टटका खबर (बुध, 26 अगस्त 2015)

by | Aug 26, 2015 | 0 comments

  • लागत बा कि बाकायदा साजिश क के देश के शांति भंग करे के कोशिश का तहत गुजरात में पटेल समुदाय के भड़कावल गइल बा. पटेलन के अगुआई के दावा करे वाला हार्दिक पटेल आआपा के केजरीवाल के नजदीकि रहल बा आ ओकरा समर्थन में अरविन्द केजरीवाल आ नीतीश कुमार खुल के सामने आ गइल बाड़े. हालांकि नीतीश के समर्थन दिहला पर शरद यादव के कहना बा कि ई नीतीश के निजी राय हो सकेला. शरद यादव कहलन कि पटेल लोग समृद्ध आ विकसित बा अ ओह लोग के गरीबन के पेद पर डाका ना डाले के चाहीं. पता ना लालू आ शरद यादव जइसन लोग के खानदान के मिले वाला आरक्षण से बाकी गरीबन के पेट पर डाका पड़ेला कि ना.
  • गुजरात के बवाल पर प्रधानमंत्री मोदी सभका से शांति बनवले राखे के गोहार लगवले बाड़न. कहलन कि गाँधी आ सरदार पटेल के भूमि पर एह तरह के हिंसा चिंता वाली बात बा. हिंसा से आजु ले केहु के भल नइखे भइल. हर मुद्दा के समाधान शांति से कइल जा सकेला. गुुजरात में बवालियन के काबू करे का फेर में पुलिस के गोली ले चलावे के पड़ गइल. एह बवाल मेंं छह लोग के जानो चल गइल बा आ करोड़ों के नुकसान भइल बा. कई शहरन में कर्फ्यू लगा के राखल बा.
  • केन्‍द्र सरकार के कर्मचारियन ला बनावल गइल सातवां वेतन आयोग के अउरी चार महिना के टाइम दे दीहल गइल बा.
  • उच्‍चतम न्‍यायालय साल 2012 में केरल का लगे समुद्र में दू गो मछूआरन के हत्या करे वाला इटली के दू गो नौसैनिकन का खिलाफ अदालती कार्यवाही रोक दिहले बावे. एह खातिर भारत आ इटली दुनू के सरकार निहोरा कइले रहुवे. अगिला सुनवाई अब अगिला साल जनवरी में कइल जाई.
  • करिया धन पर काबू करे ला भारत आ सेशेल्स का बीच समझौता हो गइल बा. भारत आइल सेशल्‍स के राष्‍ट्रपति जेम्‍स एलिक्‍स मिशेल आ पीएम मोदी का बीच बातचीत का बाद एह पर दस्तखत हो गइल. एकरा अलावे चार गो अउर समझौतो पर दस्तखत भइल बा.
  • उधमपुर आतंकी हमला का दौरान गिरफ्तार पाकिस्तानी आतंकी मोहम्‍मद नवेद आजु जम्‍मू में मजिस्‍ट्रेट का सोझा आपना इकबालिया बयान दिहलसि. आजु एगो आतंकी के बारामूला में भइल मुठभेड़ में मार गिरवले सुरक्षा बल के जवान.
  • पीएम के एलान कइल बिहार पैकेज के झूठ के पुलिंदा बतावे वाला नीतीश के आलोचना करत भाजपा कहले बिया कि नीतीश कुमार के आपन हार तय लागत बा एहीसे ऊ एह तरह के बयान देत बाड़ें. भाजपा नेता आ परिवहन अउर राजमार्ग मंत्री नितिन गडकरी कहलन कि सवा लाख करोड़ रूपिया के पैकेज के एक-एक बात सही बा आ सगरी पर अमल कइल जाई.
  • बाम्बे स्टाक एक्सचेंज में मंगल का दिने उतार-चढाव का बीच आखिर में बिकवाल फेरू हावी हो गइलें आ सेंसेक्स 318 अंक गिरके 26 हजार से नीचे चल गइल. निफ्टीओ में 89 अंक के गिरावट दर्ज भइल. रुपिया डालर का मुकाबले चार पइसा कमजोर हो गइल.
  • महिला एथलीट टिंटू लूका रियो ओलंपिक के आठ सौ मीटर स्‍पर्धा खातिर क्‍वालीफाई कर लिहली बाकिर चीन के राजधानी पेइचिंग में चलत विश्व एथलेटिक्स प्रतियोगिता में अगिला दौर में ना जा सकली आ सतवां जगहा रह गइली.
  • कर्नाटक उच्च न्यायालय सानिया मिर्जा के दिहल जाए वाला राजीव गांधी खेल रत्न पुरस्कार पर रोक लगाके केन्द्र सरकार के नोटिस जारी कइले बावे. पैरा एथलीट एच एन गिरिशा के कहना बा कि सानिया के मुकाबले ऊ एकर बढ़िया हकदार बाड़ी.
  • यूपी के नयका लोकायुक्त के बहाली का मामिला में राज्यपाल आ राज्य सरकार के बीच चलत मतभेद पर विधानसभा में मंत्री लोग एकरा पर आपन आपत्ति दर्ज करावल. जबकि राज्यपाल पर सदन में चरचा ना कइल जा सके.
  • इलाहाबाद में दू गो नवहियन आ एगो नवहिन के लाश रेलवे लाइन से बरामद भइल बा. एगो नवही आ नवहिन फाफामऊ के कोचिंग में पढ़त रहलें आ कर्जन पुल का लगे रेलगाड़ी से कटा के आपन जान दे दिहलें. दुसरका नवही के लाश टैगोर टाउन इलाका में रेल लाइन पर मिलल.
  • विधान सभा चुनाव के तइयारी का बारे में बतियावे खातिर बिहार के मुख्य निर्वाचन पदाधिकारी अजय नायक के काल्हु बुध का दिने नई दिल्ली बोलवले बावे चुनाव आयोग.
  • राजद विधायक केदारनाथ सिंह आजु छपरा के स्थानीय अदालत में समर्पण कर दिहले. केदार नाथ सिंह पर जदयू के विधायक रहल उपेन्द्र सिंह के अंगरक्षक के हत्या करे के आरोप बा.
  • बिहार भर में मंगल दुपहरिया से जोरदार बरखा होखे के खबर बा. पूर्वांचलो में बरखा भइल बा आ अगिला कुछ दिन ले लगातार बरखा के मौसम बनल रहीं.
  • सिवान जिला के महादेवा ओपी इलाका के गौशाला रोड में मंगल का दिने एगो पिकअप वैन के धक्का से एगो नवही के मौत का बाद लोग जम के बवाल काटल आ ओह पिकअप बैन में आग लगा दीहल.
  • मुंबई के शीना बोहरा मर्डर केस पूरा चरचा में आ गइल बा. सभे जाने चाहत बा कि आखिर का बात रहुवे जवना चलते एगो महतारी अपना बेटी के बहिन बता के रखले रहुवे आ बाद में ओकर जान ले लिहलसि. स्टार इंडिया के सीओ रहल पीटर मुखर्जी से शादी करे वाली इंद्राणी के ई तिसरका शादी रहुवे आ शीना दोसरका मरद से भइल बेटी रहुवे. बाकिर पीटर के अब पता चलल बा कि शीना उनुका बीबी के बहिन ना बेटी रहुवे. तीन बरीस पहिले शीना के हत्या करा के लाश गायब कर दीहला का बाद इंद्राणी सभका से कह दिहली कि ऊ केहू का साथे अमेरिका चल गइल बिया.
  • अमेरिका के वर्जिनिया में एगो लाइव टीवी शो के दौरान दू गो पत्रकारन के गोली मारके हत्या क दीहल गइल. अगर अमेरिका का तरह भारतो में गनकल्चर रहीत त पता ना एहिजो कई गो पत्रकारन के हत्या हो गइल रहीत. काहे कि कई बेर टीवी पत्रकार हर मर्यादा लांघ देलें आ एकतरफा रिपोर्टिग करे लागेलें.
  • एगो ऑनलाइन डेटिंग साइट एशले मेडिसन डॉट कॉम के गाहकन के साँस रुकल बा जब से खबर आइल बा कि साइट के ग्राहकन के जानकारी लीक हो गइल बा आ छिनरपन करेवाला लोग मने मन गोहरावत बा कि उनुकर नाम एह लिस्ट में मत होखो. भेद खुल गइल त केहू के मुँह देखावे जोग ना रह जाई लोग. एह साइट के नारा रहुवे जिनगी छोट बा एही में अफेयर चला ल.
  • केन्द्र सरकार काल ड्राप पर काबू करे खातिर कंपनियन पर दबाव बनावत एह तरह के कंपनियन पर जुर्माना लगा सकेले.
  • पाकिस्तान के सर्वोच्च न्यायालय खैबर पख्तूनख्वा प्रांत में कट्टरपंथियन के भसावल एगो हिंदू मंदिर के फेरू से बनवावे के आदेश दिहले बावे. एह मामिला के अगिला सुनवाई 7 सितंबर के होखे वाला बा. ठीके कहल जाला कि बंदो घड़ी दिन में दू बेर सही समय बतावेले.
  • भारत के एगो उद्योगपित संजीव मेहता देश पर सौ साल ले राज करे वाली ईस्ट इंडिया कंपनी के खरीद लिहले बाड़े. साल 1600 में शुरु भइल ई कंपनी 17वीं आ 18वीं शताब्दी में दुनिया पर राज करत रहुवे.
  • दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविन्द केजरीवाल बियफे का दिने नीतीश कुमार का साथे मंच साझा करे वाला बाड़न.
  • औवैसी के गोल जबसे बिहार में चुनाव लड़े के एलान कइले बा तबसे सेकूलर कहाए वाला गोलन के साँस रुक गइल बा. भाजपा औवैसी का खिलाफ कुछु नइखे बोलात बाकिर बाकी गोल बेचैन हो गइल बाड़ें. भाकपा त भाजपा आ ओवैसी का बीच कवनो साँठगाँठ के आरोप लगावत दुुनू के खेल के भंडाफोड़ करे के बात करत बिया. भाकपा के महासचिव एस सुधाकर रेड्डी के कहना बा कि एआईएमआईएम के बिहार में चुनाव लड़ला से मजहबी आधार पर ध्रुवीकरण हो सकेला जवना के फायदा भाजपा के हो जाई.
  • पहिला बेर कवनो औरत उत्तर प्रदेश के कवनो विश्वविद्यालय के प्रॉक्टर बनल बाड़ी आ ई गौरव मिलल बा लखनऊ विश्वविद्यालय अंग्रेजी विभाग के अध्यक्ष प्रो. निशी पांडेय के जिनका के लखनऊ विश्वविद्यालय के नयका प्रॉक्टर बनावल गइल बा. पिछला प्राक्टर प्रो. मनोज दीक्षित के इस्तीफा दे दिहला का बाद निशि पाण्डेय के प्राक्टर बनावल गइल बा.
  • हाशिमपुरा दंगा पीड़ितन के मुआवजा देबे में यूपी सरकार के पक्षपात पर हाई कोर्ट जब सवाल पूछलसि त सरकार से जवाब दीहल नइखे बनत. एह दंगा में नाहियो त तीन सौ लोग के जान गइल रहुवे बाकिर सरकार एगो खास मजहब के 42 लोगे के मुआवजा देत बिया. बाकी लोग के रामभरोसे मान लिहल गइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे -
भा
सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up