टटका खबर : मंगल, 28 जुलाई 2015 (सबेर)

by | Jul 28, 2015 | 0 comments

  • देश के राष्‍ट्रपति रहल डॉ एपीजे अब्‍दुल कलाम के निधन पर देश मेें सगरो शोक के लहर पसर गइल बा. राष्ट्रपति, उपराष्ट्रपति, प्रधानमंत्री, समेत खासमखास लोग आ आम जनतो आपन आपन शोक जतावे में लागल बा. एह शोक जताओ में कांग्रेसो के लोग शामिल बा जे कलाम के एह जोग ना मानल कि उनुका के दुबारा राष्ट्रपति बनावल जाव जबकि कलाम साहब चाहत रहलें कि अगर सभे राजी होखे त दुबारा राष्ट्रपति बने में उनुका कवनो एतराज ना होखी. बाकिर कांग्रेस उनुका से एह ला नाराज रहल कि सोनिया गाँधी के प्रधानमंत्री बनावे ला ऊ तइयार ना भइलन. अलग बात बा कि आजु ले एह विवाद पर सही स्थिति सामने नइखे आइल.
  • डॉ. कलाम के निधन के खबर उनका बड़ भाई आ बाकी रिश्तेदारन ले चहुँपते रामेश्वरम शोक में डूब गइल. परिवार के मनसा बा कि डॉ. कलाम के सुपुर्द-ए-खाक उनुका गाँवे में कइल जाव.
  • भारत सरकार का तरफ से राष्ट्रपति रहल अब्दुल कलाम साहब ला सन्मान जतावत सात दिन के शोक के एलान भइल बा. एह दौरान सरकारी इमारतन पर राष्ट्रीय ध्वज झुकल रही आ सरकारी स्तर पर मनोरंजन के कवनो कार्यक्रम ना होखी. लोकसभा आ राज्यसभा में आजु कलाम साहब के श्रद्धांजलि दे के सदन स्थगित कर दीहल गइल.
  • गुरुदासपुर के दीनानगर में भइल पाकिस्तानी आतंकियन के हमला का बाद पंजाब के मुख्यमंत्री प्रकाश सिंह बादल पाकिस्तान के उच्चायुक्त अब्दुल बासित संगे होखे वाला बइठक रद्द कर दिहले बाड़न. एह हमला के खतम करे में पंजाब पुलिस शानदार काम कइलस आ तीनो आतंकियन के मार गिरावल गइल. संजोग से कवनो बाचल ना ना त बाद में ओकरो के माफ करावे खातिर सेकूलर जमात के लोग आन्दोलन चलावे लागीत.
  • लोकसभा सचिवालय का तरफ से सोनिया गाँधी के दामाद राबर्ट वाड्रा से फेसबुक पर कइल उनका टिप्पणी का बारे में जानकारी मांगल गइल बा. जवाब मिलला का बाद एकरा के विशेषाधिकार समिति के सँउपे भा ना सँउपे का बारे में फैसला लीहल जाई. अपना ससुरारी का बल पर फउँकेवाला राबर्ट वाड्रा एक बेर एह देश के बनाना रिपब्लिक बतवले रहलन जब देश में उनुका सासे का इशारा पर चले वाला सरकार मौजूद रहुवे.
  • बिहार में हाई स्कूल आ इंटर काॅलेजन के मान्यता दिहला में होखत गड़बड़झाला का बाद अब बिहार सरकार मान्यता दीहल करी. बिहार विद्यालय परीक्षा समिति अब मान्यता देबे के काम ना करी. एही गड़बड़झाला में परीक्षा समिति के संयुक्त सचिव सुनील कुमार जेल में बंद बाड़न. मामिला के जाँच निगरानी समिति करत बिया आ अउरिओ अधिकारी एह मामिला में फँस सकेलें ई सोचिए के सभे दहशत में बा.
  • सारण जिला के खैरा इलाका के कोरेया गाँव आ गोरेया गाँव का बीच झगड़ा में थाना में केस लिखवावल गइल बा. एह मारपीट का बाद एगो चारचकवा आ नौ गो दुचकवा वाहन के पुलिस जब्त कइले बिया.
  • छपरा जेपी विश्वविद्यालय के कुलपति प्रो. द्विजेंद्र कुमार गुप्ता का खिलाफ आरोप आ सबूत संगे राज्यपाल भवन चिट्ठी भेजल गइल बा आ ओहिजा से इजाजत मिलला का बाद इनका खिलाफ मुकदमा दर्ज करा दीहल जाई. कुलपति पर उत्तर पुस्तिका खरीद करे में करोड़ों के घोटाला कइल गइल बा.
  • यादव के यूपी लोकसेवा आयोग के अध्यक्ष बनवला पर ‎इलाहाबाद उच्च न्यायालय यादव सरकार से पूछले बिया कि बतावल जाव कि कवना खासियत का चलते अनिल यादव के ओतना हड़बड़ी में अध्यक्ष बनावल गइल कि उनका खिलाफ दायर अनेके आपराधिक मामिला होखला का बावजूद उनुका के चौबीस घंटा का भितरे क्लिन चीट दे दीहल गइल.
  • यूपी के स्कूलन में संस्कृत के पढ़ाई आसान बनावे खातिर पाठ्यक्रम में बदलाव करे के फैसला लीहल गइल बा. एकरा के सीबीएसई स्कूलन के पाठ्यक्रम का तरह सहज सरल आ बोधगम्य बना दीहल जाई.
  • नेताजी सुभाष चन्द्र बोस के ड्राइवर रहल आजमगढ़ के मुबारकपुर इलाका के ढकवा गांव के रहे वाला बूढ़ पुरनिया कर्नल निजामुद्दीन के तबियत बहुते खराब हो गइला का बाद काल्हु अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
  • मानवाधिकार आयोग अपना रिपोर्ट में बतवले बा कि पिछला 15 बरीस का दौरान सबले अधिका फर्जी मुठभेड़ यूपी में भइल बा. देश भर में मिलल 315 फर्जी एनकाउंटर में अकेले यूपी में 160 गो एनकाउंटर कइल गइल बा.
  • गुरदासपुर जिला में आतंकवादियन से मुठभेड़ में शहीद भइल पुलिस अधीक्षक बलजीत सिंह के पितो साल 1984 में उग्रवादियन के हमला में शहीद हो गइल रहलें. उनका मौत का बाद बलजीत पुलिस में एएसआई बहाल भइल रहलें आ ओकरा बाद अपना बेंवत आ काम का बल पर पुलिस अधीक्षक बन गइलन.
  • भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड के फैसला आइल बा कि पाकिस्तान संगे क्रिकेट सीरीज एह तरह के माहौल में शुरु ना कइल जा सके.
  • इंडोनेशिया के पूर्वी प्रांत पापुआ में आजु मंगल का भोरे करीब पौने सात बजे 7.0 तीव्रता वाला भूकंप के जबरदस्त झटका लागल बा जवना से फिलहाल कवनो नुकसान होखे के खबर सामने नइखे आइल. वइसे भूकंप से भइल बरबादी के खबर आवे में हमेशा समय लागेला.
  • अफगानिस्तान के अनदरब में एगो शादी समारोह में भइल तालिबानी हमला से 21 लोग के जान चल गइल आ करीब एक दर्जन लोग घवाहिल हो गइलें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up