टटका खबर, (शुक, 13 मार्च 2015)

by | Mar 13, 2015 | 0 comments

(बियफे, 12 मार्च के खबर)

  • भाजपा राष्ट्रीय कार्यकारिणी के फेर से बनवाल गइल बा. एह कार्यकारिणी में सुब्रह्मण्यम स्वामी के शामिल कइल गइल बा आ स्मृति इरानी, नजमा हेपतुल्ला आ हेमा मालिनी वगैरह कुछ पुरान लोग के बाहर राखल गइल बा. 178 सदस्य वाली एह कार्यकारिणी के कुछ जगह अबहियों खाली बा. भाजपा के पुरनिया नेता बाजपेयी, आदवाणी आ जोशी के साथही प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी समेत सगरी भाजपा शासित राज्यन के मुख्यमंत्री आ गठबन्हन शासित राज्यन के उपमुख्यमंत्रियन के एहमें राखल गइल बा.
  • कांग्रेस के मना लिहला का बाद केन्द्र सरकार राज्यसभा से बीमा संशोधन विधेयक 2015 पास करा लिहलसि. वोटिंग का बेरा तृणमूल कांग्रेस, बहुजन समाज पार्टी, समाजवादी पार्टी आ जनता दल यूनाइटेड के सांसद बाहर निकल आइल रहलें. अब बीमा के काम करे वाली कंपनियन में 49 फीसदी ले विदेशी निवेश आ सकेला. बीमा कर्मचारी एह विधेयक का खिलाफ बाड़े काहे कि अब ओह लोग के मुनाफा घट जाई आ काम करे के पड़ी. तीन साल से अधिका पुरान पालिसी के भुगतान के रोकल ना जा सकी. पहिले पूरा समय ले भुगतान करवला का बाद जब कंपनी के भुगतान के समय आवत रहुवे त बहाना खोजात रहुवे कि पालिसी में का गड़बड़ भा गलत जानकारी दिहल रहे आ भुगतान के बरीसन लटका के राखल जात रहुवे.
  • मंत्रालयन से सरकारी दस्तावेज चोरावे आ लीक करे का मामिला में बियफे का दिने फेरू सीबीआई कई जगहा छापा मरलसि. एह मामिला में एगो चार्टर्ड एकाउन्टेन्ट समेत तीन लोग के पकड़ल गइल आ साठ लाख रुपिया नगदी बरामद कइल गइल,
  • कोयला घोटाला में घेराइल यूपीए सरकार के प्रधानमंत्री रहल मनमोहन सिंह से एका देखावे खातिर सोनिया गाँधी समेत कांग्रेस के नेता करीब पाँच सौ मीटर पैदल चल के मनमोहन सिंह के डेरा चहुँपल लोग जहाँ मनमोहन सिंह ओह लोग के स्वागत करे ला खड़ा रहलन. कहल जात बा कि कांग्रेस का सोझा मजबूरी बा उनकर साथ देबे के काहें कि अगर उनकर ढाल हट गइल त कांग्रेस का मुँहे करीखा लागे से बचावल ना जा सकी. अब उमेद कइल जा सकेला कि मौनी बाबा के मौन बरकरार रह जाई.
  • मॉरीशस, सेशल्‍स आ श्रीलंका के यात्रा पर निकलल पीएम मोदी बियफे का दिने मारीशस के पोर्ट लुइस में तटीय सुरक्षा पोत बाराकुडा के जलावतरण समारिह में बोलत आशा जतवलन कि हिंद महासागर के देशो मालदीव आ श्रीलंका के साथ शुरू भइल भारत के समुद्री सुरक्षा सहयोग में शामिल हो जइहें. शिव भक्त मोदी मारीशस के मशहूर शिवमंदिर में पूजा अर्चना कइलें.
  • जनवरी महीना में देश के औद्योगिक उत्‍पादन दो दशमलव छह प्रतिशत बढ़ गइल जबकि पिछला साल ई महज एक दशमलव एक फीसदी रहुवे. शेयर बाजार में पिछला तीन दिन से चलत गिरावट के रुख बियफे का दिने पलट गइल आ सेंसेक्स 271 अंक आ निफ्टी 76 अंक चढ़ के बंद भइल.
    रुपिया डालर का मुकाबले 28 पइसा मजबूत भइल. सोना आ चांदी के दाम कम भइल.
  • आई सी सी क्रिकेट विश्व कप के मैच में बियफे का दिने दक्खिन अफ्रीका 146 रन से संयुक्त अरब अमारात के हरा दिहलसि. शुक का दिने न्‍यूजीलैंड के मुकाबला बांग्‍लादेश से आ इंग्‍लैंड के मुकाबला अफगानिस्‍तान से होखे वाला बा.
  • घरेलू क्रिकेट में मौजूदा चैम्पियन कर्नाटक एक पारी आ 217 रन से तमिलनाडु के हरावत आठवां बेर रणजी ट्राफी के खिताब जीत लिहलसि.
  • बिहार सरकार के बजट आजु विधानसभा में पेश कइल गइल. एहमें कवनो नया कर नइखे लगावल गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up