टटका खबर : शुक, 24 जुलाई 2015 (अबेर)

by | Jul 25, 2015 | 0 comments

  • संसद में आजु चउथको दिने विपक्ष के हंगामा का चलते कामकाज ठीक से ना हो पावल आ दुनू सदन के बाद में सोमार ले टार दीहल गइल. विपक्षी सदस्‍यन के प्रश्‍नकाल स्‍थगित करे के नोटिस लोकसभा अध्‍यक्ष सुमित्रा महाजन नामंजूर कर दिहले रही बाकिर हंगामा जारी रहल.
  • अब कवनो बैंक से कवनो बैंक के खाता में रुपिया जमा करावल जा सकेला. भारतीय रिजर्व बैंक एकरा ला मंजूरी दे दिहलसि. बाकिर ई सुविधा कैश डिपाजिट मशीने पर मिल पाई जवना से पचास हजार से एक रुपिया कम ले राशि जमा करावल जा सकी.
  • संसद में होखत बाधा खातिर कांग्रेस पर दोस लगावत भाजपा के कहना बा कि कांग्रेस के बेंवत नइखे कि ऊ सही जवाब सुन सके एहीसे चरचा करावे से भागत बिया आ इस्तीफा के बेमतलब जिद पर अटकल बिया. ई सब बस केहु तरह खबरन में बनल रहे खातिर कइल जात बा. ओने कांग्रेस के कहना बा कि बिना इस्तीफा दिअवले संसद के चले ना दीहल जाई. संसद चलावे के जिम्मा सरकार के होला आ टंगड़ी फँसावे के अधिकार विपक्ष का लगे. जबले सरकार हमहन के बात ना मानी तबले हमनी का संसद चले ना देब जा.
  • गुजरात के मुसलमानन के सहायता करे के नाम पर दुनिया भर से चंदा बटोर के अपना मौजमस्ती पर खरच करे वाली धंधेबाज तीस्ता सीतलवाड के फेरू हाई कोर्ट से जमानत मिल गइल. अब एह मरद मेहरारू के दू हप्ता के छूट अउर मिल गइल बा. देखल जाव खँसी के माई कबले खरजिउतिया मनावत बिया.
  • सुप्रीम कोर्ट आजु प्रतियोगिता परीक्षा में हिजाब पहिने के छूट देबे वाली कुछ मुसलमान औरतन के निहोरा नकार दिहलसि आ कहलसि कि कवनो परिधान के कवनो समुदाय से ना जोड़ल जा सके.
  • अंतरबैंक विदेशी मुद्रा बाजार में आजु लगातार तिसरका दिने डॉलर के मुकाबले रुपिया कमजोर भइल. शेयरो बाजार बिकवाली के दबाव में रहल आ सेंसेक्स 259 अंक आ निफ्टी 68 अंक गिर के बंद भइल. चांदी के दाम में 380 रुपिया आ सोना के दाम में 320 रुपिया के कमी आइल.
  • त्रिपुरा के राज्‍यपाल तथागत रॉय शुक का दिने खायरपुर में चौदह गो देवता लोग के मंदिर में सात दिन ले चले वाली खरची पूजा के उद्घाटन कइलन. सबेरे होरवा नदी में नहान के रस्‍म का बाद 14 गो देवी-देवता लोग के पूजा शुरू भइल जवन 30 तारीख ले जारी रही.
  • शुक का दिने भारतीय सेना जम्‍मू-कश्‍मीर के करगिल में लगभग 14 हजार फीट का ऊंचाई पर बनल अपना अगवढ़ ठिकान पर विजय दिवस मनवलसि. साल 1965 के लड़ाई में भारत एह ठिकाना पर कब्जा कइले रहुवे बाकिर ताशकंद समझौता में एकरा के वापिस कर दिहले रहुवे. बाकिर बाद में साल 1971 का लड़ाई में भारत फेरू एह ठिकाना पर कब्जा कर लिहलसि आ तबसे एह पर भारत काबिज बावे.
  • दिल्ली पुलिस प्रमुख बीएस बस्सी के कहना बा कि अगर कबो दिल्ली पुलिस दिल्ली सरकार का अधीन दे दीहल गइल त ऊ दिन दिल्ली के इतिहास के सबले खराब दिन मानल जाई. कहलन कि दिल्ली के नागरिक का रूप में उनुका ई बात कहे के पूरा अधिकार बा.
  • लालू के मंच पर एगो गैर यादव नेता आनन्द मोहन के दिल के दौरा पड़ल बाकिर मंच पर मौजूद लालू भा उनकर पिछलगुआ श्याम रजक एकर इचिको परवाह ना कइलन. कवनो नेता आपन गाड़ी देबे ला तइयार ना भइलन त दोसर लोग केहु तरह उनुका के अस्पताल ले गइल बाकिर आनन्द मोहन के मौत हो गइल आ लालू के भाषण चलत रहल. एह घटना से दिल्ली में केजरीवाल के सभा के याद ताजा हो गइल जब एगो किसान के फाँसी चढ़े ला उसका दीहल रहे आ ऊ फेंड़ पर फाँसी लगा के लटकल रहुवे आ एने केजरीवाल के भाषण चालू रहल.
  • बिहार विधानसभा चुनाव से पहिले के पहिलका ओपिनियन पोल में महागठबन्हन के बहुमत मिल जाए के बात कहल गइल बा. एबीपी-नीलसन सर्वे के कहना बा कि 48 फीसदी लोग मानत बा कि महागठबन्हन के सरकार बन जाई.
  • मुजफ्फरपुर के चक्कर मैदान में शनिचर का दिने होखेवाल रैली में कवनो नेता भा कार्यकर्ता पीएम मोदी के माला ना पहिरा पाई. अइसन करे के पीछे खुफिया विभाग के अनेसा बा कि कवनो मानव बम से मोदी के हत्या करावे के कोशिश हो सकेला.
  • चीन से 8 गो पनडुब्बी खरीदे के फैसला कइले बावे पाकिस्तान. एकरा से पाकिस्तान आपन नौसैनिक ताकत बढावे के सपना देखत बावे बाकिर ओरा जाने के चाहीं कि मूस मोटइहें लोढ़ा होइहें.
  • बिहार के मुसलमान बहुल इलाकन में आल इंडिया इत्तेहाद-ए-मिल्लत काउंसिल का तरफ से उम्मीदवार खड़ा करे के एलान 16 अगस्त का दिने पटना में होखे वाला रैली में कइल जाई. एह फैसला से मुसलमानन के वोट का बल पर फँउके वाला लोग के चेहरा पर चिन्ता के रेघारी लउके लागल बा.
  • उत्तर प्रदेश के एगो बड़हन अधिकारी डा़ सूर्य प्रताप सिंह के कहना बा कि राज्य में निष्ठा से काम कइल मुश्किल हो चलल बा. बतावल जात बा कि सपा के राज में ओकरा कार्यकर्तन से होखे वाला फजीहत से बचे खातिर सूर्यप्रकाश सिंह त्यागपत्त देबे के सोचत बाड़ें.
  • पीएम मोदी अपना कोटा के 75 गो हाजियन के कोटा यूपी के नाँवे कर देबे के फैसला कइले बाड़न. मोदी के एह फैसला से प्रतीक्षा सूची में पड़ल लोग में से 75 जने के राहत मिल जाई.
  • प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी शनिचर का दिने पटना आ मुजफ्फरपुर में होखेवाला अनेके कार्यक्रमन में शामिल होखीहें आ अनेके कल्याणकारी योजनन के एलान करीहें. लोकसभा चुनाव का बाद पीएम मोदी पहिला बेर बिहार आवे वाला बाड़न.
  • साल 2009 में गलत तरीका अपनावत 13 गो प्रचार बहल कइल गइल रहले जिनकर बहाली पटना उच्च न्यायालय शुक का दिने रद्द क दिहलसि.
  • सारण जिला के मकेर इलाका के जमालपुर गांव से पुलिस शुक का दिने एगो नक्सली नेता रामानंद महतो के गिरफ्तार क के जेल भेज दिहलसि.
  • सारण जिला के सोनपुर टीसन पर शुक का दिने सेना के एगो जवान के गोली मार के मुआ दीहल गइल.
  • सुप्रीम कोर्ट शुक का दिने आदेश दिहलसि कि सगरी जेल आ हवालात में कैमरा लगा दीहल जाव. हर थाना में कम से कम दू गो महिला कांस्टेबलो होखे के चाहीं. आ मानवाधिकार आयोग के खाली पड़ल सीटन के तीन महीना का भितरे भर लगा लीहल जाव.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up