टटका खबर : मंगल, 4 अगस्त 2015

by | Aug 5, 2015 | 0 comments

  • RSPdपोर्न के शौकीनन आ कांग्रेस के चालबाजी का सोझा दण्डवत क दिहलसि केन्द्र सरकार. एक त केन्द्रीय वित्त मंत्री अरुण जेटली से मोदी भक्त अतना खफा बाड़न कि जेटली के बढ़ा के जय इटली कर दिहलन. दोसरे भूमि अधिग्रहण बिल पर राबर्ट वाड्रा के सास सोनिया के पार्टी के जिद्द का आगे भाजपा हार मान लिहलसि आ तिसरे अब पार्न प्रेमियन का चलते केन्द्र सरकार में सूचन मंंत्री रविशंकर प्रसाद के कहे के पड़ गइल कि बैन पार्न साइटन पर ना चाइल्ड पोर्न के बढ़ावा देबे वाला साइटन पर लगावल गइल बा. एही तरह इंच इंच पाछा खसकत भाजपा एक दिन दिवाल से सट जाई आ पता ना ओहू दिने ओकरा में अतना हिम्मत आई कि ना कि अपना विरोधियन के ओकनिए का भाषा में जबाब दे सको. अब पार्न देखे वाला लोग निश्चिन्त रहो, किसानन के जमीन औने पौने दाम में हथिया के कुछेके दिन में करोड़ो के कमाई करेवाला दामाद लोग मजा करसु. एह सरकार के वोट जाहे जतना मिल गइल होखो, बेंवत नइखे एकरा में कि सही के सही कह सको आ सही खातिर कवनो हद तक जाए के हिम्मत देखा सको. पता ना छप्पन इंच के सीना केने गइल!
  • अपना वार से भाजपा सरकार के लड़खड़ात देख कांग्रेस के उपाध्यक्ष राहुल के खुशी के थाह नइखे रहि गइल. कहतारें कि भाजपा के पीछे लवटे ला मजबूर क दिहलन. अब उहे गोल बवाली सांसदन के निलंबन के लोकतंत्र के हत्या बतावत बा जे देश में आपात काल लगा के सगरी विपक्ष के जेल में डाल दिहले रहुवे, जेकरा राज में पता ना कव बेर विपक्षी सांसदन के मार्शल से फेंकवावल गइल, निलंबित कइल गइल आ कबो कबो बरखास्त तक कर दीहल गइल. चलनी दूसे सुप के जवना में छिहत्तर छेद! बाकिर आपने छंवड़ी बाउर त दोसर त ताना मरबे करी.
  • राष्ट्रपति रहल स्व. ए पी जे अब्दुल कलाम का नाम पर रामेश्वरम से नयी दिल्ली का बीच एगो सुपरफास्ट ट्रेन चलावे, दिल्ली के औरंगजेब रोड के नाम अब्दुल कलाम रोड राखे वगैरह के मांग उठत बा देश में. आजु संसद में कहल गइल कि ‘अब्दुल कलाम सुपरफास्ट एक्सप्रेस’ में विद्यार्थियन ला खास छूट आ एगो कोच में पुस्तकालय होखे के चाहीं. डा़ कलाम के दिल्ली आवास के उनकर स्मारक बनावे के मांगो कइल जात बा. देखल जाव कि सरकार का करत बिया भा कुछ करतो बिया कि ना काहे कि एह घरी जवन हालत में सरकार के कवनो फैसला लेबे से पहिले सोनिया से मंजूरी लीहल जरुरी हो गइल बा.
  • एक त बड़हन मुद्दा पर हार मनले जात बिया सरकार आ दोसरा तरफ छोट छोट मुद्दा पर खूँटा गाड़ दिहले बिया. थान हारे ला तइयार मोदी सरकार गज हारे खातिर तइयार नइखे होत. भूमि सुधार विधेयक आ पार्न विरोधी आदेश भलही वापस ले लिहल जाव बाकिर गजेन्द्र चौहान के बहाली कवनो हालत में वापस ना लिहल जाई.
  • विपक्ष के बहुते सांसदन के गैर मौजूदगी में लोकसभा रेलवे विनयोग विधेयक-2015 आ अनसूचित जाति आ जनजाति अत्‍याचार निवारक अधिनियम के पारित क दीहल गइल. बाकिर विपक्ष के बहुमत वाला राज्यसभा में आजुओ ललित मोदी प्रकरण छपले रहल आ कामकाज बेर बेर बाधित भइल.
  • महाराष्ट्र के ठाणे में आजु सबेरे पचास बरीस पुरान एगो पुरान मकान ढह गइल जवना तरे दबा के एक दर्जन लोग के जान चल गइल आ आधा दर्जन लोग घवाहिल हो गइल.
  • पवनहंस के एगो हेलिकॉप्‍टर आजु सबेरे अरूणाचल प्रदेश में लापता हो गइल. एह पर तीन जने सवार रहलन आ ओहू लोग के कवनो पता नइखे.
  • बिहार के बिगड़़ल कानूनी हालात का विरोध में आजु भाजपा के विधायक विधानमंडल में आपन विरोध प्रदर्शन कइले जवना चलते विधानमंडल के कवनो सदन में प्रश्नकाल आ शून्यकाल ना चल सकल. संसद के बवाल पर विरोध करे वाला भाजपा अइसन काम काहे कइलस एकर जबाब देबे के चाहीं ओकरा. अगर संसद में एह तरह के विरोध गलत बा त विधान सभो में एकरा के गलते कहे के चाहीं.
  • जदयू के हारून राशिद मंगल का दिने विधान परिषद के उपसभापति पद खातिर आपन परचा दाखिल कइलन. चूंकि दोसर केहु परचा दाखिल नइखे कइले त हारुन रशीद के चुनाइल तय हो गइल बा आ बुध का दिने एकर औपचारिक एलानो हो जाई.
  • पटना हाई कोर्ट से न्यायमूर्ति एल.नरसिम्हा रेड्डी के रिटायर भइला का बाद राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी न्यायमूर्ति इकबाल अहमद अंसारी के पटना उच्च न्यायालय के मुख्य न्यायाधीश
    बना दिहले बाड़न.
  • रोहतास जिला के करगहर प्रखण्ड के कृषि पदाधिकारी अनिल कुमार सिंह के आजु सा़ढ़े तीन लाख रुपिया गबन करे का आरोप में पुलिस गिरफ्तार कर लिहलसि.
  • गोपालगंज जिला के जदोपुर इलाका के हरिहरपुर गांव में आपसी झगड़ा का चलते एक आदमी के पीट पीट के मुआ दिहलें कुछ लोग.
  • इलाहाबाद उच्च न्यायालय आजु आरक्षण के जरिये पदोन्नति पा चुकल अनुसूचित जाति भा अनुसूचित जनजाति के कर्मचारियन के डिमोशन करे पर रोक लगा दिहलसि.
  • नोएडा के चीफ इंजीनियर पद से घोटाला का चलते निलंबित भइल यादव सिंह से कई गो ठिकाना पर मंगल का दिने सीबीआई छापा मरलस बाकिर ओहलोग के पहिलहीं एह छापा के खबर हो गइला का चलते कुछ भेंटाइल ना सीबीआई के. यादव सिंह के ससुरारी के लोग घर पर ताला लगा के गायब मिलल.
  • रिजर्व बैंक के रुख देख के आजु मंगल का दिने देश के शेयर बाजार फेरु बिकवाली का दबाव में आ गइल आ सेंसेक्स में 115 अंक अउर निफ्टी में 26 अंक के गिरावट दर्ज क के बाजार बंद भइल.
  • पाकिस्‍तान के जांच एजेंसी के प्रमुख रहल तारिक खोसा कहले बाड़न कि साल 2008 के मुंबई आतंकी हमला के साजिश पाकिस्‍ताने में रचल गइल रहुवे आ ओहिजे से एकरा के अंजाम दीहल गइल रहुवे. एकरा खातिर लश्‍करे तैयबा के आतंकवादियन के सिंध में बाकायदा ट्रेनिंग दीहल गइल रहे. तारिक खोसा पाकिस्ताने के अखबार डाॅन में लिखले बाड़न कि पाकिस्‍तान के चाहीं कि एह साजिश के करेवालन के पूृरा सजा मिले.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up