टटका खबर (शुक, 18 सितंबर 2015)

by | Sep 18, 2015 | 0 comments

वाराणसी में एगो कार्यक्रम में प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी जन धन योजना के लाभार्थियन के रुपे कार्ड दीहलन.

वाराणसी में एगो कार्यक्रम में प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी जन धन योजना के लाभार्थियन के रुपे कार्ड दीहलन.

  • यूपी के पौने दू लाख शिक्षा मित्रन के तोस देत पीएम मोदी के कहना बा कि एह मसला पर हाई कोर्ट के फैसला आवे दीहल जाव आ ओकरा बाद रास्ता निकाल लीहल जाई. घबड़ाए जिन लोग. शुक का दिने वाराणसी के यात्रा पर आइल पीएम मोदी अपना संसदीय क्षेत्र वाराणसी के पूरा बदल देबे के भरोसा दिहलन. शुक का दिने बीएचयू ट्रॉमा सेंटर आ पावर इंटीग्रेटेड स्कीम के उद्घाटनो कइलन आ कहलन कि वाराणसी के स्मार्ट सिटी बनावे खातिर पहिला काम एहिजा बिजली के स्मार्ट तरीका से चहुंपावे के होखी. काशी खातिर 572 करोड़ रुपिया के पैकेज के एलानो कइलन एह मौका पर.
  • कश्मीर के पाकिस्तान समर्थक फिरका शुक का दिने गोमांस पर रोक लगावे के ओहिजा के हाईकोर्ट के फैसला का खिलाफ श्रीनगर में जमके हंगामा कइले, पाकिस्तान के झंडा लहरवलें आ नारेबाजी कइले. बाकिर पुलिस हालात के काबू में राखे में सफल रहल.
  • गुजरात का किनारे समुद्र में पाकिस्तानी मरीन पुलिस भारत के नाव पर गोली चला दिहलें जवना से एगो मछुआरा के मौत हो गइल.
  • प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी संयुक्त राष्ट्र प्रमुख बान की मून के चिट्ठी लिख के कहले बाड़न कि मौजूदा सुरक्षा परिषद बीतल जमाना के यादगार ह आ एकरा के अब मौजूदा हालात का हिसाब से बनावल जाव आ भारत के एकर स्थायी सदस्य बनावल जाव. कहलन कि ई सुधार जल्दी से तय समय का भीतर करा लीहल जाव.
  • महाराष्ट्र के चर्चित शीना बोरा हत्याकांड के जाँच सीबीआई से करावे के आदेश दे दिहले बिया महाराष्ट्र सरकार. अब ले एकर जांच मुंबई पुलिस के सीपी राकेश मारिया करत रहले हँ. बाकिर आरोप लागत रहुवे कि एह हत्याकांड में रसूखदार लोगन के शामिल रहला का चलते मामिला के दबावे के कोशिश होखत बा.
  • पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी के कहना बा कि उनकर सरकार नेताजी सुभाष चंद्र बोस से जुड़ल जवना फाइलन के जगजाहिर करा दिहले बिया ओकनी से लागत बा कि नेताजी के मौत हवाई हादसा में ना भइल रहुवे आ देश का आजादी का बादो उहाँ के जिन्दा रहलीं. अब केन्द्र सरकार पर अउरी दबाव बढ़ जाई कि ओकरो लगे के दस्तावेजन के जगजाहिर करा दीहल जाव.
  • भारतीय रेलवे टिकट रिजर्वेशन केंद्रन पर औरतन खातिर अलगा से काउन्टर खोले के निर्देश अपना जोनल रेलवेअन के भेजत कहले बावे कि अगर रोजाना हर शिफ्ट में 120 से अधिका टिकट कटत बा त औरतन खातिर अलगा से काउन्टर बना दीहल जाव.
  • अमरीका में ब्याज दर जस के तस राखे के अमेरिकी फेडरल रिजर्व के फैसला का बाद भारत के शेयर बाजार में शुक का दिन जोरदार उछाल देखे के मिलल. सेंसेक्स में 255 अंक आ निफ्टी में करीब 83 अंक के बढ़ोतरी दर्ज भइल. डालर का मुकाबले रुपियो में 74 पइसा के मजबूती देखे के मिलल.
  • सीबीआई के विशेष अदालत यूपी के खाद्य आ रसद मंत्री रघुराज प्रताप सिंह समेत चौदह जने के प्रतापगढ़ के बलीपुर के सुरेश यादव हत्याकांड में हत्या करे, हत्या के साजिश करे आ बाद में सबूत मेटावे समेत अनेके आरोप पर सफाई देबे खातिर 3 अक्टूबर के हाजिर होखे के समन भेजले बिया जवना का बाद राज्य सरकारो साँसत में पड़ गइल बिया. आरोपी मान के बोलवला का बादो राजा भइया के कइसे मंत्री बने रहल दीहल जा सकेला एह पर माथापच्ची शुरु हो गइल बा.
  • कश्मीर के गुरेज़ सेक्टर में घुसपैठ के कोशिश करत पांच गो पाकिस्तानी आतंकवादियन के सेना बियफे का रात से शुरू मुठभेड़ में मार गिरवलसि. एकनी का लगे से बहुते असलहो बरामद भइल बा. ओने पाकिस्‍तान का पेशावर के बड़ाबेर इलाका में शुक का सबेरे नमाज पढ़त लोग पर हमला क के आतंंकी करीब तीस लोग के मार दिहलें. जबाबी हमला में पाकिस्तान के सेनो 13 गो आतंकियन के मार गिरवलसि. हमला पाकिस्तानी वायु सेना के के शिविर में बनल मस्जिद पर भइल रहुवे.
  • घोटाला के रिकार्ड पर रिकार्ड बनावे वाली कांग्रेसी गोल के अध्यक्ष आ उपाध्यक्ष महतारी बेटा पर नेशनल हेराल्‍ड मामिला में मनी लांड्रिंग के केस दर्ज होखे के उमेद बढ़ गइल बा. पिछला निदेशक कांग्रेस के बहाल कइल रहलन आ ऊ एह लोग के निर्दोष बता दिहले रहले. अब उनुका हटला का बाद एह लोग पर फेरू घानी घुमल शुरु हो गइल बा. कांग्रेस के कहना बा कि सरकार बदला के भावना से काम करत बिया ना त एह लोग के छुट्टा छोड़ दीत.
  • रामविलास पासवान के गोल लोजपा का तरफ से 12 गो उमेदवारन के नाम के एलान शुक का दिने हो गइल. एह बारह में से तीन जने पासवान के हित नात बतावल जात बाड़ें.
  • कांग्रेस उपाध्यक्ष राहुल गांधी शनिचर का दिने पश्चिमी चंपारण के रामनगर से कांग्रेस के चुनाव प्रचार शुरु करइहें बाकिर एह मौका पर ना त लालू मौजूद रहीहें ना नीतीश कुमार. रैली में आवे के नेवता भेजला का बावजूद दुनू नेता राहुल संगे मंच साझा ना करे के फैसला लिहले बाड़ें. लालू हालांकि अपना बेटा तेजस्वी यादव के जदयू अपना बोलतुआ केसी त्यागी के भेजे के बात कहले बाड़ें.
  • बिहार चुनाव में अबकी खूब जूता चप्पल चली. केहू आइसक्रीम खिआई त केहू हरियर मरीचा ले के आपन गोल बढ़ाई. असल में चुनाव आयोग का तरफ से एह सब के चुनाव चिह्न बनावल गइल बा. माँझी के गोल के टेलीफोन दिहल गइल बा चुनाव लड़े खातिर.
  • निर्वाचन आयोग के कहना बा कि अतवार का दिने प्रसारित होखे वाला मन के बात कार्यक्रम में चुनावी असर डाले वाला कवनो बात ना कहाव त नीक रही.
  • माँझी के गोल हिन्दुस्तानी आवाम मोर्चा सेक्युलर का तरफ से जारी पहिलका सूची में तेरह गो उमेदवारन के नाम शामिल बा. माँझी खुद मखदुमपुर से चुनाव लड़ीहें आ उनकर बेटा संतोष कुमार कुटुंबा से लड़ीहें. मंत्री रहल वृषिण पटेल के वैशाली से आ शाहिद अली खान के सुरसंड से लड़ावल जाई. मंत्री रहल महाचंद्र प्रसाद सिंह के हथुआ से, अनिल कुमार सिंह के टेकारी से, रविंद्र राय के महुआ से, शकुनी चौधरी के तारापुर से, अजीत कुमार के कांटी से, राजेश कुमार के खगड़िया से, राजेश्वर मांझी के फुलवारीशरीफ से, नौशाद आलम के दरभंगा ग्रामीण से आ राहुल कुमार के घोसी से लड़ावल जाई.
  • भाकपा माले के लिस्ट में 53 गो उम्मीदवारन के नाम शामिल बा. एहमें चार गो मुसलमान आ चार गो औरत शामिल बाड़ी.
  • विधानसभा चुनाव ला अपना उम्मीदवारन के सूची जारी करे से पहिलही जदयू का तरफ से कई गो प्रत्याशियन के पार्टी के चुनाव चिन्ह दे दीहल गइल बा. मोकामा से विधायक रहल अनंत सिंह के नाम काट के नीरज कुमार के उम्मीदवार बनावल गइल बा.
  • राजद का तरफ से लालू के बेटा तेजस्वी यादव के राघोपुर से आ दुसरका बेटा तेजप्रताप के महुआ से लड़ावे के फैसला हो गइल बा. जबकि जदयू विधायक सतीश कुमार राघोपुर से चुनाव लड़े के एालन कइले बाड़न. जदयू चाहत बिया कि ऊ हाजीपुर से चुनाव लड़सु. टिकट बटाए के चरचा चलते राजद आ जदयू में भगदड़ शुुरू हो गइल बा. कुछ लोग भाजपा में शामिलो हो गइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up