टटका खबर (मंगल, 15 सितंबर 2015)

by | Sep 16, 2015 | 0 comments

RanilWikramSinghe-with-NaMo

  • प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आ श्रीलंका के प्रधानमंत्री रानिल विक्रमसिंघे के प्रतिनिधमंडल स्तर के बातचीत के बाद दुनू देश आपसी संबंधन के अउरी आगा ले जाए आ बढ़ावे खातिर आपन प्रतिबद्धता बतवले. चिकित्सा अउर अंतरिक्ष विज्ञान में सहयोग बढ़ावे खातिर चार गो समझौतन पर दस्तखत भइल. साझा बयान में पीएम मोदी कहलन कि श्रीलंका हमनी के रक्षा प्रशिक्षण कार्यक्रम में सबले बड़का भागीदार हवे आ दुनू देश आगहू एह सहयोग के बनवले आ बढ़वले राखल चहीहें. मछुआरन के मुद्दा पर कोशिश जारी राखे के बात कहल गइल बा.
  • नागपुर में मंगल का दिने विश्‍वेश्‍वरैया राष्‍ट्रीय प्रौद्योगिक संस्‍थान के 13वें दीक्षान्‍त समारोह में राष्‍ट्रपति प्रणब मुखर्जी कहनी कि नवाचार आ उद्यमशीलता के क्षेत्र में क्षमता बढ़ावे में राष्ट्रीय प्रौद्योगिकी संस्थानन के आगे बढ़ चड़ के आपन भूमिका निभावे के चाहीं. राष्ट्रपति एह बात पर खुशी जतवनी कि दुनिया के सबले माथ 200 संस्थानन में पहिला बेर भारत के दू गो संस्थानन के शामिल कइल गइल बा. एहमें बेंगलूरू के भारती विज्ञान संस्‍था आ दिल्‍ली के भारतीय प्रौद्योगिकी संस्‍थान के नाम बा.
  • दक्षिण पूर्व एशियाई देशन – कम्‍बोडिया अउर लाओस – के चार दिन के यात्रा पर उपराष्‍ट्रपति मोहम्‍मद हामिद अंसारी कम्‍बोडिया के राजधानी प्‍नौमपंग चहुंप गइल बाड़न. बुध का दिने ऊ कम्‍बोडिया के प्रधानमंत्री हुन सेन से बतियइहें आ कम्‍बोडिया नेशनल असम्‍बली के अध्‍यक्ष हेंग सामरिन अउर सीनेट के अध्‍यक्ष साय छुम से भेंट करीहें.
  • भाजपा आजु अपना केन्‍द्रीय चुनाव समिति के बइठक का बाद बिहार विधानसभा चुनाव खातिर आपन पहिलका सूची जारी क दिहलसि. एह बइठक में पार्टी अध्‍यक्ष अमित शाह, बिहार चुनाव प्रभारी अनन्‍त कुमार, मध्‍यप्रदेश के मुख्‍यमंत्री शिवराज सिंह चौहान, केन्‍द्रीय मंत्री जे पी नड्डा अउर नितिन गडकरी आ बिहार के भाजपा नेता सुशील कुमार मोदी शामिल रहलें. बाद में पीएम मोदीओ बइठक में शामिल भइलें.
  • बिहार विधानसभा चुनाव के पहिला चरण के मतदान खातिर अधिसूचना बुध का दिने जारी हो जाई आ एही दिन से पहिला चरण के परचा दाखिल करे के काम शुरू हो जाई.
  • इलाहाबाद उच्‍च न्‍यायालय के फैसला से नाराज यूपी के शिक्षा मित्र दू दिन से क्लास नइखन लेत. एह लोग के मांग बा कि एह लोग के फेरू सहायक शिक्षक मान लीहल जाव.
  • देश के निर्यात पिछला नौ महीना से लगातार घटले जात बा आ घटत घटत अगस्‍त में 20.7 फीसदी घट के 21 अरब तीन करोड डॉलर हो गइल बा. ई गिरावट दुनिया में आइल मंदी आ उपभोक्‍ता सामानन के दाम कम भइला का चलते भइल बा. एह बीच आयातो में दस फीसदी के कमी आइल बा बाकिर व्‍यापार घाटा पिछला साल अगस्‍त के मुलाबले एह साल के अगस्‍त में बढके 12 अरब पांच करोड डॉलर हो गइल.
  • मंगल का दिने बॉम्‍बे स्‍टॉक एक्‍सचेंज में बिकवाली के दौर चल गइल आ सेंसेक्‍स 151 अंक गिर के बंद भइल जबकि निफ्टी 43 अंक कम हो के. रुपियो में डालर के मुकाबले तीन पइसा के कमी हो गइल.
  • भारत के तरूण कोना आ एन. सिक्की रेड्डी के जोड़ी कोरिया ओपन सुपर सीरिज बैडमिंटन टूर्नामेंट में मिक्स्ड डबल्स के क्वालीफाइंग दौर में हार के बाहर हो गइल बा.
  • हालही में मजलिस ए मुशावरात के जलसे में हामिद अंसारी के भाषण के आरएसएस निराश करे वाला बतवले बा. संघ के मुखपत्र पांचजन्य के नवका अंक में लिखल गइल बा कि उपराष्ट्रपति के भाषण कवनो मजहबी फिरकावाराना नेता के भाषण जइसन लागल.
  • आआपा नेता आ पिछला दिल्ली सरकार में कानून मंत्री रहल सोमनाथ भारती के दिल्ली हाई कोर्ट से राहत मिल गइल जब हाई कोर्ट उनुका गिरफ्तारी पर दू दिन के रोक लगा दिहलसि. सोमनाथ भारती पर उनकरे मेहरारू घरेलू हिंसा आ उनकर जान लेबे के कोशिश करे के केस कइले बाड़ी.
  • सात साल के कोशिश आ बतकही का बाद अब 20 सितंबर के नेपाल के नयका संविधान जारी होखे के उमेद जतावल जात बा. ई संविधान नेपाल के धर्मनिरपेक्ष रूप बरकरार राखी आ हिन्दू राष्ट्र ना बने दी.
  • महाराष्ट्र में सरकार के फैसला आइल बा कि अब ओही ड्राइवर के आटो रिक्शा चलावे के लाइसेंस दीहल जाई जे स्थानीय भाषा मराठी बोले वाला होखी. जे लोग मराठी बोल आ समझ ना पाई ओह लोग के ड्राइवरी के लाइसेंस ना दीहल जाई.
  • केरल में इस्लामिक स्टेट के समर्थक होखे का अनेसा में चार गो नवहियन के गिरफ्तार क लिहले बिया पुलिस. एहनी के मंगल का दिने जब गिरफ्तार कइल गइल तब ई लोग अबू धाबी से एहिजा चहुँपल रहुवे.
  • राजग में भइल सीट बंटवारा से नाराज हो के माँझी के गोल के एगो बड़ नेता देवेंद्र यादव जे केन्द्र में मंत्री रह चुल बाड़न पहिले इस्तीफा दे दिहल. देवेन्द्र यादा मधुबनी जिला के झंझारपुर से 5 बेर सांसद रहल बाड़ें. आ साल 1996 में देवेगौड़ा सरकार में खाद्य आपूर्ति मंत्री रहलन. ओकरा बाद से जनता पार्टी, लोकदल, जनता दल, राष्ट्रीय जनता दल, आ जेडीयू के सफर तय करत एह घरी माँझी का संगे रहलन ह. अब कवना दल में जइहें एह कर खुलासा नइखन कइले.
  • मंगल का दिने जारी भइल एबीपी नेल्सन के जनमत संग्रह में नीतीश कुमार के बिहार के बड़का नेता मानल गइल बा. लालू उनका मुकाबले बहुते पीछे छूट गइल बाड़ें. एह सर्वे में 51 फीसदी लोग नीतीश कुमार के आ 43 फीसदी लोग सुशील मोदी के पसंद कइले बा.
  • भाजपा के जारी पहिला सूची में सराय रंजन से रंजीत निर्गुणी, रोसड़ा (सु.) से मंजू हजारी, तेघड़ा से रामलखन सिंह, मटिहानी से सर्वेश कुमार सिंह, बेगुसराय से सुरेंद्र मेहता, बखरी (सु.) से रामानंद राम, परबत्ता से रामानुज चौधरी, बीहपुर से कुमार शैलेंद्र, गोपालपुर से अनिल यादव, पीरपैती से ललन पासवान, बांका से रामनारायण मंडल, कटोरीया (सु.) से निक्की हेम्ब्रम, बेलहर से मनोज यादव, मुंगेर से प्रणव कुमार यादव, सूर्यगढ़ा से प्रेमरंजन पटेल, लखीसराय से विजय कुमार सिन्हा, रजौली (सु.) से अर्जुन राम, हिसुआ से अनिल सिंह आ झा से रवीन्द्र यादव के नाम पहिला दौर वाला चुनाव खातिर बा.
    दुसरका दौर खातिर जारी नामन में रामगढ़ से अशोक सिंह, मोहनीया (सु.) से निरंजन राम, चैनपुर से बृजकिशोर बिंद, सासाराम से जवाहर प्रसाद, दिनारा से राजेंद्र सिंह, नोखा से रामेश्वर प्रसाद चौरसिया, काराकट से राजेश्वर राज, अरवल से चितरंजन कुमार, गोह से मनोज शर्मा, नवीनगर से गोपाल सिंह, औरंगाबाद से रामाधार सिंह, गुरुवा से राजीव दांगी,
    बोधगया (सु.) से श्यामदेव पासवान, गया शहर से प्रेम कुमार आ वजीरगंज से विरेंद्र सिंह के नाम शामिल बा. एह लोग के अलावे अगिला दौरन ला जारी नाम में से बेतिया से रेणू देवी,
    मोतिहारी से प्रमोद कुमार, सीतामढ़ी से सुनील कुमार, बेनीपट्टी से विनोद नारायण झा, राजगीर से सत्यदेव नारायण आर्य, बांकीपुर से नितिन नवीन, कुम्हरार से अरुण कुमार, पटना साहेब से नंद किशोर यादव आ आरा से अमरेंद्र प्रताप सिंह के नाम शामिल बा.
  • यूपी में तीन तल्ला पंचायती चुनाव ला क्षेत्र पंचायत सदस्य आ जिला पंचायत सदस्यन के चुनाव के अधिसूचना दू चार दिन में जारी हो जाए के उमेद बा. एह लोग के चुनाव अगिला महीना करा लीहल जाई.
  • दुनिया भर में हिन्दू धर्म के किताबन के बड़का प्रकाशक का रूप में मान पाए वाला गीताप्रेस में पिछला महीना से शुरू कर्मचारी हड़ताल मंगल का दिने टूट गइल.
  • चन्दौली के आवाज़ापुर में सेना भर्ती रैली मंगल का दिने शान्ति का साथे शुरू हो गइल. ई रैली तेईस सितम्बर ले चले वाली बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up