टटका खबर (मंगल, 6 अक्टूबर 2015)

by | Oct 5, 2015 | 0 comments

NaMo-welcomes-DrAngelaMerkel

  • दिल्ली आइल जर्मनी के चांसलर एंजेला मर्केल आ भारत के पीेएम नरेंद्र मोदी का बीच बातचीत का बाद दुनू देश का बीच 18 गो सहमति पत्र पत दस्तखत भइल. 10वीं सदी के एगो दुर्गा मूर्ति जवन जर्मनी चल गइल रहुवे ओकरा के सोमार का दिने जर्मन चांसलर एंजेला मर्केल भारत के वापस सँउप दिहली जवना ला पीएम मोदी उनुकर शुक्रिया अदा कइलन.
  • भाजपा के कहना बा कि यूपी सरकार दादरी के बिसाहड़ा में आपन जिम्मेदारी ना निभा सकला के खुन्नस मामिला के राजनीतिक बयानबाजी क के निकालत बिया आ मामिला के फिरकावाराना रुप दीहल जा रहल बा.
  • उत्तर प्रदेश के कैबिनेट मंत्री आजम खां दादरी हत्याकांड का बारे में संयुक्त राष्ट्रसंघ में शिकायत करे के बात कहतारें. उनुकर अपने सरकार कानून व्यवस्था के पालन ना कर सकल बाकिर ऊ देश के बेइज्जति करे खातिर मामिला के अंतर्राष्ट्रीयकरण करे के देशद्रोह करत बाड़न.
  • मुस्लिम राजनीति करे वाला ओवैसी के गोल एआईएमआईएम बिहार विधानसभा खातिर महज छह गो सीट पर लड़त बिया बाकिर ओकरा दहशत से महागठबन्हन परेशान हो गइल बा काहे कि ओकरा लागत बा कि ओकर मुस्लिम वोट बैंक एह चलते छितरा जाई आ राजग फायदा में रही. ओवैसी के कहना बा कि लालू के समधी मुलायम सिंह के सपा दू सौ सीट से लड़त बिया त ओकर कवनो चरचा नइखे होखत.
  • वाराणसी में हिन्दू साधु संतन पर लाठी चार्ज का खिलाफ निकालल गइल प्रतिकार यात्रा पर पुलिस ज्यादती का बाद शहर में बवाल मच गइल आ पुलिस थोड़ देर ला वाराणसी के चार गो थाना इलाकन में कर्फ्यू लगा दिहलसि. पुलिस के लाठी चार्ज से बहुते लोग घवाहिल भइल बा. पुलिसो के छह आदमी घवाहिल भइल बाड़ें.
  • चंदौली जिला के सकलडीहा इलाका के पीथापुर गांव में खेत में काम करत दू गो किसान खेत में गिरल हाई टेंशन तार का चपेटा में आ के बिजली के करंट से मर गइलें.
  • बिहार चुनाव में परचा भरत घरी दीहल शपथ पत्र का हिसाब से लालू के छोटका बेटा तेजस्वी अपना बड़ भाई तेजप्रताप से एक साल बड़ बतावल गइल बाड़े. तेजस्वी के कहना बा कि तेजप्रताप के उमिर वोटर कार्ड पर गलत दीहला का चलते एह तरह के शपथ पत्र देबे के पड़ल बा. तेज प्रताप सोमार का दिने वैशाली जिला के महुआ सीट से आपन परचा भरलन.
  • भाजपा के कहना बा कि राज्य के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव के सहायता राशि देबे में भेदभाव ना करे के चाहीं. दादरी कांड में सरकार का तरफ से पैंतालीस लाख रुपिया के सहायता के एलान भइल बा.
  • इलाहाबाद उच्च न्यायालय सोमार का दिने माध्यमिक शिक्षा सेवा चयन बोर्ड के अध्यक्ष सनिल कुमार के नियुक्ति के गैरकानूनी बता दिहलसि आ कहलसि कि एह बहाली खातिर जरूरी कानूनी राह पर ना चलल गइल.
  • भोजपुरी इलाका के बड़हन पर्वन में आवे वाला जिउतिया सोमार का दिने मनावल गइल आ महतारी अपना बाल बच्चन के कुशलता ला एह व्रत के कइली. अब बहुत लोग अपना बेटियो खातिर जिउतिया करे लागल बा जवना के सराहल जात बा. बेटा भा बेटी में कवनो तरह के भेदभाव ना होखे के चाहीं.
  • राजद अध्यक्ष लालू प्रसाद का खिलाफ मुजफ्फरपुर जिला के एगो अदालत में मुकदमा दर्ज करावल गइल बा जवना में लालू के बयान कि हिन्दुओ लोग गोमांस खाला का खिलाफ शिकायत कइल गइल बा.
  • सुप्रीम कोर्ट सोमार का दिने जम्मू कश्मीर उच्च न्यायालय के तीन जज के पीठ बनावे के निर्देश दिहलसि जे देखो कि राज्य में गोवध पर रोक लगावे वाला कानून सही बा कि ना. ओहिजा पिछला डेढ़ सौ साल से गोवध पर प्रतिबंध बा बाकिर सेकूलर राजनीति के चढ़वला से एह रोक के हटावे के मांग कइल जाए लागल बा. ओने भाजपा नेता सुशील मोदी के कहना बा कि अगर बिहार में एनडीए के सरकार बनल त बिहार में गोवध पर रोक लगा दीहल जाई जबकि एह तरह के रोक बिहार समेत देश के अनेके राज्य में पहिलही से लागू बा. अलग बात बा कि प्रशासन के लापरवाही से गोवध के कारोबार बदस्तूर चलत आइल बा.
  • अपने समय के मशहूर अभिनेता शशि कपूर के सोमार का दिने मुंबई में 6वां जागरण फिल्म समारोह में ‘लाइफटाइम एचीवमेंट’ पुरस्कार से नवाजल गइल.
  • नकली कीटनाशक खरीद मामिला में शामिल रहला का आरोप में पंजाब के कृषि निदेशक मंगल सिंह गिरफ्तार. ई नकली कीटनाशक कपास के किसानन के बेचल गइल रहुवे.
  • आजु सोमार के सबेरे जम्मू कश्मीर के कुपवाड़ा जिला में सुरक्षा बल आ आतंकियन के मुठभेड़ में एगो आतंकी के मार गिरावल गइल. एह मुठभेड़ में चार गो जवानो शहीद हो गइले.
  • हिन्दू पर्व आ उत्सवन के विरोध करे के सेकूलरी परंपरा के पालन करत एन दीवाली आ दशहरा का बीच सुप्रीम अदालत में मामिला उठावल गइल बा कि एह त्योहारन का मौका पर पटाखा फोड़े पर रोक लगा दीहल जाव. आ एह तरह के हिन्दू विरोधी गतिविधि में कुछ कानूनचीओ लोग घुस आइल बा. हिन्दू लोग अगर समय पर ना चेतल त एहिजा ओह लोग के जीवन नरक बनावे के पूरा साजिश चलत बा.
  • अमेरिकी ब्याज दर में बढ़ोतरी होखे के अनेसा खतम होखते आजु रुपिया के दाम में डालर का मुकाबले मजबूती आ गइल आ रुपिया पिछला सात महीना के सबले बढ़िया दर हर डॉलर ला 65.28 रुपिया पर बंद भइल.
  • देश के शेयरो बाजार में सोमवार का दिने तेजी बनल रहल आ सेंसेक्स 565 अंक चढ़ के आ निफ्टी 168 अंक चढ़ के बंद भइल.
  • देशव्‍यापी बेमियादी ट्रक हडताल पाँच दिन बाद सोमार के खतम कर दीहल गइल. फैसला नई दिल्‍ली में परिवहन मंत्री नितिन गडकरी के साथ बइठक का बाद लीहल गइल.
  • कटक में होखत बीसबीसा मैच में भारत के सगरी खिलाड़ी महज 92 रन पर ढेर हो गइलें. बाद में खेले उतरल दक्खिन अफ्रीका भारत के छह विकेट से हरा के बीसबीसा सीरीज पर कब्जा जमा लिहलसि. तीन मैच में से दू गो मैच जीत लिहले बिया दक्खिन अफ्रीका के टीम.
  • हरारे एकदिना मैच में सोमार का दिने पाकिस्तान 7 विकेट से जिम्बाब्वे के हरा दिहलसि.
  • पिछला 24 घंटा में रुस के हवाई हमला से इस्लामिक स्टेट के नौ गो ठिकाना के बरबाद कर दिहल गइला के जानकारी रूस के रक्षा मंत्रालय का तरफ से जारी भइल बा.
  • ग्वाटेमाला में पिछला दिने जमीन धसकला के हादसा में मरे वालन के गिनिती सौ के पार हो गइल बा.
  • एह खबरन का अलावे आजु के टटका टटका खबर देखल मत भुलाएब.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up