टटका खबर (मंगल, 25 अगस्त 2015)

by | Aug 26, 2015 | 0 comments

अहमदाबाद के सरदार पटेल सार्वजननिक प्रशासन संस्थान से ट्रेनिंग कर के आइल नयका आईएएसन का साथे दिल्ली में प्रधानमंत्री मोदी

अहमदाबाद के सरदार पटेल सार्वजननिक प्रशासन संस्थान से ट्रेनिंग कर के आइल नयका आईएएसन का साथे दिल्ली में प्रधानमंत्री मोदी

  • बिना बात भइले आ बीचे में कनेक्शन कटे से परेशान लोग के चिन्ता के आवाज देत प्रधानमंत्री एह पर चिंता जतावत अपना मंत्रियन से कहलन कि एह समस्या से निजात दिआवल बहुते जरूरी बा. साथही देश में डिजिटल क्रांति खातिर ढांचागत प्रगति पर धियान दीहल जाव. तीन साल का भीतर देश के हर गाँव के बिजली चहुँपावे के लक्ष्य पूरा करावे पर जोर देत एकरा प्रगति पर नजर राखे के कहलन.
  • शेयर बाजार में सोमार का दिने आइल बड़हन गिरावट के बारे में भारतीय रिजर्व बैंक के डिप्‍टी गवर्नर एस एस मूंदडा के कहना बा कि एहमें घबराए वाला कवनो बात नइखे. ई समस्या थोड़ दिन के बा आ दुनिया भर के अर्थव्‍यवस्‍थन के आपस में जुड़ल रहला से पैदा भइल बा. आजु मंगल का दिने शेयर बाजार में उथल पुथल का बावजूद आखिर में बाजार चढ़ के बंद भइली सँ. सेंसेक्स में 291 अंक आ निफ्टी में 72 अंक के बढ़ोतरी भइल. जबकि चीन के शेयर बाजार में आजुऔ 7.6 प्रतिशत के अउर गिरावट आइल.
  • केन्द्र सरकार के कहना बा कि ऊ जीएसटी जइसन जरूरी विधेयक पारित करावे खातिर संसद के मानसून सत्र के दुसरका सेशन बोलावे का बारे में सोचत बिया. एकरा खातिर विपक्ष से बातचीत चलत बा. कांग्रेस नेता जयराम रमेश के कहना बा कि उनकर पार्टी जी एस टी विधेयक में कुछ संशोधन करा के एकरा के पारित करवा सकेले.
  • देश में धार्मिक जनगणना के आंकड़ा मंगल का दिने उजागर कर दीहल गइल. एह जनगणना में हिन्दूवन के गिनिती लगातार घटल बा जबकि मुसलमानन के संख्या में बढ़ोतरी होखल जात बा. अब देश में हिन्दू 96 करोड़ 63 लाख, मुसलमान 17 करोड़ 22 लाख, ईसाई 2 करोड़ 78 लाख, सिख 2 करोड़ 8 लाख, बौद्ध 84 लाख आ जैन समुदाय के लोग 45 लाख हो गइल बा.
  • एक रैंक एक पेंशन खातिर आमरण अनशन पर बइठल एगो अउरी पूर्व सैनिक के स्‍वास्‍थ्‍य बिगड़ला का बाद अस्‍पताल में भरती करावे के पड़ल. काल्हु रिटायर्ड कर्नल पुष्पेन्द्र सिंह के अस्पताल में भरती करावे के पड़ल रहे. एह बारे में आजु केन्द्री गृह मंत्री राजनाथ सिंह आ रक्षा मंत्री मनोहर पर्रिकर के बइठल चल रहल बा जवना में अजीत डोभालो मौजूद बाड़न.
  • गुजरात में पाटीदार समाज के नेता हार्दिक पटेल के अहमदाबाद के जी एम डी सी मैदान से कुछ देर ला गिरफ्तार कर लिहल गइल काहे कि ऊ बिना इजाजत आमरण अनशन पर बइठल रहले. एह मुद्दा पर आन्दोलन में शामिल अधिका लोग हार्दिक के फैसला के खिलाफ हो गइल आ कहल कि ई हार्दिक के निजी फैसला बा जवना से ऊ लोग सहमत नइखे. बाद में हार्दिक के छोड़ दीहल गइल.
  • मध्यप्रदेश आ राजस्थान के स्थानीय निकाय चुनावन में भाजपा के मिलल बड़हन सफलता का बाद आजु मंगल का दिने कर्नाटक के वृह्त बंगलुरू महानगरपालिका परिषद के चुनावो में भाजपा के बहुमत मिलल बा. भाजपा 101 सीट आ कांग्रेस 76 सीट पर जीतल बाड़े. कर्नाटक में कांग्रेस के सरकार बिया.
  • बिहार के मुख्‍यमंत्री रहल जीतन राम मांझी आजु बिहार विधान परिषद के सदस्‍यता से इस्‍तीफा दे दिहले. ऊ जदयू के सदस्यतो छोड़ दिहलन.
  • यूपी में नया लोकायुक्त के बहाली ले के राज्यपाल राम नाईक आ प्रदेश सरकार का बीच गतिरोध बनले बा. सरकार चाहत बिया कि सेवानिवृत्त न्यायाधीश रवीन्द्र सिंह यादव के लोकायुक्त बनावल जाव आ राज्यपाल चउथो बेर एह फाइल के वापस कर दिहले.
  • गाजीपुर जिला के जखनिया विधानसभा क्षेत्र के झोटना गांव में तीन करोड़ रूपिया लगा के बिजली उपकेन्द्र बनावल जाई. ओहिजा के विधायक सुब्बा राम मंगल का दिने एकरा ला भूमि पूजन कइलन आ बतवलन कि केन्द्र सरकार एकरा ला धनराशि जारी क दिहले बिया.
  • पिछला 20 अगस्त का दिने गोरखपुर में एगो वकील के हत्या भइला का खिलाफ मंगल का दिने गोरखपुर बन्द रहल. वकील लोग मुख्यमंत्री आ पुलिस प्रशासन के खिलाफ नारा लगावत शहर में जुलूस निकलले.
  • बिहार के सगरी विश्वविद्यालयन में अब से पी.जी. में दाखिला लेबे वाली छात्रा लोग के कवनो फीस ना देबे के पड़ी. राज्य सरकार एह बाबत आदेश सगरी विश्वविद्यालयन के भेज दिहले बिया. बाकिर वोकेशनल कोर्स में पीजी करे वाली छात्रा के फीस देबे के पड़ी.
  • हिन्दुस्तानी अवामी मोर्चा के राष्ट्रीय अध्यक्ष जीतन राम मांझी बतावत बाड़े कि प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के 1 सितंबर का दिने होखे वाला भागलपुर रैली का बाद एनडीए घटक दलन का बीच सीटन के बंटवारा हो जाई.
  • मंगल का दिने स्टार इंडिया के सीईओ रहल पीटर मुखर्जी के मेहरारू इंद्राणी मुखर्जी के मुंबई पुलिस उनकर अपने बहिन के हत्या करे का मामिला में गिरफ्तार क लिहलसि. हत्या का बाद ओकर लाशो गायब कर दिहले रही इंद्राणी.
  • भारत-पाकिस्तान के बीच बातचीत बहाल करावे में अपना कवनो भूमिका से अमेरिका साफ इनकार करत कहले बा कि एह बारे में कवनो फैसला एही दुनू देशन के नेता लोग के करे के बा.
  • नेपाल में सोमार का दिने भड़कल हिंसा का बाद बिहार से सटल सीमा के बन्द करत नेपाल भारत के लोग के आवे पर रोक लगा दिहले बावे. एह बवाल में नाहियो तो पचास लोग के मौत भइल बा आ इलाका तनाव में बा. सबले अधिका हिंसा बिहार से सटल रौतहट आ सरलाही जिला में भइल बा. बीरगंज, गौर, मलंगवा, आ जनकपुरो में हालात तनाव के बा.
  • बलिया शहर के इंदू मार्केट के पीछे एगो कपड़ा दुकान से कपड़ा चोरावत चार गो औरतन के सीसीटीवी का मदद से पकड़ लीहल गइल. 22 अगस्त का दिने पाँच गो मेहरारू कपड़ा खरीदे चहुँपल रहली आ कुछ कपड़ा अपना झोरा में चोरा के निकल गइल रही सँ. बाद में जब एक बंडल सूट के कपड़ा गायब मिलल त सीसीटीवी देखल गइल आ एह औरतन का बारे में जानकारी मिलल.
  • दिल्‍ली के मुख्‍यमंत्री अरविन्‍द केजरीवाल आजु प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी से भेंट कइलन. उनका साथे दिल्ली के उपमुख्यमंत्री मनीष सिसोदियो मौजूद रहले. केजरीवाल कहलन कि अगर केन्द्र सरकार साथ देव त ऊ दू साल में दिल्ली के चमका दीहें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे -
भा
सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up