टटका खबर (शनिचर, 3 अक्टूबर 2015)

by | Oct 3, 2015 | 0 comments

BiharChunaw

  • सारण जिला के गड़खा इलाका के बाजितपुर गांव में मंदिर पर बाजत लाउडस्पीकर बंद करावे खातिर दोसरा समुदाय के कुछ लोग मंदिर के पुजारी से मारपीट क दीहल. घवाहिल पुजारी के गड़खा पीएचसी पर भरती करावल गइल बा. उनुका बयान पर गांवे के चार गो मुसलमान पर मुकदमा लिखला का बावजूद पुलिस तहकीकात करे में लागल बिया आ आरोपियन के गिरफ्तारी नइखे कइले.
  • कबो लालू के बहुते करीबी रहल छपरा के राजद नेता आ बिहार के मंत्री रहल उदित राय काल्हु शुक का दिने राजद के तज दिहलन आ अब निर्दलीय चुनाव लड़े के एलान कइले बाड़न.
  • सारण जिला के जलालपुर उच्च विद्यालय के सभा कक्ष में गांधी जयंती के मौका पर चलत आयोजन का बीचे एगो पागल सियार घुस गइल आ तीन चार आदमी के हबक लिहलसि. बाद में गांव के लोग ओह पागल सियार के लाठी से पीट के मार दीहल.
  • सारण जिला के मकेर इलाका के एगो गाँव में अपना घर में अकेले सूतल एगो औरत से ओही गाँव के दू गो बदमाश बलात्कार क दिहले स. राजू सहनी आ सोनी सहनी नाम के एह आदमियन पर केस लिख लिहले बिया पुलिस आ महिला के डाक्टरी जाँच खातिर भेज दिहले बिया.
  • चार गो थाना के इलाका काट के बनावल सिवान के जीबी नगर थाना के तैंतीस साल बाद एफआईआर लिखे के अधिकार मिल गइल. पहिले एह थाना के लोग के चार चार गो थाना का बीच छिछियाए पड़त रहुवे जवन ओह लोग के पुरान थाना रहुवे.
  • मैरवा टीसन का माल गोदाम का नियरा गिट्टी चुनत दू गो लड़िकन के मौत शुक का दिने मौर्य एक्सप्रेस से कटइला का चलते हो गइल.
  • गोपालगंज जिला जेल पर प्रशासन के छापेमारी का बाद कैदियन का लगे से दू गो मोबाईल सेट, सात गो सिम, हेडफोन आ चार्जर वगैरह भेंटाइल.
  • रोहतास जिला के करगहर थाना पुल का लगे शुक का भोरे एगो ट्रक आधा दर्जन गुमटियन के धसावत एगो घर में घुस गइल जवना से ओह घर में रहत परिवार घवाहिल हो गइल. तीन जने के खराब हाल में अस्पताल में भरती करावल गइल. बाद में ओह लोग के वाराणसी रेफर कर दिहल गइल जहाँ 70 बरीस के बूढ के मौत हो गइल आ बाकी दुनू के हाल खराब बतावल जात बा.
  • भोजपुर जिला में आरा-सासाराम स्टेट हाईवे पर बचरी फाल का लगे शुक का भोर एगो बस पलट गइल जवना से करीब एक दर्जन सवारी घवाहिल हो गइले.
  • बिहार के बांका में चुनाव सभा करत प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी लोग से एनडीए के जितावे के गोहार लगवलन. कहलन कि बिहार पूंजीवाद, अहंकारवाद आ गैरवंशवाद के आजमा लिहले बावे आ अब समय आ गइल बा कि विकासवाद के आजमा के देखे. कहलन कि बिहार के लोग एह साल दू बेर दिवाली मनाई. एक बेर जहिया विधानसभा चुनाव के रिजल्ट निकली आ दुसरका बेर दिवाली का दिने. एह सभा में रामविलास पासवान, उपेन्द्र कुशवाहा, आ जीतन राम मांझी समेत अउरियो नेता लोग भाषण दीहल.
  • समस्तीपुर के मोरवा में महागठबन्हन के चुनाव सभा में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार एनडीए के आलोचना करत कहलन कि ओकरा लगे कवनो विजन नइखे. केन्द्र में एनडीए सरकार के राज में महँगाई बहुते बढ़ गइल बा आ अब त लोग के थरिया से दालो गायब हो गइल बा.
  • राजद अध्यक्ष लालू प्रसाद बेगूसराय के भगवानपुर में बोलावल जनसभा में भाजपा पर फिरकापरस्ती बढ़ावे के दोस लगवलन. ओने भाजपा चुनाव आयोग से शिकायत कइले बिया कि लालू प्रसाद के बयानबाजी में सभ्यता के हर सीमा लाँघ दीहल जात बा आ उनका पर अंकुश लगावे के जरुरत बा.
  • कांग्रेस अध्यक्षा सोनिया गांधी आज शनिचर का दिने कहलगांव से कांग्रेस के चुनाव प्रचार के शुरूआत करीहें.
  • सुने में आवत बा कि बिहार चुनाव पर बीसन हजार करोड़ के सट्टा लाग चुकल बा. एह सट्टा बाजार में कुछ दिन पहिले ले महागठबन्हन के हालत मजबूत बतावल जात रहुवे बाकिर अब एनडीए के जीते के बात कहल जात बा. एनडीए के 135, जदयू के 60-62, राजद के 35 से 36 आ कांग्रेस के सीट अंगुरी पर गिने जोग बतावल जात बा.
  • उत्तर प्रदेश में अब लैपटॉपो बाँटे में आरक्षण क दीहल गइल बा. अब सामान्य वर्ग के विद्यार्थियन के लैपटाप ना दीहल जाई आ कोटा वाला विद्यार्थियने का बीच लैपटाप बांटल जाई.
  • बलिया जिला के बैरिया इलाका के दया छपरा गाँव में एगो नया बियाहल कनिया के जरा के मरला का बाद नदी में बहवा देबे के केस लिखवला का बाद पुलिस नौरंगा घाट पर जाल फेंकवा के ओकर लाश निकलवा लिहलसि आ ओकरा मरद के गिरफ्तार कर लिहलसि. कनिया सहतवार गाँव के रहुवे.
  • देवरिया जिला के खुखुंदू इलाका के दुलहू गांव के एगो आदमी के मौत राजस्थान के जैसलमेर में होखला के खबर शुक का दिने गांवे चहुँपल. ऊ ओहिजा कमाए गइल रहुवे. अइसने घटना खामपार इलाका के भठवा तिवारी गांव के दू जने का साथे भइल बा. एगो के मौत गोवा में आ दुसरका के मौत दुबई मे होखला के खबर गांवे आइल बा. इहो लोग कमाई करे गइल रहुवे.
  • देवरिया के सलेमपुर इलाका में अनुआपार का नियरा ट्रेन से कटा के एगो बूढ़ के मौत हो गइल. पुलिस लाश के कब्जा में ले के ओकर पहचान पता करे में लागल बिया.
  • गाजीपुर के सुजावलपुर चौराहा का लगे शुक का दुपहरिया ट्रक से कचरा के सात बरीस के एगो लड़िका के मौत का बाद खिसियाइल लोग दू घंटा ले जमानियां मोड-सुहवल रोड जाम क दीहल आ ट्रक पर तोड़फोड़ कइलसि.
  • बड़हलगंज के मदरहा घाट पर शुक का सबेरे दोस्तन संगे नहाए गइल दू गो नवही डूब के मर गइलें. तीन घंटा के मेहनत का बाद पुलिस दुनू के लाश गोताखोरन के मदद से निकलवा लिहलसि. ई दुनू नीबी गांव के रहलन.
  • राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ के सरसंघ चालक मोहन भागवत 9 से 12 अक्टूबर ले गोरखपुर में होखीहें जहाँ ऊ संघ के पूर्वी उप्र के क्षेत्रीय कार्यकर्ता बइठक में शामिल होखीहें.
  • सी बी आई शुक का दिने उत्तर प्रदेश में भइल करोड़ो रुपिया के एनआरएचएम घोटाला ले के यूपी के मुख्यमंत्री रहल मायावती से तीन घंटा ले उनुका दिल्ली निवास जा के पूछताछ कइलसि. सीबीआई के कहना बा कि मायावती कुछ खास सवालन के जबाब देबे से महटियावत नजर अइली.
  • बियफे से देश भर के ट्रांसपोर्टर हड़ताल कर दिहले बाड़न जवना से कई जगहा दूध आ फल के सप्लाई पर किल्लत आवे लागल बा. ई लोग टोल टैक्स खतम करावल चाहत बा जबकि सरकार के कहना बा कि टोल टैक्स खतम ना कइल जा सके.
  • नेपाल के नयका संविधान का हिसाब से प्रधानमंत्री चुने के काम शुरु हो गइल बा. मौजूदा प्रधानमंत्री सुशील कोइराला कहलन कि राष्ट्रपति से नयका प्रधानमंत्री चुनवावे के कहल जाई. संसद के सत्र शुरु होखे से सात दिन का भितरे प्रधानमंत्री चुन लेबे के बा.
  • अफगानिस्‍तान में सेना आ तालिबानियन का बीच कुंदूज पर काबिज होखे के लड़ाई में नाहियो त साठ जने के मौत हो चुकल बा आ साढ़े चार सौ से बेसी लोग घवाहिल भइल बा. अफ़ग़ानिस्तान के राष्ट्रपति अशरफ ग़नी के दावा बा कि सेना कुंदूज के अधिकतर इलाका पर कब्‍जा क लिहले बिया.
  • शुक का दिने भारत आ दक्खिन अफ्रीका का बीच हिमाचल प्रदेश के धर्मशाला में खेलल गइल पहिलका बीसबीसा में भारत के हार हो गइल. भारत पाँच विकेट पर 199 रन बनवले रहुवे जवना के तीन विकेट गँवा के दक्खिन अफ्रीका पार क लिहलसि.
  • अपना बेटी शीना बोरा के हत्या करे के आरोपी इंद्राणी मुखर्जी काल्हु जेल में दवा के कुछ गोली खा के जान देबे के कोशिश कइली. उनुका के मुंबई के जेजे अस्पताल में भरती करावल गइल बा जहाँ ऊ इलाज का बावजूद बेहोशी में बाड़ी आ उनकर हालत खराब बतावल जात बा.
  • रूसी वायु सेना सीरिया के राष्ट्रपति बशर अल-असद के विरोधियों का खिलाफ लगातार तिसरको दिने हवाई हमला कइलसि बाकिर कहल जात बा कि ओकर हमला इस्लामिक स्टेट पर ना हो के ओकरा से लड़त विरोधियने पर होखत बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up