टटका खबर : बुध, 5 अगस्त 2015 (बलिया-छपरा)

by | Aug 5, 2015 | 0 comments

  • मध्य प्रदेश के हरदा में काल्हु रात माचक नदी पर बनल पुल पर दूगो रेलगाड़ी पटरी से उतर गइली सँ जवना से 27 जने के मौत हो गइल आ बहुते लोग घवाहिल हो गइल बा. मरे वालन के गिनिती बढ़े के अनेसा बा काहे कि बचाव के काम अबहीं चलत बा. एह रेलगाड़ियन में मुंबई से वाराणसी जात कामायनी एक्सप्रेस आ पटना से मुंबई जात जनता एक्सप्रेस शामिल बा. हादसा का बाद एह रूट पर गाड़ियन के आवाजाही रुक गइल बा आ 24 गो रेलगाड़ियन के रुट डबदल के चलावल जात बा.
  • जम्मू-कश्मीर के उधमपुर में आजु बुध का भोरे कुछ आतंकी श्रीनगर जात बीएसएफ के काफिला पर हमला बोल दिहलें जवना से दू गो जवानन के मौत हो गइल आ 8 जने घवाहिल हो गइलें. हमला सबेरे साढ़े सात बजे भइल. जवाबी कार्यवाई में एगो आतंकी के मार गिरावल गइल बा. चार गो आतंकियन में से एगो घवाहिल आतंकी बगल के घर में लुका गइल बा आ ओकरा के पकड़े के कोशिश होखत बा. बाकी दू गो आतंकी जंगल में भाग गइल बाडे सँ.
  • सारण जिला के रसूलपुर चट्टी बुनियादी विद्यालय के विद्यार्थी मंगल का दिने अपना स्कूल के मास्टरन के चहेट चहेट के पीटलें. ओकनी के बवाल देखत चट्टी के दुकानो बंद हो गइली सँ. बाद में चहुँपल एकमा पुलिस हालात पर काबू पवलसि. लड़िकन के बवाल पोशाक आ छात्रवृति के रुपिया ना मिलला का चलते भइल.
  • गोपालगंज के जादोपुर थाना के हरिहरपुर गांव में सोमार के रात एगो मजदूर के ओकरा घर से बोलवा के पीट पीट के हत्या कर दिहलें कुछ लोग. बाद में ओकर लाश ओकरा घर का सोझा फेंक के जीप से आइल बदमाश भाग गइलें.
  • गोपालगंज के एगो आदमी के शस्त्र लाइसेंस के मामला पिछला पन्द्रह साल से लटकवले राखे खातिर गोपालगंज के जिलाधिकारी पर दस हजार रुपिया के जुर्माना लगा दीहलस एगो अदालत. इजाज हसन नाम के आदमी के शिकायत रहुवे कि आर्म्स लाइसेंस ला दीहल ओकरा आवेदन पर कवनो फैसला नइखे दीहल जात आ पन्द्रह बरीस से मामला लटकल बा.
  • सरयू नदी में पानी बढ़ला का चलते सारण जिला के रिविलगंज में कुछ इलाका में बाढ़ के पानी भरे लागल बा. एह चलते जीगना गाँव के संपर्क प्रखण्ड से टूट गइल बा. आवाजाही के रास्ता के घुमा के ढेर लमहर हो गइल बा. ई फजीहत करीब करीब हर साल बरसात का सीजन में हो जाले.
  • यूपी में अनुसूचितन के जमीन बेचे पर लागल रोक सरकार हटा लिहले बिया. कहल त ई जात बा कि एहसे ओह लोग के जरूरत मुताबिक जमीन बेचे के काम आसान हो जाई बाकिर होखी इहेकि गंँवे गँवे ओह लोग के सगरी जमीन दोसर लोग साम दाम दण्ड भेद का सहारे बाकी लोग हथिया ली. पहिले नियम रहुवे कि कम जमीन राखे वाला अनुसूचित जाति के आदमी के जमीन डीएमो बा बेचवा सकत रहलें आ अब ऊ बिना केहु से पुछले बेच ली.
  • बलिया जिला के उभांव थाना डीएवी ढाला का लगे मंगल देर साँझ कुछ बदमाश एगो नवही के छुरा घोंप घोंप के मुआ दिहले. बाद में ओह नवही के गाँव के लोग थाना घेर लीहल आ ढेलामारी करे लागल. एह से दू गो सिपाही घवाहिल हो गइले.
  • तिखमपुर के एगो नर्सिग होम में खून के धंधा होखे के मामिला सामने आइल. एगो आदमी आरोप लगवलसि कि ओकरा देह से एक बोतल खून जाँच करे का बहाने निकाल लीहल गइल. जब ओकर नजर खून के बोतल पर पड़ल त ऊ अपना घर से लोग के बोलवा लिहलसि. लोग खून निकाले वाला कर्मचारी के धुनाई क के पुलिस के दे दीहल बाकिर पुलिस मामिला के रफा दफा करा दिहलसि.
  • बिहार सरकार सूखा से निपटे खातिर डीजल सब्सिडी पाँच रुपिया हर लीटर पर बढ़ावे के फैसला कइलसि.
  • दाँत के डाक्टरी पढ़ाई करे वालन के अब आपन चार बरीस के कोर्स हद से हद नौ बरीस में पूरा कर लेबे के पड़ी ना त ओह लोग के निकाल दीहल जाई आ ऊ लोग कबो दाँत के डाक्टर ना बन पाई. पहिले एह तरह के कवनो रोक ना रहुवे आ मेडिकल में अबहियों अइसन कवनो नियम नइखे बनावल गइल.
  • सिवान से बारात ले के डुमरांव जात एगो बोलेरो के ड्राइवर के बलिया के हल्दी इलाका में रोक के कुछ बदमाश पिटाई क दिहलें. पिटाई करे वाला बदमाश वैगन आर से पीछे से अइले आ ओवरटेक क के बोलेरो रोकववलें. एह मामिला में केहु के गिरफ्तारी नइखे भइल.
  • गाजीपुर में भदौरा टीसन का लगे ओवरहेड वायर टूटला का चलते राजधानी एक्सप्रेस करीब अढ़ाई घंटा ले रुकल रहल. बाकी रेलगाड़ियन के पहिलहीं रोक दीहल गउवे आ बाद में तार ठीक कइला का बाद रेलगाड़ियन के आवाजाही शुरू हो सकल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up