टटका खबर, शनिचर 15 अक्टूबर 2016

by | Oct 15, 2016 | 0 comments

pm_modi_at_shaurya_smarak_bhopal_14102016
मध्यप्रदेश के भोपाल में शौर्य स्मारक के उद्घाटन कइला क बाद प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी कहलन कि उनकर सरकार वन रैंक वन पेंशन के वायदा पूरा क दीहलसि, जबकि पहिले के सरकार बड़हन बड़हन वायदा कइला क बादो एह दिसाईं कुछ ना कइली सँ. शौर्य सम्‍मान सभा में पहिले के सैनिकन आ शहीदन के परिवारवालन के संबोधित करत मोदीजी कहलन कि सेना बोल पर ना, अपना बल पर भरोसा करेले. साथही मानवता के एगो निकहा मिसालो हिय भारतीय सेना. जब कबो देश पर कवनो विपदा आइल सेना के जवान हमेशा सबले आगा रहलन लागन के बचावे में. अनुशासन, बेवहार आ अउरियो मामिलन में भारतीय सेना दुनिया में अव्वल मानल जाले. दुनिया में शान्ति बनावे का काम में लागल विश्‍व शांति बल में सबले अधिका योगदान भारते के सेना के रहल बा अबले. हजारन बरीसन के अपना इतिहास में हमहन के पुरनिया कबो कवनो दोसरा देश प हमला नइखन कइले. केहू का एको अंगुरी जमीन नइखे हथियवले.

मुलायम परिवार में जारी खींचतान का बीचे समाजवादी पार्टी के अध्यक्ष मुलायम सिहं यादव आज एलान कइलन कि अगिला मुख्यमंत्री के फैसला चुनाव का बाद होखी. कहलन कि उनुका परिवार में कवनो मनमुटाव नइखे चलत. एह बयान का बाद साफ हो गइल कि अखिलेश अपना परिवार में अकेला पड़ गइल बाड़न आ चाचा शिवपाल के तुतुही बाजत बा. बाकिर अखिलेश हार माने ला तइयार नइखन जवना चलते कहल ना जा सके कि सपा के ऊँट कवना करवटिया बइठे वाली बा.

वाराणसी के सारनाथ से शुरु भइल धम्म चेतना यात्रा के समापन आज कानपुर में हो गइल. भाजपा के अध्यक्ष अमित शाह एह मौका प बोलावल सभा में कहलन कि बौद्ध भिक्षुवन का आशीर्वाद से दलित अउर पिछड़ा वर्ग एकजुट भइला का चलते यूपी में बसपा के सरकार बनल रहुवे बाकिर सत्ता मिलते मायावती भगवान बुद्ध के आदर्श आ सिद्धान्तन के तिलांजली दे के धन बटोरे में लाग गइली. अब बौद्ध भिक्षुवन के आशीर्वाद से अबकी यूपी में भाजपा के सरकार बने जात बा.

भारत, ब्राजील, रूस, चीन, अउर दक्षिण अफ्रीका देशन के संगठन ब्रिक्‍स के आठवां माथ मिलनी काल्हु शनिचर का दिने गोवा में शुरू होखे वाला बा. भारत के मेजबानी में होखत एह सम्‍मेलन में कुल 11 देशन के माथ नेता शामिल होखीहें.
एह माथ मिलनी में जोर आतंकवादे प रहे वाला बा. भारत के जोर रही कि आतंकवाद से एकजुट होके मुकाबला कइला क जरुरत बा. एही मौका प प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी रूस के राष्‍ट्रपति ब्‍लादिमिर पुतिन आ चीन के राष्‍ट्रपति जिंगपिंग से अलगा अलगा आपसी चरचो करीहें.

सूचना अउर प्रसारण मंत्री वेंकैया नायडू आज कहलन कि तीन-तलाक के मसला के समान नागरिक संहिता से जोड़ल ना जाये के चाहीं. असल मुद्दा लिंग भेद आ भेदभाव दूर क के मेहरारुवन के बरोबरी के सम्‍मान दीहला के बा. सरकार एह मामिला में कवनो हड़बडी में नइखे. बाकिर एह पर चरचा करे से केहू के मना ना करे के चाहीं. दुख क बात बा कि कुछ लोग एह बारे में गलतबयानी क के भरम पसारे में लागल बा.

आज एगो सादा समारोह में महाभारत सीरियल में द्रोपदे के रोल करे वाली अभिनेत्री रूपा गांगुली आ एल. गणेशन के राज्‍यसभा के सदस्‍य के किरिया धरावल गइल. राज्‍यसभा सभापति मोहम्‍मद हामिद अंसारी संसद भवन के अपना कक्ष में एह लोगन के किरिया धरवलन. दुनू जने भाजपा क हउवन. रूपा गांगुली मनोनीत कइल गइल बाड़ी जबकि गणेशन चुनाव जीत के आइल बाड़न.

शुक का सँझिया जम्‍मू कश्‍मीर का श्रीनगर के बाहरी इलाका जकूरा में फसादी सशस्‍त्र सीमा बल के काफिला पर घात क दीहले. एह हमला में 8 गो जवान घवाहिल हो गइलें जवना में एक जवान के शहीद हो गइला के खबर बा. फसादियन के तलाश होखत बा बाकिर कवनो के धरिला भा मरइला के खबर नइखे.

मध्‍यप्रदेश के रतलाम जिला में एगो बस गड़हा में गर गइल जवना चलते नाहियो त 10 जने के मौत हो गइल आ दर्जन से अधिका लोग घवाहिल हो गइल.

बिहार मे पंचायत प्रतिनिधियन के असमय मुअला प बिहार सरकार ओह लोग के परिवार के 5 लाख रुपिया के सहायता देबे के एलान कइले बिया. अब मुखिया, सरपंच, पंच वगैरह के मुअला प घरवालन के ई सहायता मिलल करी.

बिहार के सरकारी इंजीनियरिंग कॉलेजन आ पॉलिटेक्निक कॉलेजन में संविदा पर काम करे वाला शिक्षकन आ कर्मचारियन के मानदेय बढ़ावे के मंजूरी दे दिहलसि बिहार कैबिनेट.

समस्तीपुर टीसन प मरम्मत के काम शुरू भइला का चलते समस्तीपुर रेल मंडल के बरौनी-समस्तीपुर अउर सहरसा-समस्तीपुर रेलखंड प चले वाली छह जोड़ी सवारी गाड़ियन के 16 तारीख से 29 तारीख ले रद क दीहल गइल बा. जयनगर-समस्तीपुर, रक्सौल-समस्तीपुर सवारी गाड़ी के दरभंगा ले आ कटिहार-दरभंगा सवारी गाड़े के बरौनीए ले चलावल जाई

डाक सप्ताह का मौका प आज शुक का दिने मोतिहारी में प्रधानमंत्री के मन की बात कार्यक्रम पर पत्र लेखन प्रतियोगिता के आयोजन कइल गइल. मोतिहारी डाक अधीक्षक कार्यालय में भइल एह प्रतियोगिता में कई स्कूलन के
छात्र हिस्सा लीहलन.

तीन दिन ले चले वाला राष्ट्रीय सब जूनियर जूडो चैंपियनशिप शुक का दिने पटना के पाटलिपुत्र खेल परिसर में शुरू हो गइल. 29 राज्यन से आइल टीम एहमें शामिल भइल बाड़ी सँ. उद्घाटन करत मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहलन कि खेलन के बढ़ावा देबेला बिहार सरकार आपन नया खेल नीति बनवले बिया.

अबकी का सितंबर में थोक दाम पर जोड़ाइल महँगाई 3.57 फीसदी पर आ गइल. खाए पीए के सामान आ सब्जियन के दाम कम भइला का चलते ई घटती भइल बा. अगस्‍त में ई 7.4 फीसदी रहुवे. हालांकि पर साल सितंबर में ई सुन्नो से नीचे -4.59 फीसदी रहुवे. आज शुक का दिने जारी भइल सरकारी आंकड़ा में बतावल गइल बा कि सितंबर में खाद्य मुद्रास्‍फीति 5.57 फीसदी हो गइल जबकि अगस्त में ई 8.23 फीसदी रहुवे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up