टटका खबर (बुध, 7 अक्टूबर 2015)

by | Oct 6, 2015 | 0 comments

  • अपना गोमांस वाला बयान से फेरा में पड़ल लालू मंगल का दिने कहलन कि कुकुर पोसे वाला लोग गाय पाले वाला लोग के उपदेश मत देव.
  • बिहार विधान सभा के चुनाव जस जस नियरात बा तस तस नेता लोग, खास क के लालू प्रसाद बदजुबानी बढ़ल जात बा. गाय के मांस खाए का बारे में दीहव बयान का बाद लाल़ू अलगा थलगा पड़ गइल बाड़न. राहुल त अब उनका साथे लउकलो नइखन चाहत.
  • बिहार में चुनाव प्रचार के दौरान एक-दोसरा का खिलाफ नफरत वाला भाषण देबे के आरोप में लालू प्रसाद, ओवैसी आ अमित शाह का खिलाफ केस दर्ज करावल गइल बा.
  • बिहार विधान सभा चुनाव के चउथा दौर के चुनाव के अधिसूचना आजु बुध का दिने जारी होखे वाला बा. ई चुनाव 1 नवंबर के करावल जाई आ एकरा में 55 सीट के चुनाव होखे वाला बा. ई सीट पश्चिमी चंपारण, पूर्वी चंपारण, मुजफ्फरपुर, सीतामढ़ी, शिवहर, गोपालगंज आ सिवान के हई सँ. परचा दाखिल करे के आखिरौ दिन 14 अक्टूबर बावे.
  • अठाईस अक्टूबर के होखे वाला तिसरका दौर के चुनाव ला अबले 351 जने आपन परचा दाखिल कइले बाड़न. परचा दाखिला के काम बियफे 8 अक्टूबर ले चले वाला बा.
  • जदयू के बड़का नेता आ लालू प्रसाद के बहुत करीबी रहल सांसद रंजन यादव मंगल का दिने भाजपा में शामिल हो गइलन.
  • सभके जान के अचरज होखी कि बिहार के दस करोड़ आबादी खातिर बिहार सरकार का लगे महज 95 गो सरकारी बस बाचल बाड़ी सँ.
  • भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष अमित शाह के कहना बा कि भाजपा खातिर लालू से बड़का चुनौती ओवैसी बाड़न.
  • वाराणसी में काल्हु के बवाल का बाद आजु शांति रहल. सगरी स्कूल कॉलेजन के बंद कर दीहल बा. प्रतिकार यात्रा में शामिल रहल कांग्रेसी विधायक अजय राय समेत पचासन लोगन के गिरफ्तार कर लीहल बा.
  • दादरी घटना पर केन्‍द्र के भेजल रिपोर्ट में यूपी सरकार गोमांस के बात नइखे कहले ना ही इहे बतवले बिया कि अखलाक के हत्या काहे भइल. बस थाना में दर्ज जानकारी पठा के आपन काम चला लिहले बिया.
  • यूपी में क्षेत्र आ जिला पंचायत चुनाव के पहिला दौर के चुनाव 9 अक्टूबर के होखे वाला बा आ एकर प्रचार के काम बुध के साँझ से बंद हो जाई.
  • इलाहाबाद के नैनी इलाका के पंजाबी हाता सब्जी मण्डी में मंगल का दिने एगो मकान में धमाका का बाद तिमंजिला मकान भस गइल आ चार जने घवाहिल हो गइलें. कुछ लोग अबहियों मलबा में दबाइल हो सकेला.
  • प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी मंगल का दिने कहलन कि उनकर सरकार लमहर समय से चलल आवत निवेशकन के चिंता दूर करे ला बहुते निर्णायक फैसला लिहले बिया. बंगलुरू में भारत-जर्मन कारोबारी शिखर बैठक में बोलत पीएम मोदी के कहना रहे कि सरकार भारत के दुनिया में मैन्‍युफैक्‍चरिंग के गढ़ बनावे ला बहुते मेहनत करत बिया.
  • पश्चिम बंगाल के राज्‍य चुनाव आयुक्‍त सुशांत रंजन उपाध्‍याय अपना पद से इस्तीफा दे दिहले बाड़न बाकिर राज्यपाल अबहीं ओकरा के सकरले नइखन आ ममता बनर्जी के लवटे तक तिकवे के कहले बाड़न. जान जाईं कि हाल ही में भइल तीन गो नगर निकाय चुनाव में बहुते हिंसा आ चुनावी गड़बडि़यन के शिकायत होखत बा आ वाम दल, भाजपा अउर कांग्रेस के लोग राज्य चुनाव आयुक्त के कहना बा कि अतना धांधली का बादो चुनाव रद्द नइखे कइल जात.
  • साल 84 के दंगा भइला का दुईए बरीस बाद मिलल सम्मान लपक के लेबे वाली नयनतारा सहगल मंगल का दिने आपन साहित्‍य अकादमी पुरस्‍कार लवटा दिहली काहे कि उनुका लागत बा कि देश मेंं असहिष्‍णुता बढ़ल जात बा. जान जाईं कि नयनतारा सहगल जवाहर लाल नेहरु के भांजी हई.
  • पूरा तरह से देशे में बनावल पहिलका तारपीडो आ रिकवरी जलपोत आई एन एस अस्‍त्रधारणी के मंगल का दिने विशाखापट्टनम में नौसेना में शामिल क लीहल गइल.
  • छप्पन दिन ले ‘गायब’ रहला का बावजूद कांग्रेस उपाध्यक्ष राहुल गांधी एह दौरान के वेतन आ भत्ता संसद से उठवले बाड़न जवना के खुलासा संघ के मुखपत्र आर्गनाइजर में कइल गइल बा. कांग्रेस के कहना बा कि एहमें कुछउ गलत नइखे आ सांसदन के एह तरह के अधिकार मिलल बा.
  • शेयर बाजार में मंगलो का दिने तेजी बरकरार रहल. सेंसेक्स 147 अंक आ निफ्टी 34 अंक चढ़ के बंद भइल. हालांकि पाँच दिन के तेजी के सिलसिला तूड़त रुपिया 12 पइसा के कमजोरी का साथे बंद भइल.
  • न्यूजीलैंड से मैच खेले गइल भारतीय टीम आज नेल्सन के मैदान में आपन पहिलका मैच दू गोल से हार गइल आ अपने कवनो गोल ना कर सकल.
  • अब रेलवे के प्लेटफार्म टिकट मोबाइले से बुक करावल जा सकेला. एकर शुरुआत 9 अक्टूबर के मुंबई से होखी आ जल्दिए पूरा देश में एकरा के लागू क दीहल जाई.
  • अमेरिकी एयरलाइन्स के एगो विमान उड़ावते में पायलट के दिल के दौरा से मौत हो गइल. बाकिर स पायलट ओकरा के सही सलामत उतार लिहलसि आ कवनो हादसा ना भइल. एह विमान पर डेढ़ सौ लोग सवार रहुवे.
  • यमन के अदन शहर का एगो होटल प मंगल का दिने भइल हमला में बारह जने के मौत हो गइल. एही होटल में राष्ट्रपति पद से हटावल मंसूर हादी सरकार के लोग रहत बा.
  • सउदी अरब के मक्का में हज का दौरान शैतान के ढेला मारत घरी मचल भगदड़ में मरे वाला भारतीयन के गिनिती 74 हो गइल बा.
  • एह खबरन का अलावे आजु के टटका टटका खबर देखल मत भुलाएब.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up