टटका खबर (शुक, 21 अगस्त 2015, देश-दुनिया)

by | Aug 22, 2015 | 0 comments

प्रशांत महासागर के देशन के शिखर सम्मेलन में आपन बात राखत पीएन मोदी

प्रशांत महासागर के देशन के शिखर सम्मेलन में आपन बात राखत पीएन मोदी

  • शुक का दिने पटना में बिहार सरकार के गेस्ट हाउस का लिफ्ट में भाजपा अध्यक्ष अमित शाह आ बिहार भाजपा के कुछ नेता लिफ्ट मे फँस गइले. चालीस मिनट बाद कार्यकर्ता आ सुरक्षा कर्मी लिफ्ट के तूड़ के एह लोग के बाहर निकललन. भाजपा एकरा के साजिश बतावत बिया जबकी लालू आ नीतीश एह घटना के मजाक उड़ावत बाड़े. बिहार सरकार के कहना बा कि लिफ्ट ओवरलोडिंग का चलते बिगड़ गइल. लालू के कहना रहल कि अतना मोट अदमी के लिफ्ट में घुसही के ना चाहत रहुवे काहे कि बिहार के लिफ्ट छोटे होला.
  • बिहार खातिर विशेष पैकेज दिहला ला प्रधानमंत्री मोदी खातिर आपन आभार जतावे ला भाजपा 23 तारीख के सगरी बिहार में धन्यवाद दिवस मनावे के तय कइले बिया. एह दिन हर जिला मुख्यालय पर विशेष कार्यक्रम करे वाली बिया भाजपा.
  • रोहतास जिला के डेहरी में काल्हु बियफे का दिने भइल नाव हादसा में मरे वालन के गिनिती आठ हो गइल बा. शुक का दिने तीन गो अउरी लाश नदी से निकालल गइल. अबहीं एगो अउर लाश के तलाश होखत बा.
  • भाकपा माले के नेता सतीश यादव के हत्या का खिलाफ आजु भोजपुर जिला बंद के के माले वाले कई जगहा बवाल कइले. आरा-पटना, आरा-मोहनिया अउर पटना-सासाराम सड़क पर जाम लगवले आ अउरीओ अनेके जगहा सड़क जाम कइले. सतीश यादव के काल्हु साँझ अजीमाबाद के बड़गाँव में गोली मार दीहल गइल रहे.
  • यूपी के विधान भवन परिसर में वाई फाई सुविधा दीहल शुरु हो गइल बा. मुख्यमंत्री अखिलेश यादव एकर उद्घाटन कइलन. अब विधायक, अधिकारी आ कर्मचारी एह फोकटिया सेवा के इस्तेमाल कर सकीहें.
  • उत्तर प्रदेश सरकार राज्य के तेरह गो बस अड्डन के निजी कंपनियन के मेल से विकसित करे के योजना बनवले बिया. एह बस अड्डन में आगरा के ईदगाह, आगरा फोर्ट अउर ट्रांसपोर्ट नगर, लखनऊ में आलमबाग आ गोमती नगर के विभूतिखंड में, गाजियाबाद के कौशाम्बी, अलीगढ में रसूलाबाद, कानपुर के झकरकट्टी, इलाहाबाद के सिविल लाइन्स, वाराणसी कैन्ट, गोरखपुर, मेरठ के सोहराबगेट आ बरेली के सैटेलाइट बस अड्डा के शामिल कइल गइल बा.
  • सुप्रीम कोर्ट से मिलल झाड़ का बाद उत्तर प्रदेश में आरक्षण कोटा से तरक्की पावे वालन के डिमोट करे के काम शुरू हो गइल बा. बियफे का दिने एह बाबत कैबिनेट आदेश हो गइल बा. सगरी विभागन के 5 सितंबर ले डिमोशन पूरा क के रिपोर्ट देबे के बा.
  • आजुओ यूपी विधानसभा में विपक्ष के बवाल का चलते कामकाज ना हो सकल. गन्ना किसानन के भुगतान में होखत देरी लेके रालोद के विधायक वेल में आ के धरना दिहले.
  • सामूहिक बलात्कार का मामिला में बेजाँय बयान देबे वाला सपा मुखिया मुलायम सिंह का खिलाफ मामला दर्ज क के महोबा में न्यायिक मजिस्ट्रेट अंकित गोयल उनुका के 16 सितंबर ले अदालत में हाजिर होखे के आदेश दिहले बाड़न.
  • बलिया जिला के बैरिया इलाका के एगो गाँव में 8 बरीस के लइकी साथे कुकर्म क के 15 बरीस के एगो लइका भाग गइल बा. ओकरा पर केस लिखा गइल बा.
  • बलिया जिला में गंगा के पानी खतरा के निशान पार कर लिहले बा आ डूब वाला इलाका में तहलका मच गइल बा आ लोग सुरक्षित जगहा जाए के शुरु क दिहले बा.
  • अयोध्या के राम मंदिर परिसर से शुक का दिने तीन गो मवहियन के गिरफ्तार कर लिहलसि पुलिस. ई तीनो नेपाल के बतावल जात बाड़े आ एगो मुसलमान नवही टीका चंदन क के मंदिर के रेकी करत रहुवे.
  • डाकघरन के कोर बैंकिंग सेवा से जोड़े के शुरुआत हो गइल बा. अजु जौमपुर के भाजपा सांसद डॉ. के पी सिंह जौनपुर कचहरी डाकघर में एह सेवा के उद्घाटन कइले.
  • गुजरात हाई कोर्ट गुजरात के नगर निकाय चुनाव में वोट डालल जरुरी बनाए वाला कानून पर रोक लगा दिहले बावे.
  • दिल्ली के एगो अउरी आआपा विधायक कानून का शिकंजा में आ गइलन जब पुलिस सुरेंद्र सिंह के शुक का दिने गिरफ्तार कर लिहलसि. एकरा पहिले दू गो अउर विधायक पहिलहीं से गिरफ्तार बाड़न.
  • मेजर जनरल बीसी खंडूरी के अध्यक्षता वाली रक्षा मंत्रालय के स्थाई समिति केन्द्र सरकार से नाराज बिया काहे कि माउंट्रेन स्ट्राईक कोर के गठन पर ओकर नीति ढुलमुल चलत बावे. केन्द्र एकरा ला बजट नइखे देत. अबहीं ले महज पाँच हजार करोड़ रुपिया के इंतजाम कइल गइल बा.
  • लोकसभा में कांग्रेस के उपनेता अमरिंदर सिह शुक का दिने पंजाब के मुख्यमंत्री आवास के बाहर धरना-प्रदर्शन शुरू कइले बाड़न.
  • पूणे के फिल्म इंस्टीच्यूट के बवाली विद्यार्थियन का समर्थन में अब पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममतो बनर्जी आ गइल बाड़ी आ कहत बाड़ी कि केन्द्र सरकार के एह विवाद के समाधान के राह निकाले के चाहीं.
  • प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी शुक का दिने जयपुर में भारत-प्रशांत द्वीप सहयोग शिखर सम्मेलन से पहिले फिजी के प्रधानमंत्री फ्रैंक बैनिमारामा सेंगेे बतियवलें आ दुनू देश के आपसी संबंध बरियार करे के बात भइल.
  • श्रीलंका के राष्ट्रपति मैत्रीपाला सिरीसेना आजु शुक का दिने रानिल विक्रमसिंघे के प्रधानमंत्री पद के किरिया धरवलें. रानिल विक्रमसिंघे चउथका बेर प्रधानमंत्री बनल बाड़े.
  • हुर्रियत नेतवन से भेंट करे के जिद्द धइले पाकिस्तान के करारा जबाब देत भारत का तरफ से कहल गइल बा कि हुर्रियत वालन से बतिआवल सही बात नइखे आ ओह सूरत में एनएसए लेवल के बातचीत रद्द हो सकेला. भारत के कहना बा कि एह बातचीत के बस एके मुद्दा बा आतंकवाद आ दोसर कवनो मुद्दा पर बातचीत ना होखी.
  • बांग्लादेश से निकालल लेखिका तसलीमा नसरीन के भारत में वीजा एक बरीस ला अउर बढ़ा दीहल गइल बा.
  • जयपुर आइल प्रशांत द्वीप समूह के राष्ट्राध्यक्ष जयपुर आ आमेर किला देख के चकित हो गइल आ कुछ लोग त कह दीहल कि ‘वाह आमेर, वाह जयपुर.’
  • बैंक कर्मचारियन के पुरान माँग मानत केन्द्र सरकार मान लिहलसि कि बैंक में हर महिना के दुसरका आ चउथका शनिचर का दिने छुट्टी रहल करी. ई नियम सितंबर से लागू हो जाई.
  • अटल पेंशन योजना खरीदे वालन के बड़हन राहत देत केन्द्र सरकार तय कइले बिया कि अब ई लोग अपना सुविधा का हिसाब से तीन महीना, छह महीना भा साल भर के भुगतान एके साथ कर सकी. आ देरी से भुगतान कइला पर दंड के नियमो के हटा दीहल गइल बा.
  • अपना ला गाहक बटोरल आसान बनावे खातिर टैक्सी सर्विस देबे वाली अमेरिकी कंपनी ऊबर अपना सवारियन के फोकट मे हाई स्पीड इंटरनेट सुविधा देबे के एलान कइले बिया. उबेर एयरटेल कंपनी से एह काम ला करार कइले बिया.
  • रिजर्व बैंक का तरफ से प्रापर्टी के दाम घटावे के सलाह मिलला का बाद प्रापर्टी डीलरन के संगठन के कहना बा कि मकान के दाम कम करे के कवनो गुंजाइशे नइखे. बैंक आवास ऋण पर आपन ब्याज दर कम करसु जेहसे लोग मकान खरीद सको.
  • सोमवार का दिने देश के बड़की तेल विपणन कंपनी इंडियन ऑयल में सरकार आपन हिस्सा पूंजी के दस फीसदी शेयर सोमार बेचे के तय कइले बिया.
  • देश के विदेशी पूंजी भंडार 14 अगस्त के खतम भइल हप्ता में 1.0863 अरब डॉलर बढ़के 354.4333 अरब डॉलर दर्ज कइल गइल.
  • देश के शेयर बाजार आजु मुँहकुरिए भहरा गइल. सेंसेक्स में 241.75 अंकों आ निफ्टी में 72.80 अंक के गिरावट आइल बा.
  • अपना पछिमी सीवान का लगे भइल गोलीबारी का बाद उत्तर कोरिया अपना सेना के युद्ध खातिर तइयार रहे के कहले बा आ सैनिकन के अगिला मोर्चा पर तैनात क दीहले बा.
  • आपन आखिरी टेस्ट मैच खेलत कुमार संगकारा बड़हन स्कोर त ना बना पवलन बाकिर उनकर टीम दुसरका दिन के खेल खतम होखे का बेरा ले तीन विकेट का नुकसान पर 140 रन बना के मैच में बनल रहल गइल. हालांकि ऊ अबहियो भारत से 253 रन पीछे बावे.
  • भारत के रोहन बोपन्ना आ उनक रोमानियाई जोड़ीदार फ्लोरिन मेर्गिया सिनसिनाटी ओपन के पुरुष युगल वर्ग के क्वार्टर फाइनल में चहुँप गइल बाड़ें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up