टटका खबर : मंगल, 21 जुलाई 2015 (सबेर)

by | Jul 21, 2015 | 0 comments

  • यूपी में सितम्बर अक्टूबर में होखे जात तीन स्तरीय पंचायत चुनावन में गड़बड़ी करे वालन पर रासुका लगावे के बात कहलें गृह विभाग के प्रमुख सचिव देवाषीश पाण्डा. एह बारे में बोलावल बइठक में तय भइल कि पिछला पंचायत चुनावन में बवाल करे वाला लोगन के चिह्न के ओह लोग पर पहिलहीं से कार्रवाई शुरु क दिआव.
  • बलिया में सीएमओ का अगुआई में एगो दल कई इलाका में छापा मार के गलत तरीका से चलावल जात पैथोलाजी आ अल्ट्रासाउण्ड सेंटरन पर छापामारी कइलें आ बिना कागजात वाला केन्द्रन के सील कर दीहल गइल. अधिका जगहा टीम आवे के खबर सुनते संचालक ताला बंद क के परा गइलें. ओहू केन्द्रन के सील क दीहल गइल.
  • कुछ दिन पहिले बलिया के एगो प्रापर्टी डीलर विजय ठाकुर के हत्या के मामिला मे पुलिस एगो शूटर बड़की सेरिया गांव के विनय पाठक उर्फ डुलडुल के गिरफ्तार कर लिहलसि. ओकरा से जानकारी मिलल कि जेल में बंद सुरेन्द्र सिंह के बहनोई कमलेश सिंह के हत्या के बदला लेबे खातिर विजय के हत्या कइल गइल.
  • मऊ जिला में दोहरी घाट का लगे अतवार के रात एगो बस पुलिया से नीचे गिर पड़ल जवना से ओह पर सवाल 45 जने घवाहिल हो गइलें. ई लोग देवरिया के रुद्रपुर से बलिया के अमवाँ सती माई के दर्शन करे जात रहुवे.
  • गाजीपुर जिला जेल में एके बैरक में बंद क के राखल मुख्तार के करीबी लोहा यादव आ ब्रजेश के करीबी अमित राय का चलते तनाव बनल बा आ कबहियों कवनो घटना हो सकेला.
  • अकेला आदमी काल्हु कुबेर होखे का चलते अबेर वाला खबर ना दे सकल. अब पेश बा अबेर आ सबेर वाला दुनू खबर
  • बिहार के मुख्यमंत्री रहल जीतन राम मांझी के केन्द्र सरकार का तरफ से Z+ सुरक्षा देबे के एलान भइल बा काहे कि उनुका जान पर विरोधियन से खतरा बा.
  • हाजीपुर के गंगा ब्रिज थाना के तेरसिया गांव में सोमार का रात एगो सात बरीस के लड़िकी से कुकर्म करे के मामला सामने आइल बा. स्कूल से लवटत घरी एगो नवही ओकरा के ध लिहलसि आ कुकर्म क के फरार हो गइल. ओकर पहचान नइखे भइल.
  • बिहार सरकार में पर्यटन मंत्री डॉ जावेद इकबाल अंसारी के कहना बा कि मुसलमान पन्दरहो करोड़ ले के भाजपा के वोट ना दीहें. उनुका हिसाब से मुसलमान जदयू सरकार के कामकाज से खुश बाड़ें आ ओकरे गठबन्हन के वोट दीहें. विकास के बात के कवनो असर मुसलमानन पर नइखे पड़ेवाला.
  • दू गो महादलित लड़िकियन से भइल सामूहिक कुकर्म का विरोध में काल्हु एनडीए आ पप्पू यादव के जन अधिकार पार्टी के कार्यकर्ता सासाराम चौक पर प्रदर्शन कइलें आ बाजार बंद करा दिहलें.
  • गोपालगंज जिला के भोरे इलाका के लानी चँवर टोला में खाना बनावत घरी घर में आग लगला से एगो औरत के मौत हो गइल.
  • सारण जिला के तरैया-मढ़ौरा सड़क पर दू गो हादसा में एगो बच्ची समेत दू आदमी के मौत हो गइल.
  • सारण जिला के दरियापुर थाना के हरपुर गाँव में मकान के छज्जा दोसरा के जमीन में निकाले वाला सतेन्द्र साह के आदमी विरोध करे आइल ललन राय के पीट के अधमरु क दिहलें. बाद में इलाज का दौरान ललन राय के मौत हो गइल. पुलिस एह मामिला में पाँच जने के गिरफ्तार कर लिहले बिया.
  • जदयू के बागी विधायक जल्दिए भाजपा के दामन थामे वाला बाड़े. एह 11 विधायकन में से 5 जने माँझी समर्थक हउवें. बाकी छह जने भाजपा के टिकट पर आ माँझी समर्थक दोसरा चुनाव चिह्न पर राजग का बैनर में चुनाव लड़ीहें.
  • बिहार के बांका जिला के दुधियातारी गाँव में ओढ़नी नदी पर पुल बनावे के काम में लागल कंपनी से लेवी ना मिलला से नाराज नक्सली जेसीबी वाहन, एगो बोलेरो कार, आ ट्रैक्टर के पेट्रोल छिरिक के जरा दिहलें आ विरोध करे वाला मिस्त्री मजदूरन के पीट के घवाहिल क दिहले सँ. एह नक्सलियन के चिह्न लीहल गइल बा आ गिरफ्तार करे खातिर पुलिस छापेमारी करत बिया.
  • संसद के मॉनसून सत्र आजु से शुरू होखे वाला बा. एकरा के अगर कबड्डी सत्र कहल जाव त बेजाँय ना होखी काहे कि एह सत्र में कुछ होखे हवाखे के नइखे. कांग्रेस अपना घोटाला के याद जनता का दिमाग से उतारे का फेर में भाजपा पर गलत सही हर तरह से करीखा पोते का फेर में बिया त भाजपो अड़ल बिया कि हाथी चले बजार, कुकुर भूंके हजार. कांग्रेस बिना इस्तीफा लिहले बात नइखे कइल चाहत त भाजपा इस्तीफा के बातो सुने के तइयार नइखे. अब त इहे नू होखी कि कबडिन डना कबडिन डना….
  • एह सत्र में कांग्रेस करीब अलग थलग पड़ सकेले. काहे कि भूमि सुधार विधेयक, ललित मोदी प्रकरण वगैरह मुद्दन पर विपक्ष कांग्रेस साथे जाए के तइयार नइखे. ओकर आपन हित देखे के बा कांग्रेस का फेर में पड़के ऊ आपन जमीन गँवावे के तइयार नइखे. सपा का तरफ से सरकार के राहत देबे के संकेतो मिलल बा. देखल जाव कि आखिर में होखत का बा. वइसे शायद भाजपो चाही कि एह सत्र में भूमि सुधार विधेयक पेश ना कइल जाव.
  • तीन हप्ता के संसद सत्र में 24 गो विधेयक आवे वाला बा. एहमें 8 गो नया विधेयक उपभोक्‍ता संरक्षण संशोधन, सड़क परिवहन आ सुरक्षा, मर्चेंट शिपिंग, अउर पंचायत आ शहरी स्‍थानीय निकायन में महिला आरक्षण संबं‍धी संविधान संशोधन विधेयक शामिल बाड़ी सँ. लोकसभा में सदन में लटकल अनुसूचित जाति अनुसूचित जनजाति अत्‍याचार निवारण विधेयक आ भूमि अधिग्रहण विधेयक मुख्य रही त राज्‍य सभा में वस्‍तु अउर सेवाकर विधेयक, भ्रष्‍टाचार निवारण संबंधी विधेयक, विसील बिलोअर सुरक्षा, रियल इस्‍टेट, किशोर न्‍याय, अउर बाल मजदूर संबंधी विधेयक ले आवल जाई. आवे जवन आ जेतना बाकिर पारित होखी कवन आ केतना!
  • नई दिल्‍ली में काल्हु 46वांं भारतीय श्रम सम्‍मेलन के उद्घाटन करत प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी कहलन कि मजदूर संगठनन से आम सहमति कायम कइए के श्रम कानूनन में बदलाव कइल जाई. कहलन कि बात लगातार होखत बा आ बहुत कुछ पहिले से अझुराइल आवत बा जवना के सझुरावे के कोशिश होखत बा.
  • विवाद बनावे के सरकार विरोधी मीडिया के कोशिश के काट करत काल्हु अमिताभ बच्चन साफ कहलन कि ऊ दूरदर्शन भा कवनो एड एजेन्सी से दूरदर्शन के किसान चैनल के प्रचार करे का नाम पर एक रुपिया नइखन लिहले. ऊ सामाजिक हित के बहुते विज्ञापन बिना कवनो फीस लिहले करत रहेलें आ किसान चैनलो के प्रचार ओही में शामिल बा.
  • दिल्ली पुलिस आ सरकार का बीच चलत खींच तान में काल्हु अरविन्द केजरीवाल के बोलती बंद हो गइल जब कमिश्नर बस्सी उनुका से सगरी 500 हत्या का मामिला में पाँच पाँच लाख मुआवजा देबे के कहलन जइसन आआपा सरकार मीनाक्षी के हत्या का मामिला में दिहले बिया. केजरीवाल के बस्सी के साफ जवाब रहुवे कि दिल्ली पुलिस कवनो आदमी का सोझा जवाबदेह ना होके कानून आ संविधान खातिर जवाबदेह बिया आ बिना कवनो पक्षपात के आपन काम करत रही. दिल्ली सरकार के कोशिश बा कि केहू तरह 21 गो आआपा विधायकन के जेल जाए से बचा लीहल जाव काहे कि ओकरा विधायकन पर तरह तरह के मुकदमा दर्ज बा आ पुलिस लगातार चार्ज शीट लगवले जात बिया.
  • 1993 मुंबई सीरियल बम धमाका के दोषी आतंकी याकूब मेमन के फांसी रोकवावे पर होखे वाला राजनीति आजु खतम हो जाए के चाहीं जब सुप्रीम कोर्ट से ओह क्यूरेटिव याचिका पर फैसला आ जाई जवना में याकूब अपना सजा के दुबारा सुनवाई करावे के गोहार लगवले बा. मुस्लिम परस्त नेतवन के कोशिश बा कि लाख दोषी होखला का बावजूद याकूब मेनन के फाँसी मत दीहल जाव. एह पार्टियन के राय में कवनो मुसलमान के कवनो अपराध खातिर सजा ना होखे के चाहीं.
  • दिल्ली सर्राफा बाजार में सोना के दाम पिछल दू बरीस के सबले कम दाम पर आ गइल. काल्हु सोना के दाम में 300 रुपिया के कमी आइल आ 25700 रुपिया हर दस ग्राम के दाम हो गइल. शेयर बाजार में काल्हु मामूली गिरावट देखे के मिलल आ सेंसेक्स 43 अंक अउर निफ्टी 6 अंक नीचे गिर के बंद भइल. रुपियो में 19 पइसा के कमजोरी आइल डालर का मुकाबले.
  • इस्लामिक स्टेट के एगो आत्मघाती हमलावर तुर्की के सांस्कृतिक केन्द्र पर बम विस्फोट क के 31 लोग के जान ले लिहलसि. अधिकतर मरे वाला छात्र रहलें जे सीरिया के कोबेन कस्बा में सहायता अभियान के तइयारी खातिर जुटल रहलें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up