टटका खबर : शुक, 24 जुलाई 2015 (सबेर)

by | Jul 24, 2015 | 0 comments

  • आखिरकार छपरा जिला परिषद के उपाध्यक्ष राजेन्द्र राय के कुरसी छिनाइए गइल. बियफे का दिने चाक चौबन्द सुरक्षा व्यवस्था का बीच करावल चुनाव में उनुका खिलाफ 30 लोग वोट दीहल जबकि पक्ष में महज एके. 46 सदस्य वाला परिषद के 31 सदस्य हाजिर रहलें वोटिंग में.
  • सारण जिला के जलालपुर इलाका के संवरी बाजार के एगो बिआहल लड़िकी अपना ससुरा से भाग गइल बिया. गाँव के ओकर पुरान प्रेमिओ फरार बावे. बतावल जात बा कि ई दुनू पहिलहूं भागल रहलें बाकिर लड़िकी के घरवाले खोज निकलले आ लड़िकी के बिआह दोसरा जगहा करा दिहलन. बाकिर लड़िकी ओहिजो से फरार हो गइल.
  • एकमा गाँव आ अमडाढ़ी गाँव का लोग का बीच के झगड़ा सलटावे खातिर बियफे का दिने एकमा बाजार पर दुनू गाँव के लोग का साथे सांसद रहल प्रभुनाथ सिंह आ विधायक गौतम सिंह बइठक क के समुझवलन कि आपस के अदावत छोड़ के मिलजुल के रहले में इलाका के विकास होखी.
  • सारण जिला के अमनौर पैक्स के सरकारी दुकान से सील कइल बारह गो किरासन तेल के ड्रम में जाँच करे वालन के महज पानी मिलल. अब पानी पानी के होखो, जाँच करेवाला कि जब्ती के सील लगावे वाला? दुकानदार त साफे बाच निकलल एह बवाल से. बाकिर इलाका में ई कइसन पानी रहुवे जवना के बारह गो ड्रम में भर के राखल रहुवे.
  • सुपौल के राघोपुर ब्लाक के परमानंदपुर पंचायत के मुखिया के लाश मधुबनी जिला के खट्टर नदी का लगे से बरामद भइल बा. मुखिया मो. युसूफ के गरदान कवनो धारदार हथियार से रेत के काटल गइल बा.
  • बिहार के गया शहर में बियफे का दिनदहाड़े एगो दाल मिल मालिक से नौ लाख रुपिया लूट के मोटरसाइकिल सवार लुटेरा फरार हो गइलन स. ऊ बैंक से रुपिया निकाल के ले आवत रहलें आ लागत बा कि लुटेरा पहिलहीं से उनुका पाछा लागल रहले सँ.
  • बुध के देर रात बलिया जिला जेल में छापा मार के जिला प्रशासन 13 गो मोबाइल सेट, अनेके चार्जर आ बैटरी, छूरी वगैरह बरामद कइलसि. बड़हन फोर्स ले के पड़ल एह छापा में जेल के पोल खुल गइल.
  • अदालत में पेशी खातिर ले आइल गइल एगो कैदी ब्रजेश मिश्र पेशाब करे के बहाना बना के हवालात से बाहर निकलल आ पीछे के पांचिल फान के फरार हो गइल. बाकिर पुलिसो ओकर पीछा ना छोड़लसि आ स्टेशन से ओकरा के फेरू पकड़ लिहलसि. मनियर के एह अपराधी पर बहुते मुकदमा दर्ज बा.
  • गाजीपुर जिला के नोनहरा में बियफे का भोरे एडीओ पंचायत पर जानलेवा हमला भइल. एह मामिला में मुहम्मदाबाद ब्लाक के प्रमुखपति, आ छतरपुर के प्रधानपति समेत कई लोग का खिलाफ नामजद मुकदमा लिखावल गइल बा.
  • मऊ जिला के दोहरीघाट इलाका के रसुलपुर गाँव के एगो आदमी के गाँवे के कुछ लोग मोरी बनावे ले के भइल झगड़ा में गोली मार के मुआ दिहलें.
  • सुप्रीम कोर्ट बियफे का दिने कहलसि कि राज्य सरकार अब उमिर कैद के सजा काटत कैदियन के रिहा कर सकेलें. बाकिर यौन उत्पीड़न के दोषी कैदियन के रिहा नइखे करे के. ओहू लोग के ना रिहा कइल जा सके जिनका पर सीबीआई के जाँच चलत होखे भा टाडा कानून में भीतर होखे. राजीव गांधी के हत्यारनो पर एकरा के लागू ना कइल जा सकी. ओहू कैदियन के रिहा ना कइल जा सकी जिनका के भर जिनिगी भा 20 से 25 बरीस के जेल के सजा सुनावल गइल होखे.
  • पिछला तीन गो परीक्षा से यूपी के लोकसेवा आयोग के बहाल कइल 86 गो सब-डिविजनल मजिस्ट्रेट में से सरकार वाली जातिए से 56 जने के चुनल गइल बा. अब एह बारे में राज्यपाल राम नाईक यूपी के मुख्यमंत्री से एह बारे में बात कइले बाड़न आ विदेश से मुख्यमंत्री के आवते एकर जाँच करावे के कहीहें. पता ना राज्यपाल ई बतिया सुनलन कि ना कि पुलिस बहाली में दिमाग पर ना देह पर जोर दीहल जाई. पढ़ाई से बेसी ओकरा कूवत के देखल जाई.
  • जम्मू कश्मीर में कुपवाड़ा जिला के तंगधार सेक्टर में सेना दू गो आतंकवादियन के तब मार गिरवलसि जब ऊ घुसपैठ के कोशिश करत रहलें. एह कार्रवाई में दू गो जवानो घवाहिल हो गइलें.
  • भारतीय खाद्य संरक्षा मानक प्राधिकरण अब डिब्बाबंद पूरक आहार के दवाई का रूप में बेचल जाए पर रोक लगा दिहले बावे. आयुर्वेद, सिद्ध, यूनानी आ दोसरो पारम्परिक चिकित्सा प्रणालियन का आधार पर बनल उत्पादो ला नया मानदंड बनावल गइल बा.
  • प्रोफेसर रिचर्ड हे अउर जॉर्ज बेकर के लोकसभा में एंग्‍लो इंडियन समुदाय के सदस्‍य मनोनीत करे के मंजूरी काल्हु राष्‍ट्रपति प्रणब मुखर्जी दे दिहलन. संविधान में एकर व्यवस्था बा कि एंग्लो इण्डियन समुदाय के दू गो प्रतिनिधियन के नामित कइल जाई.
  • अगिला महीना श्रीलंका दौरा पर जाए वाली भारतीय टेस्ट क्रिकेट टीम के एलान काल्हु दिल्ली में क दीहल गइल. एहमें चार बरीस बाद लेग स्पिनर अमित मिश्रा के वापसी भइल बा आ हरभजन सिंहो के वापिस लीहल गइल बा. विराट कोहली के कप्तानी वाली एह टीम में मोहम्मद शमी के नइखे राखल गइल.
  • साल 1993 के मुंबई धमाकन के आरोपी याकूब मेमन के 30 जुलाई का दिने नागपुर जेल में फांसी दीहल जाए वाला बा. एह बीच ओकरा बचाव में तरह तरह के बयान आ खबर छपे लागल बा. सबले ताजा बा बरीसन पहिले मर चुकल एगो राँ आफिसर के कबो ना छपल लेख छाप के कहल गइल बा कि याकूब मेनन के फाँसी ना होखे के चाहीं. सेकुलर आ मुस्लिमपरस्त लोग के बयान आ लेख त सीधे कहत बा कि कवनो मुसलमान अपराधी के फाँसी दिहले मत जाव कबो.
  • कुछ तकनीकि दिक्कत से न्यूजहंट पर खबर आवे में समय लाग जात बा. एहसे रउरा सभे से निहोरा बा कि टटकाखबर tatkakhabar.com पर जाए के आदत डाल लीं.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up