टटका खबर (शनिचर, 26 सितंबर 2015)

by | Sep 26, 2015 | 0 comments

  • Modi-at-UNGC-2015संयुक्त राष्ट्र के 70वां सालगिरह पर आमसभा के संबोधित करत प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी सुरक्षा परिषद में सुधार आ एकर प्रतिनिधित्व व्यापक करे के जोरदार वकालत करत कहलन नि एकर विश्वसनीयता आ औचित्य बनवले राखे ला अइसन कइल जरूरी हो गइल बा. कहलन कि गरीबी मुक्त विश्व बनावल पर्यावरण के बचवले राखलो से बेसी जरूरी बा. अपना संबोधन में पीएम मोदी एको बेर पाकिस्तान के नामो ना लिहलन.
  • संयुक्त राष्ट्र संघ के सतत विकास शिखर सम्मेलन के संबोधित करत पीएम मोदी कहलन कि भारत जवन राह चुनले बा ओहमें आ संयुक्‍त राष्‍ट्र के प्रस्‍तावित सतत विकास लक्ष्‍य में अनेके बात एक जइसन बा. भारत में गरीबी मिटावे के लक्ष्य सबले ऊपर राखल गइल बा. कहलन कि जबले गरीबी रही तबले शांतिपूर्ण विश्व आ न्यायपूर्ण व्यवस्था ना बनावल जा सके.
  • संयुक्‍त राष्‍ट्र महासभा साल 2030 ले गरीबी खतम करा देबे आ आगे चल के सतत् विकास के नयका वैश्विक एजेण्‍डा के अनुमोदन क दिहलसि.
  • गुजरात हाई कोर्ट के एगो फैसला में कहल गइल बा कि बाल विवाह निषेध कानून मुस्लिमो समुदाय पर लागू होखी आ एकरा पर मुस्लिम कानून के प्रावधान हावी ना हो पाई. कहले बावे कि बाल विवाह अधिनियम एगो विशेष कानून ह जवन मुस्लिम पर्सनल लॉ, हिन्‍दू विवाह कानून भा कवनो दोसरा कानून से ऊपर रही.
  • खगोलीय अध्ययन खातिर बनावल भारत के पहिलका विशेष एस्ट्रोसैट उपग्रह सोमार का दिने छोड़ल जाई आ एह खातिर उलटा गिनिती शुरु हो गइल बा. सोमार के सबेरे दस बजे पी एस एल वी – सी 30 यान अपना साथे एस्‍ट्रोसैट के अलावे अनेके देशन के छह गो छोटहन उपग्रहो लेके जाए वाला बा. एहमें अमेरिका के चार गो आ इंडोनेशिया अउर कनाडा के एकहएक गो उपग्रह शामिल बा. एक हजार पांच सौ तेरह किलोग्राम वजन वाला एस्ट्रोसैट पांच साल ले अंतरिक्ष में काम करी.
  • खुरपी के बिआह में हँसुआ के गीत गावे के अभ्यासी पाकिस्तान मौके बेमौके भारत का खिलाफ कश्मीर राग गावे से बाज ना आवे. काल्हुओ ऊ आरोप लगवलिस कि भारत अपना सीमा पर दस मीटर ऊँच आ करीब चालीस मीटर चौड़ा दीवाल बनावे वाला बा. ओकरा हिसाब से ई दीवाल 197 किलोमीटर लमहर होखी. सबले खास बात ई बतवलसि कि एह बात के जानकारी ओकरा एगो आतंकी से मिलल बा.
  • दिल्ली पुलिस के कहना बा कि आआपा के नेता आ दिल्ली सरकार के कानून मंत्री रहल सोमनाथ भारती पेशेवर अपराधियन लेखा काम करत बाड़न आ पुलिस से बचे खातिर अपराधियन के सहयोग से बार बार आपन मोबाइल आ डेरा बदलत बाड़न. एह बीच सोमनाथ भारती नाहियो त एक दर्जन मोबाइल नंबर बदलले बा आ यूपी अउर हरियाणा में ठिकाना बदलत रहऽता.
  • सऊदी अरब के मक्का में बियफे का दिने मचल भगदड़ में मरेवालन में अबले 18 गो भारतीय नागरिकन के पहचान हो गइल बा. एह में 11 लोग गुजरात से गइल रहुवे. एहमें बलिया जिला के रसड़ा इलाका के डुमरी गाँव के एगो हाजी मकबूल आलमो के मौत भइल बा.
  • बीजेपी सांसद उदित राज के तीन गो समर्थकन के एगो आइएएस अधिकारी पर हमला के आरोप में गिरफ्तारी के बाद सांसद दिल्ली के लेफ्टिनेंट गवर्नर नजीब जंग के उनुका पद से हटावे के मांग कइले बाड़न. जंग के ‘सुपर किंग’ कहत उदित राज के कहना बा कि जंग चुनल जनप्रतिनिधियनो के बात नइखन सुनत.
  • प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के आध्यात्मिक गुरु स्वामी दयानंद गिरि के शुक का सबेर शीशमझाड़ी के दयानंद आश्रम में गंगा तट पर भू-समाधि दे दीहल गइल. वैदिक मंत्रोच्चार का बीच पवित्र अभिषेक के कर्मकाण्ड पूरा कइल गइल.
  • केन्द्र सरकार मुद्रा योजना के तहत एह लेखा साल में छोटका कारोबारियन के 1.22 लाख करोड़ रुपिया कर्जा में बाँटे के लक्ष्य रखले बिया. एह बात के जानकारी देत वित्त मंत्री अरुण जेटली कहलन कि अबले 37 लाख छोटका कारोबारियन के 24,000 करोड़ रुपिया दीहल जा चुकल बा. सरकार सभका के याद दिआवत बिया कि ई करजा ह अनुदान ना.
  • बिहार विधानसभा चुनाव के प्रचार कामे बिहारे ना बिहार का बाहरो करावल जात बा. दिल्ली में रहे वाला प्रवासी बिहारियन के लुभावे खातिर दिल्ली में बहुते पोस्टर लगावल गइल बा. पोस्टर लगावे के एह लड़ाई में भाजपा सबका से आगे बिया.
  • 2 अक्टूबर से पीएम मोदी बिहार में भाजपा खातिर चुनाव प्रचार शुरु करीहें आ चुनाव खतम होत होत नाहियो त बीस से पचीस गो ले रैली करीहें. पहिला रैली 2 अक्टूबर के बांका में होखे जात बा. नीतीश आपन चुनाव प्रचार आजु शनिचर का दिने समस्तीपुर जिला के कल्याणपुर में सभा क के करीहें.
  • राहुल के गायब भइला के जतना चिंता भाजपा के बा ओतना चिन्ता कांग्रेसो के नइखे काहे कि ओकरा मालूम बा कि बिहार में जवान गत पर कांग्रेस चहुँप चुकल बिया ओहिजा केहु कुछ ना करा सकी. मिले के त 41 गो सीट मिलल बा कांग्रेस के बाकिर सगरी जहाँ ओकर हालत कमजोरे बा. उपर से राहुल के लगुआ भगुआ अलगे नाराज बाड़ें कि पार्टी ओकनी के इचिको भाव नइखे देत.
  • दरभंगा मेडिकल कॉलेज अस्पताल, लहेरियासराय में भर्ती तीन गो महिला मरीजन के मौत एह चलते हो गइल कि आईसीयू में आक्सीजन के सप्लाई ना रहुवे आ खाली सिलिण्डर से काम चलावल जात रहुवे. एह मामला में तीन गो कर्मचारियन के निलंबित कर दीहल गइल बा.
  • वाराणसी में गणेश प्रतिमा विसर्जित करे से रोकला पर भइल विवाद आ साधुअन पर पुलिस के लाठी चार्ज के जाँच मजिस्ट्रेट से करावे के आदेश दीहल गइल बा. पुलिस जबरदस्ती सगरी मूर्तियन के लक्ष्मीकुण्ड में विसर्जित करवा दिहलसि.
  • एकात्म मानववाद के प्रणेता पंडित दीनदयाल उपाध्याय के सौवां जन्मदिवस के अवसर पर शुक का दिने यूपी में कई जगहा श्रद्धांजलि सभा के आयोजन भइल.
  • केन्‍द्रीय प्रत्‍यक्ष कर बोर्ड काल्हु कोलकाता में हवाला के एगो बड़का गिरोह के सरगना एस नागराजन के गिरफ्तार क लिहलसि. खुफिया ब्‍यूरो से मिलल जानकारी का बाद तमिलनाडु के एगो जाली लॉटरी व्‍यापारी के कोलकाता आ सिलिगुड़ी के ठिकाना पर छापा मारके 80 करोड़ से अधिका के नकदी आ जाली लाटरी टिकट बरामद कइल गइल.
  • लोकसभा अध्‍यक्ष सुमित्रा महाजन शुक का दिने नई दिल्‍ली में नेहरू स्‍मारक संग्रहालय में पंडित दीनदयाल उपाध्‍याय जयंती समारोह के उद्घाटन कइली. ई समारोह साल भर ले चलावल जाई. एह मौका पर ट्वीट क के पीएम मोदी कहलन कि अब समय आ गइल बा कि पंडित दीनदयाल उपाध्‍याय के देखावल एकात्म मानववाद के राह पर चलल जाव आ अइसन विकसित देश बनावल जाव जहाँ सबले गरीबो आदमी अपना के उपेक्षित जिन महसूस करे.
  • पड़ोसी देश नेपाल के संविधान में मधेसियों के जायज हक ना मिलला का खिलाफ उग्र प्रदर्शन चलत बा. एह चलते भारत-नेपाल सीमा पर सशस्त्र सीमा बल पूरा चउकस बा आ आए जाए वाला लोगन के गहन तलाशी कइल जा रहल बा.डसानिया मिर्जा आ मार्टिना हिंगिस के जोड़ी गुवांग्झो ओपन टेनिस टूर्नामेंट के महिला डबल्स के फाइनल में पहुंच गइल बावे. सेमीफाइनल में ई जोड़ी इस्राइल के जुलिया ग्लूशको आ स्वीडन के रेबेका पीटरसन के जोड़ी के हरवलसि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up