टटका खबर (शनिचर, 19 सितंबर 2015)

by | Sep 20, 2015 | 0 comments

  • बिहार विधानसभा चुनाव में जदयू-राजद-कांग्रेस महागठबंधन के कवन गोल कवान सीट से चुनाव लड़ी एकर फैसला शनिचर का दिने हो गइल आ एकरा साथही बगावत के आवाज उठल शुरु हो गइल. काहे कि जदयू के सीटिंग विधायक वाला कुछ सीट राजद का बखरा में पड़ गइल बा. पहिले के बँटवारा में छोड़ल तीन गो सीटो तीनो गोल एकहएक सीट ले के बाँट लिहले बा. अब कांग्रेस 41 गो पर आ राजद जदयू 101-101 सीट पर चुनाव लड़ी.
  • बिहार विधानसभा चुनाव खातिर समाजवादी पार्टी, राष्ट्रवादी कांग्रेस पार्टी अउर जन अधिकार मोर्चा समेत छह गो दल मिल के एगो तिसरका मोर्चा बनवले बाड़न. एह मोर्चा के नाम समाजवादी सेकुलर फ्रंट राखल बा. एकर नेतृत्व एनसीपी सांसद अउर महासचिव तारिक अनवर करीहें.
  • जी टीवी के कइल सर्वे में भाजपा वाला राजग के बिहार में 140 सीट मिले के उमेद बतावल गइल बा. महागठबन्हन के महज 70 गो सीट जीत के तोस धरे के पड़ी.
  • बिहार विधानसभा चुनाव खातिर शनिचर का दिने भाजपा आपन दुसरका लिस्ट जारी क दिहलसि जवना में 99 गो नाम शामिल कइल गइल बा.
  • वाराणसी में शनिचर का दिने लोलार्क छठ के पर्व श्रद्धा आ आस्था का साथे मनावल गइल. भदैनी के पौराणिक लोलार्क कुण्ड मे देश भर से आइल श्रद्धालु डुबकी लगवलें.
  • कांग्रेस उपाध्यक्ष राहुल गांधी शनिचर का दिने पश्चिमी चम्पारण जिला के रामनगर से चुनाव प्रचार क के शुरूआत कइलन बाकिर एह रैली में ना त लालू अइलन ना नीतीश कुमार.
  • बिहार में डेंगू के नया नया मरीज रोजे मिलत बाड़ें आ अब ले 284 लोग डेंगू से पीड़ित हो गइल बाड़ें.
  • रेल मंत्रालय ई-टिकट आरक्षण के समय पन्द्रह मिनट अउर बढ़ा दिहले बावे. पहिले रात के साढ़े एगारह बजे ले आरक्षण करावल जा सकत रहुवे जवन बढ़ा के अब पौने बारह बजे रात ले कर दीहल गइल बा.
  • पटेल आरक्षण खातिर आंदोलन चलावत हार्दिक पटेल के शनिचर रात सूरत में गिरफ्तार कर लीहल गइल आ साथही पूरा गुजरात में मोबाइल इंटरनेट सेवा रोक दीहल गइल बा. हार्दिक पटेलो अनेरियापंथी का राह पर चल निकलल बाड़ें जइसे केजरीवाल निकलल रहलन आ आजुओ बरकरार बाड़न. शायद हार्दिको पटेल के लागत बा कि उहो बड़का नेता बन जइहें देश भलही चूल्हेभाँड़ में चल जाव.
  • फारुक अब्दुल्ला शनिचर का दिने रॉ के प्रमुख रहल एएस दुलत का साथे ‘ए कन्वर्सेशन ऑन जम्मू एंड कश्मीर’ विषय पर आधारित एगो कार्यक्रम में बोलत कहलन कि काश्मीर मुद्दा सझुरावे खातिर दुनू देश के बतियावहीं के राह सही रही आ इहो साँच बा कि कश्मीर कबो पाकिस्तान का हाथे ना लाग पाई. एह खातिर एटमी वार के धमकी दिहला से कुछऊ नइखे होखे वाला.
  • अतवार का दिने पीएम मोदी के मन के बात के प्रसारण पहिले से तय कार्यक्रम का हिसाब से होखी आ एकरा के आकाशवाणी आ दूरदर्शन के सगरी चैनल जारी करीहें. कांग्रेस एह पर आपन फेरू विरोध जतवले बिया.
  • लिएंडर पेस आ रोहन बोपन्ना के जोड़ी शनिचर का दिने दिल्ली लॉन टेनिस संघ का मैदान पर खेलत पुरूष युगल में राडेक स्टेपनेक आ एडम पावलासेक के जोड़ी से हार गइलन आ भारत एह टूर्नामेंट से बाहर हो गइल.
  • अजय जयराम कोरियाई ओपन सुपर सीरिज बैडमिंटन टूर्नामेंट के फाइनल में पहुंच गइल बाड़े. जयराम शनिचर का दिने सेमीफाइनल में चीनी ताइपै के छाउ तियेन चेन के हरा के फाइनल में आइल बाड़ें. अब फाइनल में जयराम के मुकाबला चीन के चेन लोंग से होखी.
  • मिस्र के राष्ट्रपति अब्देल फतह अल सीसी शनिचर का दिने ओहिजा के नयका सरकार के किरिया धरवलन. एक हप्ता पहिले ‏इब्राहिम माहलाब के नेतृत्व वाली पिछली सरकार भठियरपन के आरोपन का चलते आपन इस्तीफा दे दिहले रहुवे.
  • शनिचर का दिने सऊदी अरब के जिज़ान क्षेत्र में समताह जनरल अस्पताल के नियरा यमन का ओर से भइल हमला में एगो भारतीय नागरिक के मौत हो गइल आ दू जने घवाहिल हो गइलें. मरे वाला नागरिक केरल के रहुवे आ घवाहिल नागरिकन में से एगो बिहार के आ दुसरका केरल के हउवे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up