एह बचवन के उमिर नौ से चौदह बरीस के बीच के बा. कारखाना के मालिक का खिलाफ मुकदमा दर्ज हो गइल बा.
  • प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी आजु बुध का सबेरे आयरलैंड होत संयुक्‍त राष्‍ट्र अमरीका के एक सप्‍ताह के यात्रा पर रवाना होइहें. बुध का दिने ऊ आयरलैंड के राजधानी डबलिन चहुँप के आयरलैंड के प्रधानमंत्री एंडा कैनी का साथे आपसी हित के मसलन पर शिष्‍टमंडल स्‍तर के बातचीत करीहें. पिछला साठ साल में पहिला बेर कवनो प्रधानमंत्री आयरलैंड जाए वाला बाड़े. अमेरिका में अपना व्यस्त कार्यक्रम में पीएम मोदी संयुक्‍त राष्‍ट्र के वर्ष 2015 के बाद विकास एजेंडा सम्‍मेलन, शांति शिखर वार्ता आ जी-चार समूह के बइठकन के संबोधित करीहें. एकरा अलावे अमेरिका संगे बातचीत आ कई देशन के माथ नेता लोगन से मुलाकातो होखे वाला बा. एके होटल में ठहरला का बावजूद पाकिस्तानी प्रधानमंत्री नवाज शरीफ का साथे उनकर मुलाकात के कवनो योजना नइखे. एह दौरा में पीएम मोदी सिलिकॉन वैलीओ जइहें आ फेसबुक, गुगल, माइक्रोसाफ्ट, एप्पल अउर टेसला मोटर समेत कुछ कंपनियन के प्रमुखन से मिलिहें. सेनहोजन में भारतीय समुदाय के संबोधन अउर फेसबुक मुख्‍यालय में आम लोग से उनकर बातचीत एह दौरा के खास कार्यक्रम रहे वाला बा.
  • केन्‍द्रीय मंत्रिमंडल के सुरक्षा संबंधी समिति प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी के अमरीका यात्रा से पहिलही अमरीकी विमानन कंपनी बोइंग के साथ अरबों डॉलर के हैलीकॉप्‍टर सौदा के मंजूरी दे दिहले बिया. एहमें 22 गो अपाची अटैक हैलीकॉप्‍टर आ 15 गो चिनूक हैवी लिफ्ट हैलीकॉप्‍टर खरीदे के मंजूरी दीहल गइल बा. एह सौदा के दू गो हिस्सा होखी. पहिलका में कंपनी के दुसरका पर अमरीकि सरकार के दस्तखत होखी. अमरीकी सरकार से एह हैलीकॉप्‍टरन में लागे वाला हथियारन, रडारन आ अउरी इलेक्‍ट्रोनिक युद्धक उपकरणन के बारे में सहमति लीहल जाई.
  • पश्चिम बंगाल भाजपा के नेता जॉय बनर्जी के ओह बयान पर निर्वाचन आयोग भाजपा अध्यक्ष अमित शाह के चिट्ठी भेज के सफाई मंगले बावे जवना में बनर्जी कहले रहन कि चुनाव आयोग भाजपा के पाकिट में काबू में बावे. आयोग एह बयान के आपन अपमान मनले बावे.
  • केन्द्र सरकार ओह पालिसी ड्राफ्ट के जनता का विरोध का बाद वापिस ले लिहले बिया जवना में कहल गइल रहे कि व्‍हाट्सऐप आ कुछ अउरी सोशल मीडिया पर भेजल अपना संवाद के मूल प्रति 90 दिन ले सम्हार के राखे के पड़ी. संचार अउर सूचना प्रौद्योगिकी मंत्री रवि शंकर प्रसाद कहलन कि ऊ कवनो सरकारी पालिसी ना रहुवे आ ई महज एगो ड्राफ्ट रहुवे जवना पर जनता के राय मांगल गइल रहुवे. अब एकरा के वापिस ले के फेर से तइयार करावे के कहल गइल बा जवना में साफ साफ बतावल जाव कि कवन बात केकरा पर लागू होखी. कहलन कि केन्द्र सरकार सोशल मीडिया के आजादी के समर्थक हिय.
  • भाजपा आरोप लगवले बिया कि कांग्रेसी सरकार किसानन के सहमति लिहले बिना ओह लोग के लाखो एकड़ जमीन हड़प लिहले बिया. पुरनका आंध्र प्रदेश में अइसनका पांच लाख सात हजार एकड़ जमीन किसानन के ले लीहल गइल बा.
  • सेबी का तरफ से मंगल का दिने पी ए सी एल लिमिटेड आ ओकरा चार गो निदेशकन पर 7269 करोड़ से अधिका के जुर्माना लगावल गइल. एह कंपनी पर जनता से धोखाधड़ी क के रुपिया जुटावे के आरोप बा आ ई अबले के सबले बड़हन जुर्माना होखी.
  • जम्‍मू-कश्‍मीर में पुलवामा जिला के अवन्तिपुरा इलाका के कावनी गांव में मंगल का दुपहरिया में पुलवामा के रहे वाला एगो आतंकी जहाँगीर अहमद गनई के मुठभेड़ क के मार गिरावल गइल.
  • मंगल का दिने देश के शेयर बाजारन में फेरू बड़हन गिरावट आइल आ सेंसेक्‍स 541 अंक आ निफ्टी 65 अंक गिर के बंद भइल. रुपियो में डालर के मुकाबले 15 पइसा के कमजोरी आइल.
  • 2 से 11 अक्तूबर का बीच न्यूजीलैंड के ऑकलैंड, नेलसन आ क्राइस्टचर्च में भारत आ न्यूजीलैंड का बीच छह गो हॉकी टेस्ट मैच खेलल जाई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up