टटका खबर, शनिचर, 30 दिसम्बर 2017

by | Dec 31, 2017 | 0 comments

भारत का नाराजगी जाहिर कइला का बाद फिलस्‍तीन पाकिस्तान में अपना राजदूत वालिद अबू अली के ओहिजा से वापिस बोला लिहलसि आ खेद जतवले बा कि अनजाने में राजदूत ई गलती क दीहलन.

लखनऊ के सआदतगंज इलाका के यासीनगंज में एगो मदरसा में बन्न क के राखल 52 गो नाबालिग लइकियन के पुलिस छोड़ा लिहलसि आ ओह मदरसा के संचालक मोहम्मद तयाब ज़िया के गिरफ्तार क लिहलसि. लइकियन के कहना बा कि ओहना का साथे गलत काम कइल जात रहुवे आ मना कइला प मारल पीटल जात रहुवे.

गोण्डा के तरबगंज इलाका में कउड़ा तापत परिवार प माटी के देवाल भस गइल आ एगो लइका आ एगो औरत के ओहिते मौत हो गइल. एगो अउर मेहरारु घवाहिल हो गइल बाड़ी.

गुजरात का सूरत से आइल एगो व्यापारी अपना करजा से परेशान होके गोरखपुर के कैन्ट इलाका के एगो होटव में जहर खा के जान दे दीहलसि.

मिर्जापुर के जाफरखानी प्राथमिक विद्यालय के ओह मास्टर के निलंबित क दीहल गइल बा जवना प कुछ छात्र आरोपलगवले रहलें कि ऊ वंदेमातरम आ भारत माता के जय बोलला प पिटाई करत रहुवे.

बिहार आ यूपी में जाड़ा आ कुहासा के कहर शुको का दिने जारी रहल आ एहमें अबहीं कुछ दिन ले राहत मिले के उमेद नइखे लउकत. घन कुहासा का चलते शनिचर का दिने पटना हवाई अड़्डा से सात गो हवाई जहाजन के उड़ान रद क दीहल गइल आ आठ गो रास्ता बदल दीहल गइल. रेलो गाड़ियन के रद्द करे आ देरी से चलला के दौर बदस्तूर जारी बा.

विवादित फिलिम पद्मावती के प्रमाणित करे का मामला में सेंसर बोर्ड के कहना बा कि निर्माता अगर चाहसु त फिलिम के नाम बदलि के एकरा के देखा सकेलें. कुछ सीन काटलो गइल बा आ सर्टिफिकेटो यूए दरजा के मिली. फिलिम का शुरुआत में देखावे के पड़ी कि फिलिम कल्पना के कहानी प बनल बा.बोर्ड के एह फैसला से करणी सेना आ मेवाड़ राजपरिवार आपन नाराजगी जतवले बा.

छपरा न्यूज

गोपालगंज के कुचायकोट इलाका में पंजाब नेशनल बैंक के सासामुसा शाखा प डकैती डाल के दिनदहाड़े पौने लौ लाख रुपिया लूट ले गइले सँ डकैत. बतावल जात बा कि आठ गो डकैत तीन गो मोटरसाइकिल से आइल रहलें आ लूट के आराम से निकल भगलें.

सोनपुर थोनो के भरपुरा मे एगो नवही दुकानदार के जान ले लीहले सँ पहिले से घात लगा के बइठल बदमाश. गोला बाजार प आपन हार्डवेयर के दुकान बंद क के लवटत घरी भइल हमला. नवही के जान ओहिजे चल गइल.

कउरा का आगि से भइल अगलगी में रिविलगंज का जानटोला में गरीबन के चार गो झोपड़ी आ सामान जर के राख हो गइल. एह अगलगी में दू गो बचवा बचिया झँउस के मर गइलें.

सीतलपुर परसा रोड प भइल सड़क हादसा में बभनगाँवा के एगो अधेड़ के मौत हो गइल. उनुका बाइक के एगो बोलेरो वाला धक्का मार के भाग गइल. बाइक चलावत उनुकर पोता घवाहिल हो के बाँच गइल बा.

छपरा जिला के कानून व्यवस्था ठीक ना रख सकला का चलते चार गो थानेदारन के तबादला क दिहल गइल बा. टाउन थाना, एकमा थाना, सोनपुर थाना आ नगरा थाना के प्रभारी एहमें शामिल बाड़ें.

बलिया न्यूज

बलिया नगरपालिका के बइठक में बाहरी आदमी का मौजूदगी पर कुछ सभायद विरोध कइलें त बवाल हो गइल. एही बीचे कुछ सभासद तोड़फोड़ मचा दिहलें. नगरपालिका बोर्ड के ई दुसरकी बइठक रहुवे.

हजारन स्टेज शो, सैकड़न कैसेट, दर्जनो टीवी शो कइले भोजपुरी गायक आ गड़हा विकास मंच के सांस्कृतिक प्रकोष्ठ के महासचिव रविन्द्र कुमार राजू के शनिचर सबेरे बनारस का अस्पताल में मौत हो गइल. राजू के लीवर खराब हो गइल रहुवे. अंतिम संल्कार भरौली के गंगा घाट प भइल जहाँ सैकड़ों लोग आपन श्रद्धांजली देबे जुटलें.

लोककवि रामदेव गोंड़ का पहिलका बरखी प उनुका गाँव मिश्र के मठिया प सांस्कृतिक कार्यक्र करावल गइल जवना में जाला भर से आइल कलाकार गोंड़ऊ नाच प्रतियोगिता में शामिल भइलें.

छुट्टी प गाँवे आइल सिपाही आजमगढ़ इलाका के दमदिअवना गाँव के संतोष यादव के लाश रहर का खेत में फेंकल मिलल. सबेरे खेते गइल संतोष के धारदार हथियार से हत्या क के लाश फेंक गइल रहलें सँ हत्यारा.

बनारस के चेतगंज राज्यकर विभाग में फोर्थ ग्रेड के कर्मचारी रमेश चन्द्र वर्मा पता ना कवना कारण अपना रिटायरमेंट से एक दिन पहिले फाँसी लगा के जान दे दिहलन. ओने उनुकर सहकर्मी उनुका विदाई समारोह के तइयारी में लागल रहलें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up