टटका खबर, (बुध, 25 मार्च 2015)

by | Mar 25, 2015 | 0 comments

(मंगल, 24 मार्च के खबर)

  • जर्मन एयर लाइन्‍स लुफ्थांसा के सहायक कंपनी जर्मन विंग्‍स के एयर बस हवाईजहाज दक्खिनी फ्रांस में स्‍पेन के तटवर्ती शहर बार्सिलोना से जर्मनी के डुसेलडोर्फ जात घरी गिर पड़ल जवना से ओह पर सवार सगरी डेढ़ सौ लोग के मौत हो गइल. जहाज के मलवा खोज लिहल गइल बा.
  • उच्‍चतम न्‍यायालय मंगल का दिने एगो ऐतिहासिक फैसला देत सूचना-प्रौद्योगिकी कानून के धारा-66 ए रद्द कर दिहलसि. कहलसि कि एकरा से संविधान से मिलल आपन राय जाहिर करे के अधिकार छीनाता. फैसला का बाद एकरा के लागू करावे वाला लोग स्वागत करे में सबले आगा लउकल बाकिर शिवसेना आ जदयू एह फैसला से नाखुशी जाहिर कइले. पिछला दिने एगो स्कूली विद्यार्थी के सपा नेता आ मंत्री आजम खाँ का बारे में एगो टिप्पणी पोस्ट कइला का चलते इहे धारा लगावत गिरफ्तार कर लिहल गइल रहे.
  • पिछला साल महाराष्‍ट्र में सूखा से प्रभावित किसानन के राहत ला केन्द्र सरकार दू हजार करोड़ रुपिया मंजूर कइले बिया जवना साल 2013 में दिहल राहत से चौगुनो से बेसी बा. बाढ़ प्रभावित हिमाचल प्रदेश आ उत्‍तर प्रदेश राज्यनो के जरूरी सहायता देबे के फैसला लिहल गइल बा.
  • केन्द्र सरकार देश भर में खाद्य प्रसंस्‍करण खातिर 17 गो बड़हन फूड पार्क बनावे के मंजूरी दे दिहलसि. 11 राज्‍य में बने वाला एह पार्कन में से सात गो पार्क सरकारी एजेंसियन के आ दस गो निजी कंपनियन के दिहल गइल बा. एहसे पाँच लाख किसानन के फायदा होखे के बात कहल जात बा.
  • नेशनल हेराल्ड अखबार के संपति हथियावे के आरोप में चलत मुकदमा के खारिज करावे खातिर कांग्रेस अध्‍यक्ष सोनिया गांधी मंगल का दिने दिल्‍ली उच्‍च न्‍यायालय में कहली कि एह मामिला में उनुका, राहुल गांधी आ पांच गो अउरी लोग के खिलाफ जारी सम्मन गैर कानूनी रहे, एह मामिला में कवनो तरह के धोखाधड़ी नइखे भइल आ सब कुछ खुल्लमखुला कइल गइल बा. उनकर वकील कपिल सिब्बलो कहलन कि संपति हथियावे के एह काम में केहू का साथे कवनो धोखाधड़ी नइखे कइल गइल.
  • भारत आ श्रीलंका के मछुआरन के बीच मंगल का दिने चेन्‍नई में बातचीत के तिसरका दौर चलल. जवन बुधो का दिन जारी रही.
  • कंगना रानावत के हिंदी फिल्‍म क्‍वीन में कइल अभिनय खातिर सबले बढ़िया अभिनेत्री के राष्‍ट्रीय पुरस्‍कार ला चुन लिहल गइल बा. एह बात के एलान नई दिल्‍ली में 62वां फिल्‍म पुरस्‍कार के जूरी के अध्‍यक्ष पी भारती राजा कइलन. विकास बहल निर्देशित फिल्म क्‍वीन के सबले बढ़िया हिंदी फीचर फिल्‍म चुनल गइल बा आ फिल्‍म मैरी कॉम के समहर मनोरंजन देबे वाला सबले बढ़िया लोकप्रिय फिल्‍म.
  • मंगल का दिने भइल विश्वकप क्रिकेट के पहिला सेमीफाइनल में दक्खिन अफ्रीका के हराके न्‍यूजीलैंड विश्‍व कप क्रिकेट के फाइनल में पहुंच गइल बा. पहिला बेर न्‍यूजीलैंड आइल बा विश्‍व कप फाइनल में. दुसरका सेमीफाइनल बियफे का दिने भारत आ ऑस्‍ट्रेलिया का बीच होखे वाला बा.
  • लगातार पांचवा दिने मंगलो के देश के शेयर बाजार में बिकवाली के दौर जारी रहल.
  • बिहार बोर्ड के मैट्रिक परीक्षा मंगल का दिने पूरा हो गइल. मई के आखिरी हफ्ता में एकर रिजल्ट आवे के उमेद बा. बोर्ड के कोशिश बा कि सीबीएसई के रिजल्ट से पहिले रिजल्ट दे दिहल जाव जेहसे दोसरा राज्यन में दाखिला लेबे वाला विद्यार्थियन के दिक्कत मत होखे.
  • विजिलेंस के टीम मंगल का दिने रोहतास के सिविल सर्जन डॉक्टर अशोक कुमार सिंह के एक लाख रुपिया के घूस लेत उनुका कार्यालय से गिरफ्तार कर लिहलसि. अनुकम्पा के आधार पर सहायक के पद पर नियुक्त दीपक कुमार के सेवा संपुष्टि खातिर एह घूस के मांग कइल गइल रहे.
  • बिहार आ पूर्वांचल में 26 आ 27 मार्च के बदरी घेरे आ बुन्दाबूनी के अनेसा जतवले बावे मौसम विभाग.
  • मोतिहारी पुलिस पिपरा थाना के बिस्मभरापुर गांव से पांच गो अपराधियन के असलहा समेत गिरफ्तार क लिहलसि.
  • सिवान पुलिस एगो होटल से दू गो अपराधियन के गिरफ्तार क लिहलसि. एकनी का बारे में खुफिया जानकारी मिलल रहे कि ई कवनो अपराध करे के योजना बनावत बाड़े.
  • यूपी विधानसभा के दू गो सीट पर होखे वाला उपचुनाव खातिर परचा दाखिल करे के आखिरी दिन रहुवे मंगल. फरेन्दा आ चरखारी सीट पर चुनाव करावल जाई. 27 तारीख ले लोग आपन परचा वापिस ले सकी आ 11 अप्रेल के वोटिंग होखी. गिनती 15 अप्रेल के होखी.
  • जौनपुर जिला के रामपुर थाना के यादवनगर में आज एक महतारी बाप आ बेटी जहर खा के जान दे दिहले. बाप आ बेटी के मौत हो गइल बा आ महतारी के हालत खराब बा. बतावल जात बा कि पारिवारिक कलह का चलते ई लोग जहर खइलसि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up