टटका खबर : शनिचर, 25 जुलाई 2015 (अधरतिया)

by | Jul 26, 2015 | 0 comments

  • देश के कानून व्यवस्था अइसन काहे बा आ कइसे एकरा के लूटे वाला सीना तान के चलेलें एकर नमूना आजु दिल्‍ली के एगो अदालत में देखे के मिल गइल जब दिल्ली पुलिस साबित ना करा पवलसि कि आईपीएल-छह में सट्टेबाजी करे वाला दोषी रहलें. नतीजा ई भइल कि अदालत से सगरी आरोपी बेदाग बरी हो गइलें आ एहनी में दाउद इब्राहिम आ ओकर साथी शकीलो के बाइज्जत बरी क दीहल गइल. एह मामिला में क्रिकेट खिलाड़ी एस. श्रीसंत, अजीत चंदेला आ अंकित चव्‍वाण समेत सगरी 36 आरोपियन के बरी कर देबे के पड़ल अदालत के काहे कि ऊ बिना सबूत केहु के सजा ना दे सके.
  • बिहार विधानसभा चुनाव खातिर भाजपा के प्रचार के शुरुआत शनिचर का दिने मुजफ्फरपुर के चक्कर मैदान से प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी क दिहलन. कहलन कि एक आदमी से दुश्मनी का चलते पूरा बिहार के सजा दे दीहल गइल. हम दोषी रहनी त हमरा के सजा देतन, बिहार के काहे सजा दे दिहलन! साँप आ जहर वाला बयानन पर तंज कसत पीएम मोदी के कहना रहुवे कि जेकरा जहर पिए के साध बा से पियो पूरा बिहार के पिआवे के कोशिश काहे होखत बा? जेकरा साँप का संगे रहे के बा से रहो, पूरा बिहार के साँप का संगे रहे ला मजबूर काहे कइल जात बा.
  • आशा का उलुटा पीएम मोदी बिहार खातिर कवनो स्पेशल पैकेज के एलान ना कइलन बाकिर कहलन कि बिहार के उम्मीदो ले अधिका के पैकेज देबे के तईयारी चलत बा. कहलन कि बिहार के लोग राज्य के चउमुखी बढन्ती खातिर एनडीए के सरकार बनवा के देखस सगरी सपना पूरा करा दीहल जाई. बिहार में एनडीए के दुतिहाई बहुमत से जितावे के गोहार लगवलन मोदी.
  • शनिचर का दिने पटना में एनडीए सरकार के महत्‍वाकांक्षी दीनदयाल उपाध्‍याय ग्राम ज्‍योति योजना के शुभारंभ करत पीएम मोदी कहलन कि केन्द्र के मनसा बा कि साल 2022 ले हरेक गँवई परिवार के 24 घंटे बिजली दीहल जाव. एह काम खातिर खेती आ गैर खेती वाला काम खातिर अलग अलग फीडर बनावल जाई. एही दिने जगदीशपुर-हल्दिया गैस पाइप लाइन परियोजना के नींवो रखाइल आ पटना में भारतीय प्रौद्योगिकी संस्‍थान के स्‍थाई परिसर राष्‍ट्र के समर्पित क‎इलन पीएम मोदी. इंक्‍युबेशन सैंटर फॉर मेडिकल इलैक्‍ट्रॉनिक्‍स के आ दनियावा-बिहारशरीफ का बीच नया रेल लाइन के उद्घाटन कइलन आ पटना-मुम्‍बई वातानुकूलित सुविधा एक्‍सप्रैस अउर राजगीर-बिहार शरीफ-दनियावा-फतुहा यात्री रेलगाड़ी के झण्‍डी देखा के रवाना करवलन प्रधानमंत्री मोदी.
  • शनिचर का दिने प्रधानमंत्री संगे मंच साझा करे वाला मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के कहना रहुवे कि मोदी बिहार के जनता से कइल आपन वादा ना निभवलन. ओने भोजपुरी वाले अलगा नाराज बाड़ें कि भोजपुरी के 8वीं अनुसूची में शामिल करवा देबे के वादो भुला गइल भाजपा. सोशल साइटन पर भोजपुरी प्रेमी लोग भाजपा का खिलाफ अभियान चला दिहले बा.
  • कांग्रेसी भाँड़ का तरह काम करत देश के अनेके मीडिया मानो तय कर लिहले बा कि हर हाल में भाजपा आ केन्द्र सरकार के दोषी ठहरावे के बा आ एह काम ला ऊ लोग सगरी नैतिकता आ निष्पक्षता ताखा पर धर दिहले बा. आजु से पहिलहुं कहात आइल बा कि किसानन के सगरी मौत खेतिए से जुड़ल मुद्दा का चलते ना होके कई बेर सामाजिक, पारिवारिक आ व्यक्तिगत कारणों से होला. एही तरह के रपट से जानकारी देत कृषि मंत्री राधामोहन सिंह कहलन त मीडिया रपट के बात उनुके मुँह में डाल दिहलसि आ अब घुमा फिरा के कहल जात बा कि कृषि मंत्री अइसन बात कहलन.
  • पंजाब के मुख्यमंत्री प्रकाश सिंह बादल का साथे चंड़ीगढ का नियरा एस.ए.एस. नगर में मेहरारुवेन के सशस्त्र बल प्रशि‍क्षण संस्थान के उद्घाटन करत रक्षा मंत्री मनोहर पर्रिकर कहलन कि सेना में ओरतन के भागीदारी बढ़ावे खातिर योजना बनावल जात बा.
  • भारतीय हॉकी के हाई परफार्मेंस निदेशक रोलेंट ओल्टमेंस के भारतीय पुरूष हॉकी टीम के नया कोच बनावल गइल बा आ ई अगिला ओलम्पिक तकले कोच रहीहें.
  • वरिष्‍ठ दलित नेता आ केरल अउर बिहार के राज्‍यपाल रह चुकल रामकृष्‍ण सूर्यभान गवई के लमहर बेमारी का बाद शनिचर के दुपहरिया में निधन हो गइल. 86 बरीस के गवई के आखिरी संस्कार उनुका गाँवे अमरावती जिला के दरियापुर में अतवार का दिने करावल जाई. अमरावती से सांसद रहल गवई 2006 से 2008 ले बिहार के आ 2008 से 2011 ले केरल के राज्‍यपालो रहलें.
  • गाहे बगाहे मोदी के खुला बहस करे के चुनौती देबे वाला अरविन्द केजरीवाल के अब दिल्ली पुलिस के कमिश्नर बीएस बस्सी से चुनौती मिलल बा खुला बहस करे के. एकरा बाद चुनौती सकारत दिल्ली के मुख्यमंत्रीे के काम सम्हारत, पद त नामे भर ला केजरीवाल का लगे बा, मनीष सिसोदिया समय आ जगहा पूछले बाड़न. देखल जाव एह बहस के अंजाम का होखत बा.
  • उत्तर प्रदेश सरकार बिआह के पंजीकरण जरूरी बनावे जात बिया आ पंजीकरण ना करवावे वाला लोग के सरकारी सुविधा ना देबे के बात कहल जात बा. बाकिर एह बात के विरोध करत मुसलमान एकरा के अपना मजहब का खिलाफ बतावत बाड़ें. मुस्लिम धर्म गुरुवन के कहना बा कि शरीयते कोर्ट निकाह के जायज भा नाजायज बता सकेले.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up