टटका खबर : बुध, 29 जुलाई 2015 (सबेर)

by | Jul 29, 2015 | 0 comments

    बलिया जिला के रसड़ा में एगो भोजपुरी फिलिम के शूटिंग शेड्युल का दौरान रात में अपना पति संगे सूतल नायिका रुपाली पर फिलिम के निर्देशके तेजाब फेंक के मरद मेहरारू के झउँसा दिहलसि. निर्देशक सुखपुरा इलाका के मिड्ढा गाँव के अजय पुजारी के एह मामिला में गिरफ्तार कर लीहल बा. नायिका रुपाली गाजीपुर के रेहाती मालीपुर के रुपाली रही जे बिहार के भोजपुर जिला के बड़हरा गाँव के एगो आदमी विकास कुमार ओझा से शादी कर लिहले रही जवना से आशिक अजय पुजारी नाराज हो गइल रहे. बतावल जात बा कि बाकायदा योजना बना के शूटिंग के शेड्युल रखलसि आ रात बेरा दुनू पर तेजाब फेंक दिहलसि. रुपाली के पूरा चेहरा खराब हो गइल बा आ विकासो के हाथ जर गइल बा. नायिका आ निर्देशक के एह इश्क का चलते निर्माता के पूंजी फँस गइल काहे कि फिलिम त अब बने से रहल.

  • पर साल भइल मऊ के बसपा नेता परशुराम तिवारी के हत्या के मामिला में गवाह के हत्या के सुपारी लिहले बदमाश जब हत्या करे अइलें त पुलिस का हाथे चढ़ गइले. बलिया पुलिस एह चारो बदमाशन के गिरफ्तार कर लिहले बिया.
  • बलिया के सतनी सराय इलाका में रहत एगो कपड़ा व्यवसायी के घर में मंगल के रात ताला तूड़ के लाखों रुपिया के गहना सामान चोरा लीहल गइल. घर के लोग बिहार के भागलपुर गइल रहुवे जब ई घटना भइल. मौका ए वारदात देख पुलिस के लागत बा कि कवनो जनतब एह काम में शामिल रहुवे.
  • वाराणसी के भेलुपुर थाना में जर्नी बाई जुकासो अभियान चला के गाहकन के ठगे के आरोप में कंपनी का खिलाफ मुकदमा लिखवले बाड़न लंका निवासी सिद्धार्थ अवस्थी. बतवलन कि टूर का बहाने उनुका के आपन गाहक बना के कंपनी उनका खाता से करीब एक लाख रुपिया निकाल लिहले बिया आ कतहीं टूर पर भेजे का नाम पर हीला हवाली करत बिया.
  • मकान के झगड़ा ले के गाजीपुरके जमानियां में स्कूल चलावे वाला आ कपड़ा व्यापारी संतोष जालान के मंगल के दुपहरिया गोली मार के हत्या कर दीहल गइल.
  • उत्तर प्रदेश में मुलायम सिंह का खिलाफ धमकावे के शिकायत करे वाला आ बाद में निलंबित क दीहल आईपीएस अधिकारी का खिलाफ पहिले त एगो थाना में बलात्कार के कोशिश के मुकदमा दर्ज करावल गइल आ अब लोकायुक्त किहाँ उनुका खिलाफ आमदनी से अधिका के संपति राखे के मुकदमा दर्ज करावल गइल बा. लोकायुक्त अमिताभ ठाकुर के आपन सफाई देबे खातिर 6 अगस्त तक के समय दिहल गइल बा.
  • बिहार में फर्जी कागजात का आधार पर नौकरी पवले शिक्षकन में से तीन हजार से अधिका लोग अबले आपन नौकरी छोड़ चुकल बा. हाई कोर्ट के सलाह बा कि फर्जीवाड़ा करे वाला सभ जने अपने से इस्तीफा दे देसु ना त जाँच में पकड़इला का बाद बहुते फजीहत हो जाई.
  • भागलपुर के सबौर थाना में प्राइवेट मुंशी के काम करत अनुसूचित जाति के संजय कुमार नीरज के एगो सिपाही अमन कुमार गोली मार दिहलसि जवना से संजय के मौत ओहिजे हो गइल. घर परिवार के कहना बा कि संजय के हत्या थानेदार करवले बाड़ी.
  • सिवान जिला के दरौदा इलाका के बगौरा पासी टोला में एगो नाचवाली के मुहब्बत का फेर में आर्केस्ट्रा मालिक अपना कर्मचारी के धमकावे चहुँपल त गाँव के लोग ओकरा के ध के बान्ह लीहल आ ओकर एकनाली बंदूक आ बैग छीन लीहल. गाछ में बान्ह के पीटत रहे लोग त गाँवे के एगो आदमी आ के छोड़ा दिहलसि जवना का बाद आर्केस्ट्रा मालिक भाग निकलल. एहमें कर्मचारी के बाप का तरफ से थाना में केस लिखावल गइल बा.
  • सारण जिला के मढ़ौरा इलाका के एगो गाँव मसहा में बाप बेटा का बीच झगड़ा आ मारपीट का बाद पतोहु का ओर से ससुर का खिलाफ बदसलूकी के केस लिखावल गइल बा.
  • खेत खाए गदहा मार खाए जोलहा. कर्मचारियन का हड़ताल का चलते जगदम काॅलेज छपरा में पार्ट थ्री के फार्म ना भरा पाइल त विद्यार्थियन के झुंड प्राचार्य के घेर लिहले आ बन्हक बना लिहले. बगल से गुजरे वाला सड़को के घंटन जाम क दीहल गइल. बतावल जात बा कि हालात से परेशान प्रभारी प्राचार्य आपन इस्तीफा दे दिहले बाड़न.
  • जीतन राम माँझी के पार्टी हिन्दुस्तानी अवाम मोर्चा (सेकूलर) के चुनाव आयोग से पार्टी के मान्यता मिल गइल बा. एह बीच दबाव बनावत माँझी कहले बाड़न कि अगर मान राखे लायक सीट ना दीहल जाई त ऊ राजग में शामिल ना रहीहें आ अकेले सगरी सीट से चुनाव लड़इहें अपना उम्मीदवारन के.
  • राष्ट्रपति रहल डॉ. ए.पी.जे. अब्दुल कलाम के पार्थिव शरीर आजु दिल्ली से तमिलनाडु में उनके पैतृक निवास रामेश्वरम आ गइल. अब काल्हु बियफे का दिने उनुका के सैनिक सम्मान का साथे सुपुर्दे खाक कइल जाई. एह खातिर जिला प्रशासन अबिल काबिल दरगाह का नियरा तीन गो जमीन के पहचान कइले बा जवना का बारे में आखिरी फैसला परिवार से बात कर के कइल जाई.
  • उड़ीसा उच्च न्यायालय ओडिशा न्यायिक सेवा-2015 प्रारंभिक परीक्षा के रद्द कर दिहलसि आ कहले बा कि दुबारा परीक्षा करावल जाव. पिछला परीक्षा में पूछल सवालन में से 26 फीसदी या त गलत रहली सँ या सिलेबस से बाहर के रहली सँ. टाइपिंग आ व्याकरण के गलतिओ बहुते रहल.
  • गोवा में लुई बर्जर रिश्‍वत घोटाला ले के कांग्रेसी सरकार में मंत्री रहल चर्चिल अलेमाओ के बयान दर्ज करवलिस पुलिस. तब के कांग्रेसी मुख्यमंत्री दिगंबर कामतो के बोलावल रहुवे बाकिर दिगम्बर अइलन ना.
  • येन केन प्रकारेण अपना फाँसी के लटका देबे में लागल याकूब मेनन आ ओकर समर्थक कवनो कसर बाकी नइखन छोड़त. सुप्रीम कोर्ट आ महाराष्ट्र के राज्यपाल का लगे ओकरा याचिका पर विचार होखते बा तले ऊ राष्ट्रपति का लगे दुबारा दया याचिका दायर कर के अपना फाँसी के उमिर कैद में बदले के गोहार लगवले बावे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up