टटका खबर (बुध, 30 सितंबर 2015)

by | Sep 30, 2015 | 0 comments

  • LaluPrasadYadav-2007-Keasriya-Biharलालू यादव पर जातिवादी भाषण देबे ला आ सुशील मोदी पर वोटरन के लालच देबे का आरोप में मुकदमा दर्ज करवले बावे प्रशासन. एह लोग के भाषण के वीडियो टेप मंगा के चुनाव आयोग जाँच शुरू कर दिहले बावे. लालू प्रसाद पर राघोपुर में खुलेआम जातिवादी भाषण देबे के आरोप बा त सुशील मोदी पर कैमूर के एगो जनसभा में जीतला पर नवहियन के लैपटाप देबे के वादा कइला के आरोप बा.
  • भाजपा निर्वाचन आयोग से सवाल कइले बा कि कवनो सजायाफ्ता मुजरिम खुलेआम चुनाव प्रचार कइसे करत बा. भाजपा के निशाना पर चारा घोटाला में जेल के सजा पा चुकल बाकिर जमानत पर छूटल लालू प्रसाद बाड़न.
  • सारण जिला के डोरीगंज इलाका में दफदरपुर गाँव के एगो चिकितसक के छह बरीस के पोता के कुछ बदमाश किडनैप क लिहले बाड़े. घटना मंगल के सबेर में भइल. एकरा बाद नाराज गाँव वाले सड़क पर जाम लगा दिहलें आ बहुत मानमनौव्वल का बाद चार घंटा बाद जाम हटावल जा सकल. चिकित्सक हरेराम प्रसाद के बड़का बेटा रेलवे में नौकरी करेला आ ओकरे बेटा के किडनैप कइले बाड़े सँ बदमाश.
  • गोपालगंज जिला के कटेया में सोमार के रात बोलावल गइल अखाड़ा मेला में आर्केस्ट्रा पर नाचत नचनिया के नाच देखत लोग पर पुलिस अचके लाठी चार्ज क दिहलसि आ एह भगदड़ में नाहियो त एक दर्जन लोग घवाहिल हो गइल. पुलिस के कहना बा कि कवनो लाठी चार्ज ना भइल रहुवे आ नाच रोके खातिर एकाध गो पुलिस वाले लाठी भाँज के भीड़ के भगावत रहले. पुलिस के कहना बा कि पहिलही बता दीहल रहे कि अखाड़ा के दौरान आर्केस्ट्रा पर पूरा रोक लगावल गइल बा.
  • नवादा में बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश के जनसभा में जदयू के कुछ विरोधी चप्पल जूता लहरवलें आ मोदी मोदी के नार लगवले. ई लोग नीतीश कुमार वापस जाओ के नारो लगावत रहुवे. बाद में पुलिस दू दर्जन लोग के एह मामिला में गिरफ्तार कर लिहलसि.
  • बलिया के चिलकहर इलाका के नरांव गाँव के प्राइमरी स्कूल में गलत जबाब दिहला पर एगो लड़िका के मुर्गा बने के दंड दिहलन स्कूल के प्रेरक. बाकिर ओह लड़िका के तबियत खराब रहला का चलते ई दण्ड बर्दाश्त ना भइल आ ऊ ओहिजे गिर पड़ल. तुरते ओकरा के अस्पताल ले के गइल लोग बाकिर ओहिजा डाक्टर ओकरा के मरल बता दिहलें. बाद में बीएसए चहुँपलन आ लड़िका के परिवार पर दबाव डाल के सुलहनामा बनवा लिहलन आ मामला के रफा दफा क दीहल गइल.
  • सोमार के देर रात बलिया जिला क गड़वार नगरा रोड पर असनवार चट्टी का लगे भइल सड़क हादसा में गश्ती पर निकलल पुलिस चौकी के दीवान के मौत हो गइल. 59 बरीस के हरिश्चन्द्र राम आजमगढ़ जिला के मकबूलपुर के रहे वाला रहलन आ ताखा पुलिस चौकी पर दीवान के काम करत रहलन.
  • बलिया टीसन का लगे चौक रोड पर एगो कास्मेटिक दुकान के गोदाम में मंगल का सबेर में आग लाग गइल आ घंटन के मेहनत के बाद ओह आग पर काबू पावल जा सकल. लाखो रुपिया के सामान जर गइल एह घटना में.
  • एगो बात बेबात राजनीतिक रसूख वाला लोग अस्पतालन में बवाल काटे के आदी हो गइल बा जवना चलते अनेके डाक्टर दहशत के माहौल में काम करे पर मजबूर बाड़ें. सरकारी अस्पतालन खातिर अब डाक्टर काम करे के तइयार नइखन होखत जवना चलते सरकारी डाक्टर के बहाली खातिर खाली पद का बराबरो डाक्टर आवेदन नइखन करत. मंगल का दिने अइसने एगो बवाल कुछ लोग अपना राजनीतिक रसूख का बल पर बलिया के जिला अस्पताल के ब्लडबैंक पर काटल. एह लोग के खून के बदले खून देबे के कहल गइल त तइयार ना भइलें बिना खून दिहले ब्लड बैंक पर खून देबे के दबाव बनावे लगलन. पंचायत चुनाव के माहौल में सबले आसान काम हो गइल बा अस्पताल के डाक्टरन आ कर्मचारियन के हड़का के अपना वोटरन के खुश कइल. अलग बात बा कि एकर नतीजा आम आदमी के भोगे पड़त बा.
  • सोलह बरीस बाद एगो मिलावटी दूध बेचे वाला दूधिया के सात साल जेल काटे के सजा हो गइल. बलिया बांसडीह के बुंदेला यादव के दूध में यूरिया मिलल रहे बाकिर अदालती फैसला आवे में सोलह बरीस लाग गइल. फैसला का बाद पुलिस एह दुधिया के जेल भेज दिहलसि.
  • एक हप्ता पहिले मिर्जापुर के एगो होटल संचालक के बेटा के कुछ बदमाश किडनैप करे के कोशिश कइलन. अब पुलिस एह मामिला के खुलासा करत छह गो अपराधियन के ध लिहले बिया आ ओकनी का लगे से अपहरण में इस्तेमाल कइल मैजिक गाड़ी आ पाॅँच गो मोबाइल फोन जब्त कर लिहले बिया. पुलिस के दबाव का चलते किडनैप कइल लड़िका के छोड़ दिहले रहले सँ बदमाश.
  • सुन्नी ‎इस्लामी आतंक के धमक भारत के पड़ोस में बांग्लादेश ले हो गइल बा अब. सोमार का दिने ढाका के राजनयिक इलाका में इटली के एगो नागरिक के इस्लामिक स्टेट के हमलावर गोली मार के हत्या क दिहले. इस्लामिक स्टेट एह बात के सकारियो लिहले बा.
  • दिल्ली से सटल यूपी के दादरी इलाका में सोमार के रात एगो पचास बरीस के आदमी के कुछ लोग पीट पीट के मुआ दिहलसि काहे कि ऊ आ ओकर परिवार गाय के माँस खइले रहुवे. गाँव के लोग अखलाक आ ओकरा बेटा के खींच के गांव के बाहर ले गइल आ जम के पिटाई कइल. अखलाक के मौत ओहिजे हो गइल आ बेटा के गंभीर हाल में अस्पताल में भरती करावल गइल बा. पुलिस एह मामला में छह लोग के गिरफ्तार कर लिहले बिया.
  • साल 2006 के मुंबई के लोकल ट्रेनन में भइल सीरियल बम ब्लास्ट के नौ बरीस बाद विशेष अदालत एक दर्जन दोषियन के आजु सजा सुनावे वाली बा. एह विस्फोटन से 188 लोग के मौत भइल रहुवे.
  • अपना के मोदी विरोधियन के केन्द्र बनावे के कोशिश में दिल्ली के बेकामी मुख्यमंत्री (काम उपमुख्यमंत्री मनीष सिसोदया के जिम्मे बा) अरविंद केजरीवाल पाँच गो मुख्यमंत्रियन का साथे आजु दिल्ली में बइठक करे जात बाड़े. हालांकि यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव एह नौटंकी से अपना के अलग कर लिहले बाड़ें.
  • अब गुलाम काश्मीर के लोग पाकिस्तानी हुकूमत का खिलाफ आन्दोलन करत सड़क पर उतरल शुरु हो गइल बा. काल्हु गुलाम काश्मीर में अनेके जगहा विरोध प्रदर्शन भइल जवना के पाकिस्तानी सुरक्षा बल बहुते दमन करत खतम करावे के कोशिश कइलन.
  • एक हप्ता के सफल विदेश यात्रा का बाद प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी देश लवट आइल बाड़न.
  • रक्षा मंत्री मनोहर पर्रिकर नौसेना के युद्धपोत आइएनएस कोच्चि के आजु राष्ट्र के समर्पित करीहें. चार हजार करोड़ लगा के देशे में बनल एह विराट युद्धपोत से भारतीय नौसेना के मारक क्षमता बहुते बढ़ जाई. ई विध्वंसक पोत के कोलकाता श्रेणी के दुसरका जहाज ह जवना के देश में बनावल गइल बा आ एह पर लगावल अधिकांश हथियारो देशे में बनावल गइल बा. दस बरीस पहिले दिल्ली श्रेणी के विध्वसंक युद्धपोतन के नौसेना में शामिल कइल गइल रहे.
  • गूगल के सीईओ सुंदर पिचाई के ससुर ओलाराम हरयानी 70 बरीस का उमिर में 65 बरीस के विधवा से शादी कर लिहले. शादी आर्यसमाजी रीति से करावल गइल.
  • भारतीय रिजर्व बैंक मंगल का दिने आपन रेपो रेट में आधा फीसदी के कमी क दिहलसि जबकि उमेद चौथाईए फीसदी के कइल जात रहुवे. एह कटौती का बाद अब होम का कार लोन के ब्याज में कमी होखे के उमेद बन गइल बा आ कुछ बैंक काल्हुए कटौती के एलानो कर दिहले. एह कटौती के चौतरफा स्वागत भइल बा काहे कि एकरा से अर्थव्यवस्था में तेजी आवे के उमीद बन गइल बा. एह फैसला के स्वागत करत निवेशक जम के लिवाली कइलन आ सेंसेक्स में162 अंक के आ निफ्टी में 48 अंक के बढ़त दर्ज भइल.
  • मंगल का दिने दिल्ली में चलत आठवां एशियाई एयर गन चैम्पियनशिप में भारत के निशानेबाज गुरप्रीत सिंह के रजत पदक आ जीतू राय के कांस्य पदक हासिल भइल. जूनियर 10 मीटर एयर पिस्टल वर्ग में भारत के सुमेध कुमार के स्वर्णपदक आ हेमेंद्र सिंह कुशवाह के रजत पदक मिलल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up