टटका खबर (शुक, 25 सितंबर 2015)

by | Sep 25, 2015 | 0 comments

  • हज करे सऊदी अरब गइल दुनिया के अनेक देश के लोग के दू गो झुण्ड शैतान के पहिले ढेला मारे के रस्म पूरा करे का आपाधापी में एक दुसरा के कचारत बढ़े लागल. एह चलते भइल भगदड़ में 717 गो हाजियन के मौत हो गइल आ 860 से अधिका लोग घवाहिल हो गइल. एहमें भारतो के कुछ लोग बाड़ें.
  • आजु मुसलमानन लोग कुरबानी के पर्व ईद-उल-अजहा बकरीद मनाई. हर जगहा के ईदगाह आ मस्जिदन में बकरीद के नमाज अदा कइल जाई. एह पर्व पर शांति बनवले राखे खातिर हर जगहा पुलिस के चौकस रहे के कहल गइल बा.
  • बिहार विधानसभा चुनाव पर करावल गइल एगो नयका सर्वे में बतावल गइल बा कि काँटा के टक्कर में अब एनडीए आगे निकल गइल बावे. पहिले एही कंपनी के सर्वे में महागठबन्हन के आगे बतावल गइल रहुवे बाकिर चुनाव नियराते एहमें बदलाव होखे लागल बा. एनडीए के वोट प्रतिशतो महागठबन्हन से अधिका हो गइल बा आ अगर ई बढ़त जारी रहल त एनडीए के शानदार जीत हो सकेला.
  • बिहार विधानसभा चुनाव के पहिला दौर के चुनाव खातिर दायर परचा में से 24 गो परचा खारिज हो गइल बा. अब ई लोग काल्हु शनिचर ले आपन नाम वापिस ले सकी आ जे बाची ओह लोग के बीच में 12 अक्टूबर के वोट करावल जाई. एह दौर के चुनाव में समस्‍तीपुर, बेगुसराय, खगडि़या, भागलपुर, बांका, मुंगेर, लखीसराय, शेखपुरा, नवादा आ जमुई जिला के सीट शामिल बाड़ी सँ.
  • बिहार चुनाव के दुसरका दौर खातिर परचा दाखिल करे के काम चालू बा आ बियफे का दिने 48 लोग आपन परचा दाखिल कइल. अबले 110 जने आपन परचा दाखिल कर चुकल बाड़ें. एह दौर में 32 गो सीट ला 16 अक्टूबर के चुनाव करावल जाई. 28 सितंबर ले परचा दाखिल हो सकेला.
  • पश्चिम चंपारण जिला से नौतन के जदयू विधायक मनोरमा प्रसाद के टिकट कटला से नाराज लोग मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के खिलाफ प्रदर्शन कइले. राजद के एगो नेता दुर्गा प्रसाद भाजपा में शामिल हो गइले काहें कि राजद में परिवारवाद चलत बा. जेल में बंद जदयू विधायक सुनील पाण्डे इस्तीफा दे दिहलन आ उनकर पत्नी गीता पांडेय तरारी विधान सभा क्षेत्र से चुनाव लड़े के एलान कइली. जदयू विधायक छोटे लाल राय पार्टी से इस्तीफा दे दिहलन. ओने भाजपा सांसद छेदी पासवान के बेटा रवि पासवान समाजवादी पार्टी में शामिल हो गइलन.
  • मुजफ्फरनगर दंगा के जाँच करे वाला आयोग के रपट में कुछ लोकल नेता लोग के हिंसा भड़कावे के दोषी बतावल गइल बा. एह दंगा में नाहियो त साठ लोग के मौत भइल रहे आ करीब पचास हजार लोग बेघर हो गइल रहुवे. सपा आ भाजपा दुनू के नेता लोग के एहमें आरोपी बतावल गइल बा.
  • यूपी में जिला पंचायत आ ब्लाॅक पंचायत का साथही ग्राम पंचायतो के चुनाव करा लेबे खातिर लगावल याचिका के इलाहाबाद उच्‍च न्‍यायालय खारिज कर दिहलसि.
  • गोण्डा में गणेश प्रतिमा विसर्जन करे जात लोग पर भइल पथराव का बाद ओहिजा कड़ा निगरानी राखल जात बा. तीन गो सिपाहियन के लापरवाही का खातिर निलंबित कर दीहल गइल बा. नगर में धारा एक सौ चौवालिस लगा दीहल गइल बा. शहर के सगरी स्कूल कालेज के बंद कर दीहल बा.
  • चन्दौली जिला में भइल सेना बहाली रैली में 4843 अभ्यर्थियन के सफलता मिलल बा. शारीरिक परीक्षा में सफल एह लोग के अब 29 नवंबर का दिने वाराणसी के छावनी परिसर में लिखित परीक्षा देबे के बा जवना के बाद सफल लोग के बहाली क लीहल जाई.
  • अमरिका यात्रा का दौरान प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी न्‍यूयार्क में अपना कार्यक्रम के शुरूआत वित्‍तीय क्षेत्र के दिग्‍गजन संगे गोलमेज बइठक से कइलन. एहमें पन्द्रह गो बड़की कंपनियन के सीईओ मौजूद रहलें. बाद में बांग्‍लादेश के प्रधानमंत्री शेख हसीना आ गुयाना के राष्‍ट्रपति डेविड ग्रैंजर से मिलले आ मीडिया टेक्‍नोलॉजी एंड कम्‍युनिकेशन्‍स के ग्रोथ स्‍टोरी फॉर इंडिया विषय पर गोलमेज सम्‍मेलन में शामिल भइलें. रात्रिभोज पर 45 गो प्रमुख कारोबारियन से बात कइलें.
  • अपना मेहरारू के मारे पीटे आ ओकरा पर अत्याचार करे के आरोपी आआपा विधायक सोमनाथ भारती के जमानत याचिका पर सुप्रीम कोर्ट सोमार का दिने सुनवाई करी. सोमनाथ भारती गिरफ्तारी का डर से फरार बाड़ें आ अदालत से निहोरा कइले बाड़े कि जबले उनका याचिका पर सुनवाई नइखे कर लीहल जात तबले उनुका के गिरफ्तार मत कइल जाव. उच्‍च न्यायालय उनुका जमानत याचिका के खारिज कर चुकल बा.
  • सी.बी.आई. व्‍यापम घोटाला के जाँच का क्रम में उत्‍तर प्रदेश आ मध्‍य प्रदेश में चालीस जगहा छापा मरलसि आ दू दर्जन से अधिका आरोपियन के घर आ कार्यालयन के छानबीन कइलसि.
  • मुंबई के सिलसिलेवार बम धमाका काण्ड में शामिल संजय दत्त के माफी यादिका महाराष्‍ट्र के राज्‍यपाल सी विद्यासागर राव खारिज कर दिहले बाड़न. संजय दत्त का तरफ से ई याचिका सुप्रीम कोर्ट के न्‍यायाधीश रहल मार्कंडेय काटजू लगवले रहलन.
  • नेपाल के नयका संविधान के विरोध करत मधेसी मूल के लोग से बात करे ला नेपाल सरकार राजी हो गइल बिया आ ओह इलाका से अपना सेनो के हटावे पर सहमत हो गइल बिया बशर्ते मधेसी लोग शांति से विरोध करसु.
  • भारतीय क्रिकेट टीम के कप्तान रहल सौरव गांगुली के क्रिकेट बोर्ड ऑफ़ बंगाल के अध्यक्ष बनावे के एलान पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी कइली सौरव गांगुली के एह पद ला निर्विरोध चुनल गइल बा आ बी.सी.सी.आई. के अध्यक्ष रहल स्व. जगमोहन डालमिया के बेटा अभिषेक डालमिया के संयुक्त सचिव बनावल गइल बा.
  • नासिक के त्र्यम्‍बकेश्‍वर कुंभ में श्रद्धालु आखिरी शाही स्‍नान परवनी के एक दिन पहिलहीं से पवित्र गोदावरी में डुबकी लगावल शुरू क दिहले बावे. शुक का दिने पांच छह लाख लोग त्र्यम्‍बकेश्‍वर पहुंचे वाला बा.
  • कुछ दिन पहिले लद्दाख क्षेत्र में चीन के बनावल ढांचा के भारतीय सेना के जवान हटा दिहले रहले. एह पर चीन के कहना बा कि भारत सीमावर्ती इलाका के स्थिरता बनवले राखे खातिक कवनो ‘एकतरफा कार्रवाई’ मत करे. ओकर कहना बा कि एह तरह के काम दुनू देश का बीचे भइल समझौता आ सहमति के भावना के हिसाब से सही नइखे.
  • सुप्रीम कोर्ट के कहना बा कि उमिर कैद उमिर भर ला होला 14 बरीस खातिर ना होला. उमिर कैद वाला के पूरा जिनिगी जेले में काटे के पड़ी. कहलसि कि एक तरफ त आन्दोलन होखत बा कि फांसी के सजा हटा दीहल जाव आ ओकरा बदले उमिर कैद दीहल जाव आ दोसरा तरफ उमिरो कैद लेके मोल तोल कइल जात बा.
  • व्यापम घोटाला के जांच करे दिल्ली से ग्वालियर जात सीबीआई के डिप्टी एसपी बिन्दुशेखर झा बियफे का सबेरे झांसी टीसन के पब्लिक ब्रिज पर गिरल मिलले. उनुका ब्रेन हैमरेज हो गइल बा आ उनुका के ग्वालियर खातिर रेफर क दीहल गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up