टटका खबर (शनिचर, 22 अगस्त 2015, देश दुनिया)

by | Aug 23, 2015 | 0 comments

  • Ajit_Doval_2014पाकिस्तान जानत बा कि ओकर एनएसए सरताज भारत के एनएसए के मुकाबले टिक ना पइहें आ बढ़िया रही कि पाकिस्तान एह बातचीत के रद्द कर देव. अबहीं भारत का लगे पाकिस्तानी आतंकवाद के जियत जागत सबूत नवेद मौजूद बा आ कराची में रहत भारत में आतंकी हमला के आरोपी दाउद के मौजूदगी के ढेरे सबूत भारत जुटा लिहले बावे जवना से पाकिस्तान के फजीहत होखल तय बा.
  • अपराधी सरगना दाऊद इब्राहिम पाकिस्तान में नौ गो मकान रखले बा जवना में से एगो त पाकिस्तान के प्रधानमंत्री रहल बेनजीर भुटटो के बेटा बिलावल जरदारी भुट्टो के घर का नियरे बा, ओकरा लगे पाकिस्तान के तीन गो पासपोर्ट बा आ ऊ जब तब आवतो जात रहेला. ओकर नयका फोटो से लागत बा कि ऊ अपना चेहरा के प्लास्टिक सर्जरी नइखे करवले.
  • अफगानिस्तान के राजधानी काबुल में आजु अमेरिकी दूतावास का लगे भइल बम धमाका से नाहियो त दस जने के मौत हो गइल बा आ करीब चालीस जने घवाहिल बाड़े. कुछ दिन पहिलहुं एगो बम धमाका भइल रहुवे जवना में 25 लोग के जान चल गइल रहुवे.
  • अमेरिका के हवाई हमला में आतंकी संगठन इस्लामिक स्टेट के दुसरका नंबर के कमांडर अल हयाली उर्फ हाजी मुताज मरा गइल बा. हमला 18 अगस्त का दिने भइल रहुवे जब ऊ इस्लामिक स्टेट के मीडिया प्रभारी संगे जात रहुवे.
  • भारतीय टीम से बाहर हो चुकल बल्लेबाज वीरेंद्र सहवाग अगिला घरेलू सीजन में हरियाणा का ओर से खेले के फैसला कइले बाड़न. पहिले उ दिल्ली का तरफ से खेलत रहुवन.
    बिहार भाजपा के नेता बिहारी बाबू के डीएनए करीब करीब साफ हो चुकल बा. आजु पटना में एगो पत्रकार सम्मेलन में बोलत बिहारी बाबू कहलन कि पहाड़ काट के आपन राह बना लेबे वाला दशरथ माँझी में बिहार के असली डीएनए देखल जा सकेला.
  • औरतन पर अत्याचार करे में देश भर में यूपी अव्वल नंबर पर बा. एकर बरोबरी करेवाला देश भर मे कवनो दोसर राज्य नइखे. तेजाबो फेंके का मामिलो में यूपी अव्वल बा.
  • प्याज के दाम पर काबू करे का फेर में केन्द्र सरकार निर्यात खातिर एकर दाम पहिला का डेढ़ो से अधिका कर दिहले बा.
  • कोलंबो क्रिकेट टेस्‍ट मैच के तिसरका दिने के खेल खतम होखे का बेरा भारत अपना दुसरका पारी में एक विकेट का नुकसान पर 70 रन बना लिहले बावे. मुरली विजय आ अजिंक्‍य रहाणे क्रीज पर बाड़ें. ओने सानिया मिर्जा आ मार्टिना हिंगिस के जोड़ी सिनसिनाटी ओपन टेनिस टूर्नामेंट के महिला डबल्‍स के सेमीफाइनल में पहुंच गइल बावे.
  • इलाहाबाद उच्च न्यायालय यूपी सरकार के निर्देश दिहले बावे कि 29334 चुनाइल अध्यापकन के 14 सितंबर से पहिले बहाली के कागज दे दीहल जाव.
  • बिहार के आंगनबाड़ी सेविका आ सहायिका के मानदेय पच्चीस प्रतिशत बढ़ा दिहल गइल बा. मिडडे मीलो खातिर बजट बढ़ा दीहल बा.
  • संघ लोक सेवा आयोग के सिविल सेवा प्रारंभिक परीक्षा काल्हु अतवार का दिने देशभर में बनावल केन्द्र पर करावल जाई पटना में अबकी 76 गो केन्द्र बनावल गइल बा.
  • बक्सर के जिला जजे से फोन पर दस लाख रुपिया रंगदारी मांगल गइल बा. फोन करे वाला कहलसि कि अगर रंगदारी ना मिली त व्यवहार न्यायालय के बम से उड़ा दीहल जाई.
  • वाराणसी में 11वीं के परीक्षा में फेल भइल एगो लड़िकी के गार्जियन डँटले त ऊ फाँसी लगा के जान दे दिहलसि.
  • डालर के दाम बढ़ला का चलते देश में सोना के दाम लगातार बढ़ल जात बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up