टटका खबर, (मंगल, 17 मार्च 2015)

by | Mar 16, 2015 | 0 comments

(सोमार, 16 मार्च के खबर)

  • करीब तीन हफ्ता से अज्ञातवास पर रहत अपना उपाध्यक्ष राहुल गाँधी के चरचा में बनवले राखे का कोशिश में कांग्रेस बेवजह ओह पुलिसिया जाँच के मुद्दा बनवले रखलसि जवन जाँच कांग्रेसे का राज से चलल आवत बा आ अबले करीब करीब हर बड़का राजनेता ओह तरह के जानकारी पुलिस के देत आइल बाड़े. इहाँ ले कि खुद राहुल के महतारी सोनियो गाँधी के ओइसन प्रोफाइल एक बेर ना छह बेर बनावल गइल आ हर बेर उनुके राज में. जूता के नंबर पूछला पर सवाल करत कांग्रेस के जवाब देत अरुण जेटली कहलें कि भुलाईं मत सभे कि देश के प्रधानमंत्री रहल एगो नेता के बम विस्फोट का बाद जूते से लाश पहचानल गइल रहुवे. कहलन कि सुरक्षा के सवाल पर राजनीति कइल ठीक बात ना होखी.
  • हरियाणा के हिसार के कैमारी गाँव के एगो आदमी ईसाई पादरी पर अछरंग लगवले बा कि ऊ पादरी उनुका के लालच दे के हिन्दू धर्म छोड़वावे के कोशिश करत रहुवे. कहलसि कि गाँव में केहू ईसाई नइखे एकरा बावजूद ऊ गाँव में चर्च बनावत बा. शुक का दिने जब लोग देखल कि ऊ पादरी मकान बनावत मजदूरन के धर्म बदलावे के फिराक में बा त लोग खिसिया गइल आ पादरी से झगड़ा हो गइल. ओकरा बादे ऊ झूठ केस बना के शिकायत कइले बा.
  • उच्‍चतम न्‍यायालय सोमार का दिने केन्‍द्र आ सगरि राज्‍य सरकारन से कहलसि कि आधार कार्ड ना रहला के चलते केहू के कवनो सरकारी लाभ से महरूम ना कइल जा सके.
  • आआपा गोल से आजु पहिले विधायक रहल राजेश गर्ग के निकाल दिहल गइल काहे कि ऊ केजरीवाल के भडाफोड़ करे वाला एगो स्टिंग लीक कइले रहुवन. जबकि गर्ग के कहना बा कि आडियो ऊ ना कइले बाड़न.
  • अंतर्राष्‍ट्रीय मुद्राकोष के अध्‍यक्ष क्रिस्टिन लगार्ड के कहना बा कि दुनिया के अर्थव्‍यवस्‍था में आजु भारत के खास जगहा बा आ एह साल भारत के विकास दर साढ़े सात फीसदी के हो सकेला आ साल 2019 ले भारत विकास दर का मामिला में चीन के पीछे छोड़त आगे निकल जाई.
  • साल 2013 में पटना के गाँधी मैदान में नरेन्द्र मोदी का सभा में भइल बम धमाकन का बाद बनावल गइल बिहार एटीएस के पहिला बैच के गुजरात के गांधीनगर का गुजरात फॉरेंसिक साइंस यूनिवर्सिटी में प्रशिक्षण दिहल जाई.
  • बिहार के कटिहार शहर में मोटरसाइकिल का डिक्की में राखल रुपिया चोरावत एगो चोर के रंगे हाथ पकड़ला का बाद मालूम भइल कि ऊ चोर करोड़पति बा आ ओकर बाकायदा एगो गैंग बा बिहार के कई शहरन में चोरी के धंधा करेला. एह चोर के नाम अर्जुन यादव बतावल जात बा आ एकर एगो मोटरसाइकिल शोरूम बा.
  • डुमरिया स्टेट के राजकुमारी के शादी कांग्रेस के सबसे बोलता नेता दिग्विजय सिंह के बेटा आ मध्य प्रदेश के विधायक जयवर्धन सिंह से तय भइल बा. शादी के रस्म दिल्ली में करावल जाई.
  • बिहार में 49 गो पुल पर पहिला अप्रेल से टोल टैक्स वसूले का काम शुरू हो जाई. एह पुलन में सिवानो के एगो पुल शामिल बा.
  • यूपी में स्वाइन फ्लू का बाद अब बर्डो फ्लू के केस सामने आवे लागल बा. अमेठी के शुकुल बाजार इलाका में मुर्गियन में बर्ड फ्लू के पुष्टि हो गइल बा.
  • पिछला दू दिन से भइल बेमौसम बरखा बूनी से किसानन के बड़हन नुकसान भइल बा. एह नुकसान खातिर मुख्यमंत्री अखिलेश यादव किसानन के तुरते नगद सहायता देबे के आदेश दिहले बाड़न अधिकारियन के. एह दौरान ओह लोग से कवनो तरह के करजा वसूले के काम ना होखी. सपा सरकार के चले त कवनो किसान आपन लिहल करजा चुकावे के ‘बेवकूफी’ ना करी आ तब बैंक ओह लोग के करजा देबे से परहेज करे लागी से अलग बात बा. मुलायम सिंह के राज में पढ़ाई का बदले इम्तिहान में नकल करे के लगावल बीमारी से आजु ले यूपी कहरत बा.
  • बिहार में बिजली के दाम बढ़ा दिहल गइल बा. अब गाँव वाला इलाका में हर यूनिट पर दस पईसा आ शहरन में पंद्रह पईसा बेसी देबे के पड़ी. गरीबी रेखा से नीचे के लोग से बिजली के मासिक किराया 55 रुपिया का बदले 60 रुपिया लिहल जाई.
  • पिछला समय बिहार के मुख्यमंत्री रहल जीतन राम मांझी आरोप लगवले बाड़न कि बिहार में इस्टीमेट का नाम पर करोड़ो रुपिया के घोटाला होखत बा. कहलन कि एक का बदले पाँच के इस्टीमेट बनावल जात बा. कहलन कि एही कमीशनखोरी रोके का चलते नीतीश कुमार उनुका के हटा दिहलन.
  • मंगल 17 मार्च से बिहार में मैट्रिक के परीक्षा शुरू होखे जात बा. एह साल 14 लाख 26 हजार विद्यार्थी मैट्रिक के इम्तिहान में बइठल बाड़े एह चलते दू दौर में इम्तिहान करावल जा रहल बा. इम्तिहान में परचा समुझे खातिर पन्द्रह मिनट बेसी समय दिहल जाई.
  • छपरा सोनपुर रेलखंड के दिघवारा टीसन का लगे सोमार का दिने दू गो ट्रेन से कटा के दू गो नवहियन के मौत हो गइल.
  • सेना में बहाली खातिर छह से आठ अप्रैल ले बिहार रेजीमेंटल सेंटर में भरती रैली होखे वाला बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up